सगरी खबर भोजपुरी में (अतवार, 14 जून 2015)

by | Jun 14, 2015 | 0 comments

  • भारत सरकार का तरफ से कहल गइल बा कि भारत चीन संगे व्यापार बढ़ावे खातिर तय कर लिहले बा काहे कि एहसे दुनू देश के फारदा होखे वाला बा. मेक इन इंडिया से भारत में रोजगार बढ़ी आ चीन खातिर निवेश के राह खुली.
  • केन्द्र सरकार परमाणु दुर्घटना बीमा कोष ला डेढ़ हजार करोड़ रुपिया से नया व्‍यवस्‍था शुरू कइले बिया जेहसे कि लटकल परियोजना के काम शुरू हो सके. कवनो तरह के दुर्घटना का हालत में मुआवजा देबे के व्यस्था से विदेशी परमाणु आपूर्तिकर्तन के राहत देबे खातिर एह बीमा कोष के बनावल गइल बा.
  • भारत आ बंगला देश का बीच चलत क्रिकेट टेस्ट मैच बरखा का चलते ठीक से ना खेलल जा सकल आ अब पूरा अनेसा बन गइल बा कि एह मैच के कवनो फैसला नइखे वाला. अपना पहिला पारी के छह विकेट का नुकसान पर 462 रन बना के भारत घोषित कर दिहले रहुवे आ ओकर योजना रहुवे कि बंगला देश के हरावे के कोशिश करो.
  • भारत के राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार अजीत डोभाल के कहना बा कि म्यांमार का सीमा का भितरी चलत उग्रवादी कैंपन के नेस्तनाबूद करे के तइयारी चलत बा अ एह खातिर ऊ म्यांमार जा के ओहिजा के सरकार के एह काम ला तइयार करवइहें.
  • बिहार विधानसभा चुनाव खातिर अपना अभियान के शुरुआत नीतीश कुमार जुलाई के दुसरका हप्ता से करीहें आ विधानसभावार सभा करीहें. हालांकि लालू प्रसाद का साथे साझा सभा करे के कवनो प्रोग्राम बनत नइखे लउकत. एकरे के कहल जा सकेला गुड़ खाएब बाकिर गुलगुला से परहेज करब.
  • शनिचर का दिने दिन भर रुक रुक के भइल बरखा का बात बतावल जात बा कि अगिला दू दिन में मानसून बिहार ले चहुँप जाई. बरखा का बाद गरमी से भरपूर राहत मिल गइल बा आ आजु अउरीओ राहत मिले के उमेद बा. बलियो के तापमान में बहुते सुधार आइल बा हालांकि शुक का राते भइल बरखा का बाद शनिचर का दिने आ रात में कवनो बरखा बूनी ना पड़ल.
  • गोपालगंज के बरौली के एगो प्राइवेट नर्सिंग होम में बकाया वसूले खातिर एगो प्रसूता के नवजात बच्चा के रोक लीहल गइल रहुवे जवना के बाद में बरौली पुलिस छोड़वलसि.
  • सारण जिला के एकमा थाना के फुचटीकला गाँव के एगो नवही जहर खा के मर गइल त ओकर ससुर ओकरा बाप का खिलाफ जान मारे के केस लिखवा दिहलन. पुलिस अब ओह नवही के बाप के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • गड़खा थाना के खोरीपाकड़ गाँव में बिआहल एगो औरत के गरदन दबा के हत्या क दीहले ओकर ससुराली आ लाश गायब क के अपनहुं फरार हो गइल बाड़े. एह तरह के केस थाना में ओह बिअहुता के बाप लिखवले बाड़न. उनकर कहना बा कि पर साल दहेज के केस लिखावल गइल रहुवे जवना में सुलह समझौता करे खातिर दबाव डालत रहुवे लोग आ बाद में जान ले लीहल लोग.
  • सारण जिला के सहाजीतपुर थाना के शंभु छपरा गाँव से बक्सर के एगो लड़िका अपना दोस्त के बहिन के भगा ले गइल बा. लड़िकी के बाप ओकरा खिलाफ केस लिखवले बा कि ओकरा बेटा के दोस्त गाहे बगाहे आवत जात रहुवे आ एक दिन उनुका बेटी के घुमावे खातिर ले गइल आ तब से दुनू के पता नइखे.
  • छपरा स्टेट बैंक शाखा का भितरे एगो रिटार्ड जवान के बैग से शुक का दिने तीन लाख चोरा लेबे वाला दू गो चोरन के छपरा पुलिस चौबीस घंटा भितरे सोनपुर से गिरफ्तार कर लिहलसि. दुनू पटना के रहे वाला निकलले आ अपना दू गो साथियन का बारे में बतवलें जेमे से एगो बरौनी के आ दुसरका हाजीपुर के हवे.
  • मोतिहारी समाहरणालय में शुक का दिने जिलाधिकारी अधिकारियन के क्लास लिहलें आ सात गो बीडीओ के वेतन निकाले पर रोक लगा दिहलें. एह लोग पर इंदिरा आवास में लापरवाही के आरोप बा.
  • सासाराम के गोपी बिगहा में चले वाला क्रशर का पीछे जरूर कवनो बड़हन हाथ बा जवना चलते पुलिस के बार बार के कोशिश का बादो क्रशर चलल बंद नइखे होखत आ पत्थर माफिया के मन अतना बढ़ गइल बा कि जब पुलिस चहुँपत बिया त ओकरो से टकरा जात बाड़न स आ पुलिस कवनो दमदार कार्रवाई नइखे कर पावत.
  • भोजपुर बक्सर विधान परिषद के चुनाव लड़े खातिर एनडीए उमेदवार का रूप में हुलास पाण्डेय के नाम सामने आइल जब शनिचर का दिने ऊ चुनाव कार्यालय चहुँपले. अबहीं ले उनकर नाम जदयू के तरफ से सामने आवत रहुवे. एन चुनाव बेरा भइल एह दल बदल से लोजपा उछाह में बिया त जदयू गठबन्हन में चुप्पी पसर गइल बा.
  • भोजपुर के तरारी प्रखंड के कार्यालय से शुक का रात चार गो कंप्यूटर चोरा लीहल गइल बा. हालांकि पुलिस के कुछ गड़बड़ लउकत बा एह चोरी में.
  • शनिचर का दिने गोरखपुर जंक्शन के यार्ड के सिग्नल फेल हो गइला का चलत सगरी सिग्नल लाल हो गइली सँ आ सगरी ट्रेन के जँहे तँहे रुक जाए के पड़ल. एक घंटा के एह आपाधापी का दौरान गाड़ियन के मैनुअल पास दे दे के चलावल गइल. एह चलते सत्याग्रह एक्सप्रेस के पौन घंटा आ बिहार संपर्क क्रांति के आधा घंटा देरी हो गइल.
  • सिवान जिला के महाराजगंज थाना के हहवां गांव के एगो नवही के हाजीपुर फुलवरिया पैसेंजर ट्रेन से नशा का हालत में दारौंदा टीसन पर उतारल गइल. पता चलल कि सूरत में इंजीनियरिंग के पढ़ाई करे वाला ई नवही ताप्ती गंगा से छपरा चहुँपल आ ओहिजा से पैसेंजर धइलस. एही ट्रेन में नशाखुरान ओकरा के नशा खिआ के ओकर लैपटाप, मोबाइल, घड़ी, पर्स वगैरह लूट लिहलें.
  • अरेराज प्रखंड के बिनवलिया गाँव में खसरा के छूत पसर गइल बा जवना से करीब आधा दर्जन बचवन के खसरा हो गइल बा. दू गो के निमोनिया भइला का बाद इलाज खातिर मोतिहारी भेजल गइल बा.
  • पचास हजार रुपिया के मांगल रंगदारी ना दिहला पर मोतिहारी जेल में बंद हत्यारोपी आ उप प्रमुख रहल दीपक पांडेय पर राकेश झा नाम के बंद कैदी के गुर्गा कैदी हमला क दिहले आ धारदार हथियार से ओकर गरदन काटे के कोशिश कइलन. राकेश कहले रहुवे कि पचास हजार के रंगदारी दे द ना त अंजाम भुगते ला तइयार रहीह.
  • बापूधाम मोतिहारी टीसन के आउटर सिग्नल का लगे ट्रेन से कटा के संग्रामपुर थाना के मधुबनी गाँव के एगो बूढ़िया के मौत हो गइल.
  • शनिचर का दिने मोतिहारी नगर परिषद के बइठक में दू गोल का बीच बाताबाती का बीच एक दोसरा पर कप आ गिलास फेंक फेंक के हमला करे लगले पार्षद लोग. संजोग से केहु घवाहिल ना भइल.
  • भोजपुरी के अकेला आनलाइल अखबार टटकाखबर डाॅटकाॅम (tatkakhabar.com) के बेहतर बनावे खातिर रउरा सभे के सहजोग आ सलाह के जरूरत बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up