सगरी खबर भोजपुरी में (अतवार, 12 जुलाई 2015)

by | Jul 12, 2015 | 0 comments

    The Prime Minister, Shri Narendra Modi being welcomed on his arrival in Tajikistan on July 12, 2015. 	The Prime Minister of Tajikistan, Mr. Qohir Rosoulzoda is also seen.

    The Prime Minister, Shri Narendra Modi being welcomed on his arrival in Tajikistan on July 12, 2015.
    The Prime Minister of Tajikistan, Mr. Qohir Rosoulzoda is also seen.

  • प्रधानमंत्री रूस आ मध्य एशिया के पांच देशन के यात्रा का आखिरी दौर में ताजिकिस्तान चहुँप गइल बाड़न आ ओहिजा के प्रधानमंत्री कोखिर रासुलज़ोदा हवाई अड्डा पर उनुकर स्वागत कइलन. कवनो भारतीय प्रधानमंत्री पहिला बेर तजिकिस्तान के यात्रा पर गइल बाड़े. मोदी से पहिले साल 2003 में बाजपेयी जी आइल रहलें.
  • हमेशा का तरह फेरू पाकिस्तान पलटी मार दिहलसि आ कह दिहलसि कि मुंबई हमला के मुख्य आरोपी जकी उर रहमान लखवी के आवाज के नमूना ना दी. जबकि ओहिजा के पीएम नवाज शरीफ दू दिन पहिले रुस में पीएम मोदी से एकर वादा कइले रहुवन. बहाना बनवले बाड़न ओहिजा के एगो अदालत के फैसला के जे कहले रहुवे कि पाकिस्तान में कवनो अइसन कानून नइखे जवना का तहत एह तरह के नमूना हासिल कइल जा सके.
  • अपना बकबकइला खातिर मशहूर बिहारी बाबू शत्रुघ्न सिन्हा के कहना बा कि भाजपा विधानपरिषद के जीत पर इतराए जिन आ मुख्यमंत्री के नाम खातिर राम विलास पासवान आ उपेन्द्र कुशवाहो के नाम पर विचार करे. असल में शत्रुघ्न सिन्हा के पेट में दरद होखत रहेला कि उनुका जइसन बकबकवा नेता के मंत्री काहे नइखे बनावल गइल केन्द्र में आ बिहार के मुख्यमंत्री खातिर उनुकर नाम काहे नइखे सोचल जात. एह तरह से बिहारी बाबू आडवाणी के पकिया चेला लागेलें जेकरा पार्टी से अधिका आपन फिकिर रहेला.
  • यूपी के आइएएस अधिकारी अमिताभ ठाकुर के कहना बा कि मुलायम सिंह उनकर जान मरवा सकेलें. एह तरह के एगो केस अमिताभ ठाकुर लखनऊ के एगो थाना में तहरीर दिहले बाड़न. बाकिर एहसे पहिले कि उनुका अरजी पर कवनो कार्रवाई होखीत उनुके खिलाफ बलात्कार के मुकदमा दर्ज करवा दीहल गइल बा आ अब उनुके के गिरफ्तार करे के अनेसा बन गइल बा. एह मामिला में अमिताभ ठाकुर के पत्नियो के शामिल करा दीहल गइल बा.
  • लागत बा कि जीतन राम माँझी चाहत बाड़न कि पप्पू यादवो के राजग में शामिल कर लीहल जाव. माँझी के कहना बा कि अबहीं ले भाजपा से सीट का बारे में कवनो बातचीत नइखे भइल आ जरूरत होखी त ऊ पप्पू यादव के गोल का साथे मिल के चुनाव लड़ीहें. पप्पू यादवो चाहत बाड़न कि उनुका के राजग में ले लीहल जाव बाकिर खुल के नइखन कहत काहे कि बिहार भाजपा में कुछ लोग उनका खिलाफ बा. हालांकि बाद में सुने में आवत बा कि भाजपो मानत बिया कि जीतन राम माँझी आ पप्पू यादव के साथे ले के चुनाव लड़ल जाई.
  • ईद के दिन नियरा आवते देश के सेकुलर जमात तरह तरह के जालीदार टोपी पहिर पहिर के इफ्तार के दावत देबे आ खाए में लागल बावे. एह तरह के सहभोज ई लोग कबो कवनो हिन्दू परब तेवहार पर ना करे बाकिर मुसलमान वोट बैंक का फिकिरे ई लोग आपन मजहबो बदले ला तइयार लउकेला. कबो कवनो मुसलमान के टीका लगवले ना देखल जाव बाकिर एह लोग के जालीदार टोपी आ चारखाना वाला गमछी लिहले जरूरे देखल जाले.
  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ किर्गिस्तान के राष्ट्रपति अल्माज़्बेक अतमबायेफ का बीच बिश्केक शहर में आपसी संबंध बरियार करे का बारे में बातचीत भइल. दुनू देश का बीच रक्षा सहयोग बढ़ावे आ सालाना संयुक्त सैन्य अभ्यास करे समेत चार गो समझौतन पर दस्तखत भइल. प्रधानमंत्री मोदी भारत के रक्षा सहयोग का रूप में किर्गिस्तान के दू लाख साठ हजार डॉलर के अत्याधुनिक चिकित्सा उपकरण भेंट कइलें.
  • ग्रीस संकट का बारे में यूरोपीय संघ के सगरी 28 सदस्य देशन के आजु होखेवाला शिखर वार्ता रद्द क दीहल गइल बा काहे कि समझौता के आसार कम होखे लागल बा.
  • दुसरको एकदिना में जिम्‍बाब्‍वे के हरा के भारत तीन मैच के सीरिज जीत लिहलसि. आजु के मैच में भारत पहिले खेल के 8 विकेट का नुकसान पर 271 रन बनवले रहुवे जवना का जवाब में जिम्बाब्वे के पूरा टीम 209 रन पर आउट हो गइल आ भारत 62 रन से जीत गइल.
  • जम्मू-कश्मीर के केरन सेक्टर में घुसपैठ के कोशिश करत तीन गो आतंकियन के सेना अतवार का भोरे मार गिरवलसि. एहनी का लगे से बहुते असलहा आ गोला बारूदो मिलल बा.
  • पाकिस्तान के एगो मंत्री, संघीय सूचना मंत्री परवेज राशिद, के कहना बा कि काश्मीर का मसला पर पाकिस्तान के सबले अधिका नुकसान तब के सैन्य शासक रहल परवेज मुशर्रफ कइले जे देश के चुनल सरकार के गिरा दिहलें आ खुदे शासक बन गइले. करगिल युद्ध आ ओकरा बाद सरकार के तख्ता पलट का चलते कश्मीर मुद्दा के समाधान ना हो पावल ना त बाजपेयी का राज में एह बारे में समझौता हो गइल रहीत.
  • गुजरात में आइल हाल के बाढ़ का चलते दस गो शेर, सोरह सौ नील गाय, आ करीब 90 गो चीतल के मौत हो गइल बा. सबले बेसी मौत अमरेली आ भावनगर जिलन में भइल बा.
  • विम्बलडन जीतला पर राष्ट्रपति आ प्रधानमंत्री देश के टेनिस खिलाड़ी सानिया मिर्जा के बधाई दिहले बाड़न. सानिया मिर्जा अपना जोड़ीदार स्विट्जरलैंड के मार्टिना हिंगिस का साथे मिलके महिला डबल्स के खिताब जीत लिहली.
  • पीएम मोदी के पसन्दीदा योजना बीमा सुरक्षा में आम जनता के कम रुचि होखला का चलते एकर बढ़िया इस्तेमाल नइखे होखत जबकि देश के गरीबन खातिर एह तरह के बीमा सेवा बहुते फायदेमंद रहुवे.
  • दिल्ली, यूपी समेत देश के अनेके हिस्सा में आज अतवारो का दिने भारी बरखा भइल बा.
  • चंडीगढ़ के एगो मशहूर थियेटर एज के संस्थापक जुल्फिकार खान के छह गो लड़िकन संगे दुष्कर्म करे का आरोप में पुलिस शनिचर का दिने गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • छेड़छाड़ आ यौन उत्पीड़न के आरोपी आ टेरी के निदेशक रहल आरके पचौरी से दिल्ली पुलिस अतवार का दिने फेरू पूछताछ कइलसि.
  • इंडोनेशिया के एगो ज्वालामुखी से अतवार का दिने फेरू राख के बादल निकलला का चलते बाली हवाई अड्डा के बंद कर दीहल गइल. एक दिन पहिलहीं एकरा के खोलल गइल रहुवे.
  • दक्षिण कोरिया के सैनिक अतवार का दिने सीमा का नियरा बफर जोन में घुसपैठ करे वाला उत्तर कोरियाई सैनिकन पर गोली चलवलें. दुनू देश का बीच आज एह साल के ई पहिला झड़प रहुवे.
  • सिवान के एमएच नगर थाना के पुलिस शनिचर का दिने अरंडा गांव से मुन्ना नाम के एगो अपराधी के गिरफ्तार कर लिहलसि जवना पर अनेके थाना में अनेके मुुकदमा दर्ज बावे.
  • इलाहाबाद हाईकोर्ट बार एसोसिएशन के सालाना चुनाव में उच्च न्यायालय के वरिष्ठ अधिवक्ता राधाकांत ओझा अध्यक्ष पद पर ऐतिहासिक जीत हासिल कइले आ सात बेर से अध्यक्ष रहे वाला के हरा दिहले.
  • वाराणसी चौक थाना के हड़हा सराय मोहल्ला के एगो जर्जर मकान बरखा में ढह गइल जवना से लाखो के सामान ओहमें दबा गइल. संजोग से कवनो आदमी के घवाहिल भा मरे के अनेसा नइखे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up