सगरी खबर भोजपुरी में (अतवार, 5 जुलाई 2015)

by | Jul 5, 2015 | 0 comments

  • प्रधानमंत्री मोदी आजु डिजिटल डायलॉग के तहत तकनीक में रूचि राखे वालन का साथे डिजिटल इंडिया पहल का बारे में बतियइहें. तकनीकि जानकारी राखेवाला लोग आजु प्रधानमंत्री से फेसबुक, ट्विटर अउर लिंक्ड-इन पर हैश टैग डिजिटल डायलॉग के इस्तेमाल क के सवाल पूछ सकीहें.
  • ललित मोदी विवाद अचके में तब दबा दीहल गइल जब ओहमें सोनिया गाँधी, राहुल गाँधी, राबर्ट वाड्रा वगैरह के नाम आवे लागल. अब एगो नया शिगूफा छोड़ल गइल बा व्यापम मामिला में होखत रहस्य भरल मौतन के. तय मानी इहो तबहियें ले चली जब ले एह मामिला में कवनो बड़का कांग्रेसी के नाम आ जाव. व्यापम घोटाला कांग्रेसे के जमाना के ह आ एकर जाँच करे के मांग शिवराज सिंह चौहाने कइले रहुवन.
  • काल्हु एगो पत्रकार अक्षय सिंह के अचके में भइल मौत का बाद व्यापम घोटाला के चरचा अउरी व्यापक हो गइल बा. जब अक्षय सिंह के तबियत खराब भइल तब उनुका साथही उनका टीम के वीडियोग्राफरो मौजूद रहलन. पोस्टमार्टम में कवनो बाहरी भा भितरी चोट के निशान नइखे मिलल आ उनकर विसरा जाँच खातिर सुरक्षित राख लीहल गइल बा. आजु जब दिल्ली में उनुकर अंतिम संस्कार भइल त ओह मौका पर राहुल गाँधी समेत अनेके लोग ए मामिला में आपन हाथ सेंके खातिर मौजूद रहुवे. जवना तरह से अक्षय सिंह के मौत भइल तइसन मिरगी का दौरा वालन का साथे हो सकेला. पता ना अक्षय सिंह के मेडिकल हिस्ट्री का बा.
  • व्यापम के छाया तब अउरी गहिरा गइल जब आजु अतवार का भोरे जबलपुर मेडिकल कॉलेज के डीन डॉ. अरूण शर्मा के मौत दिल्‍ली के एगो होटल में हो गइल. ऊ आजु हवाई जहाज से अगरतला जाए वाला रहुवन. पिछला साल 4 जुलाई के जबलपुर मेडिकल कॉलेज के डीन रहल डॉ. डी.के. सकाले के मौतो रहस्‍यमय हालात में भइल रहुवे.
  • विश्‍वविद्यालय अनुदान आयोग सगरी कुलपतियन से कालेजन में विद्यार्थियन से लीहल जाए वाला फीस आ खरचा के हिसाब किताब अपना वेबसाइट पर जारी करे के निर्देश दिहले बावे. दाखिला के प्रक्रिया आ प्‍लेसमेंट के आंकड़ो देखावे के कहल गइल बा. एह वेबसाइटन पर शैक्षिक कलेंडरो होखे के चाहीं. यूजीसी का लगे अइसन शिकायत खूबे आवेला जवना में कहल जाला कि संस्‍थान अनेके जानकारी लुका लेत बाड़े.
  • उत्‍तरप्रदेश के भाजपा विधायक लखनऊ में विधानसभा का सोझा राज्‍य सरकार के खिलाफ काल्हु शनिचर का दिने 24 घंटा के धरना के शुरुआत कइलन जवन आजु अतवार के दस बजे सबेरे खतम कइल गइल. पार्टी के कहना बा कि राज्‍य में कानून व्‍यवस्‍था के हालात तुरते सुधारल जाव काहे कि लोग गुंडाराज से तंग आ चुकल बा.
  • कर्जा के मुसीबत में फंसल ग्रीस में आजु जनमत संग्रह खातिर वोट डालल जात बा. एहमें लोग आपन राय बताई कि करजा चुकावे खातिर समयसीमा मिले ला करजा देबे वालन के शर्त मानल जाव कि ना. नतीजा आजुए मालूम हो जाए के बा. सरकार चाहत बिया कि लोग शर्त माने के बात नामंजूर कर देव. दोसरा तरफ शर्त ना माने का हालत में ग्रीस के यूरो जोन से बाहरो कइल जा सकेला.
  • काल्हु सोमार का दिने प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी रूस आ पांच गो मध्‍य एशियाई देशन के यात्रा पर निकले वाला बाड़न. वित्‍तमंत्री अरूणो जेटली ब्रिक्‍स के नयका विकास बैंक के पहिलका बइठक में शामिल होखे ला काल्हुए रूस खातिर रवाना होखीहें.
  • बेलज्यिम के एंटवर्प में विश्‍व हॉकी लीग सेमीफाइनल्‍स के पुरूष वर्ग में तिसरा जगहा खातिर आजु भारत के मुकाबला ग्रेट ब्रिटेन से होखे वाला बा, ओने महिला वर्ग में भारतीय टीम जापान के 1 गोल से हराके पांचवा जगहा पर आइल बिया.
  • केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड के अखिल भारतीय संयुक्त प्रवेश परीक्षा-मुख्य के संशोधित रैंक 8 जुलाई के जारी होखी. अखिल भारतीय रैंक सूची 30 जून के घोषित भइल रहुवे बाकिर तेलंगाना वगैरह कुछ राज्यन से तब अंक आइल ना रहुवे जवना चलते संशोधित सूची जारी करे के फैसला करे के पड़ल.
  • बिहार के 5202 ग्राम पंचायतन के अगिला साल मार्च से पहिले हाई स्पीड इंटरनेट देबे वाला ऑप्टिकल फाइबर से जोड़ दीहल जाई. अबले करीब डेढ़ हजार गाँवन के जोड़ल जा चुकल बा. साथही बिहार में तिहत्तर जगहा बीएसएनएल के ग्राहक सेवा केन्द्र खोले के फैसला कइल गइल बा. 24 गो पर्यटक स्थल के वाईफाई से जोड़े के योजना बा.
  • संघ लोक सेवा आयोग के सिविल सेवा परीक्षा में बिहार से 83 गो अभ्यर्थियन के सफलता मिलल बा. टाॅप सौ में बिहार के 7 लोग बा. सफल लोग में मोतिहारी के अंकिता आ कुणाल किशोर, औरंगाबाद के मनीष सिन्हा, आरा के प्रभाष राघव, बक्सर के मनीष कुमार वगैरह के नाम बा.
  • भाजपा नेता आ बिहार के उपमुख्यमंत्री रहल सुशील कुमार मोदी के पत्नी जेस्सी जॉर्ज का तरफ से राज्य के स्वास्थ्य मंत्री रामधनी सिंह के खिलाफ दायर मानहानि के मुकदमा के अदालत सुनवाई करे ला सकार लिहले बिया. सुनवाई 13 जुलाई के होखी.
  • पश्चिमी चंपारण जिला के 214 गो पंचायत रोजगार सेवकन के सेवा हड़ताल पर रहला का चलते खतम कर दीहल गइल बा.
  • यूपी में शासनादेश के कापी अब अपना ईमेल पर मँगावल जा सकेला आ एकरा खातिर कार्यालय के दौड़ लगावे के जरूरत ना पड़ी. काल्हु लखनऊ में एकर शुरुआत मुख्यमंत्री अखिलेश यादव का हाथे करावल गइल.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी अब 16 जुलाई के वाराणसी का दौरा पर अइहें. पिछला बेर के कार्यक्रम बरखा का चलते रद्द क दीहल रहुवे.
  • जौनपुर के जिला जेल में बन्दी रक्षकन के पिटाई से एगो बंदी के मौत हो गइला का बाद जेल में बवाल हो गउवे. एह मामिला के मजिस्ट्रेटी जाँच के आदेश दे दीहल गइल बा. बंदियन के बवाल काबू करे खातिर हवाई फायर ले करे के पड़ल रहुवे.
  • बेरहम इस्लामी स्टेट के आतंकी एगो वीडियो जारी कइले बाड़न जवना में लड़िकन के गोली मार के 25 गो सीरियाई सैनिकन के हत्या करत देखावल गइल बा.
  • सांसद आदर्श गांव योजना के तहत वाईफाई से लैस होखे वाला देश के पहिलका गाँव होखे के गौरव महाराष्ट्र के नागपुर के पंचगांव के मिलल बा जवन नितिन गडकरी के सांसदी इलाका में पड़ेला.
  • भाजपा अध्यक्ष अमित शाह अपना गोल के नेता लोग के सलाह दिहले बाड़न कि मीडिया के निगेटीव प्रचार से परेशान होखला के जरूरत नइखे आ जम के मुँहामुँही प्रचार करे के बा. कहलन कि बिहार के चुनाव बहुते अहम बा आ एकरा के जीतल जरूरी बा.
  • शनिचर का दिने संघ के आनुसांगिक संगठन मुस्लिम राष्ट्रीय मंच का तरफ से इफ्तार के दावत दीहल गइल जवना में 70 गो विदेशी राजदूतो शामिल भइलें. संघ के कवनो संगठन का तरफ से पहिला बेर इफ्तार के दावत दीहल गइल बा.
  • बाॅलीवुड आ हिन्दी साहित्यकारन का शह पर फूहड़पन खातिर बदनाम कइल जात भोजपुरी भाषा के साहित्य आ सरोकार से जुड़े खातिर पढ़ल करीं www.bhojpurika.com.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up