सगरी खबर भोजपुरी में (बियफे, 2 जुलाई 2015)

by | Jul 2, 2015 | 0 comments

  • बाकी हर मुद्दा पर विरोध के राजनीति करे वाला सांसद लोग आपन तनखाह आ भत्ता बढ़ावे का मुद्दा पर हमेशा एकराय होखेला. अब फेरू सांसद लोग के तनखाह दुगुना करे के बात चलत बा आ पुरनका सांसद लोग के पेंशन 75 फीसदी करे के बात कहल जात बा. संसद के समिति एकर सलाह दे दिहले बिया आ जल्दिए एकरा के लागुओ क दीहल जाई.
  • वरूण गाँधी के कहना बा कि बानर का हाथे बन्दूक लाग गइल बा आ ऊ अब जेने तेने लगातार फायरिंग कइले जात बा. वरूण ई बात ललित मोदी का बारे में कहलन. आजु बियफे का दिने फेरू ललित मोदी के ट्विट में भाजपा नेता सुधांशु मित्तल पर निशाना लगावल गइल बा. ललित के कहना बा कि सुधांशु के नाता हवाला कारोबारियन से बा.
  • बिहार विधानसभा चुनाव के मद्दे नजर आजु जदयू के ‘हर घर दस्तक’ अभियान के शुरुआत नीतीश कुमार करे वाला बाडन. एह अभियान में जदयू के कार्यकर्ता घरे घरे जा के जदयू के प्रचार करीहें.
  • केन्द्र सरकार काल्हु बुध का दिने ऑनलाइन नेशनल एग्रीकल्चर मार्केट बनावे के इजाजत दे दिहलसि. एहसे किसानन के आपन उपज बेचे खातिर बेहतर विकल्प मिली आ आढ़तियन के लूट से किसानन के बचावल जा सकी.
  • मुस्लिम विश्वविद्यालय यूपी के सगरी जिलन में अंग्रेजी माध्यम स्कूल खोले के योजना बनवले बावे. एएमयू के प्रवक्ता राहत अबरार के मुताबिक अगिला दू बरीस का भितरे पूरा क लीहल जाई. सीबीएसई बोर्ड से मान्यता प्राप्त एह स्कूलन में सगरी संप्रदाय के विद्यार्थियन के दाखिल मिल सकी बाकिर मुस्लिम समुदाय ला आरक्षण दीहल जाई.
  • पता ना कवना देश से का कर के आ कवन मामला सलटा के सोनिया गाँधी, प्रियंका वाड्रा, आ राहुल गाँधी भारत लवट आइल बा लोग. सोनिया आ प्रियंका मंगल का दिने लवटली जबकि राहुल बुध का दिने.
  • झारखंड में आजु राज्यसभा सीट खातिर होखे वाला उपचुनाव में भाजपा के प्रत्याशी एमजे अकबर के जीतल लगभग तय बा. भोरे नौ बजे से वोट डाले के काम शुरु हो गइल बा.
  • विश्वविद्यालय अनुदान आयोग के कहना बा कि यूपी में आठ गो फर्जी विश्वविद्यालय चलत बाड़ी सँ. एहनी के सूची यूजीसी के वेबसाइट पर देखल जा सकेला.
  • भारतीय पुरुष हॉकी टीम वर्ल्ड हॉकी लीग के सेमीफाइनल में जगह बना लिहले बावे. बुध का दिने क्वार्टर फाइनल में मलेशिया के तीन बनाम दू गोल से हरा के ई मुकाम हासिल कइलसि.
  • बिहार विधानसभा चुनाव में बड़हन पैमाना पर नकली नोट के इस्तेमाल होखे के अनेसा जतावल जात बा. चुनाव के बेतहाशा खर्च में जाली नोटन के खपावल बाकी सौदन का मुकाबले तनी आसान होला. कहल जात बा कि बेतिया आ मोतिहारी के दर्जनभर गिरोह एह काम में मुस्तैदी से जुटल बाड़े.
  • केन्द्र सरकार करिया धन रोके वाला कानून का तहत करिया धन लुकवले लोग के एगो मौका देत 30 सितम्‍बर तक के समय दिहले बिया. एह बीच जे लोग आपन खुलासा क दी ओह लोग के कर आ जुर्माना चुकावे खातिर 30 दिसम्‍बर तक के समय दीहल जाई. जे लोग एह बीच विदेशन में राखल आपन करिया धन के खुलासा ना करी ओकरा खिलाफ कड़ा कार्रवाई कइल जाई.
  • बुध का साँझ डिजिटल इण्डिया सप्ताह के शुरुआत करत पीएम नरेन्द्र मोदी कहलन कि एह कार्यक्रम से करोड़ो हिन्दुस्तानियन के सपना साकार होखे वाला बा. एह कार्यक्रम में निजी उद्योगन का तरफ से साढ़े चार लाख करोड़ रुपिया लगावे के वचन मिल चुकल बा आ नाहियो त 18 लाख लोग के रोजगार मिल सकी एहसे. कहलन कि नयका युग में युद्ध के एगो मैदान साइबरो दुनिया बन गइल बा आ एकरा में दुनिया के मुकाबला करे खातिर हमनिओ के आपन ताकत बढ़वला के जरूरत बा.
  • अमरनाथ यात्रा के शुरुआत आजु बियफे का दिन से औपचारिक रूप से हो गइल. एह साल 59 दिन चले वाला एह यात्रा खातिर सुरक्षा के चाक चौबन्द इन्तजाम कइल गइल बा. कवनो तरह के बिपदा से निपटे खातिर विशेष राष्‍ट्रीय आपदा राहत बल, राज्‍य आपदा राहत बल आ बर्फीला तूफान से बचाव करे वाला दल तइयार राखल गइल बा. एह यात्रा खातिर साढ़े नौ हजार श्रद्धालुअन के पहिला जत्था आजु अमरनाथ खातिर रवाना कइल गइल.
  • ब्रिटेन सरकार मैगी के जाँच करवला का बाद कहले बिया कि मैगी पूरा तरह से सुरक्षित बा आ एकरा के खइला से कवनो नुकसान नइखे होखे वाला.
  • सिवान जिला के बसंतपुर इलाका के लकड़ीनबीगंज प्रखंड के उत्क्रमित मध्य विद्यालय जलालपुर के चापाकल के पानी पियला से बुध का दिने बाईस गो छात्र बेमार पड़ गइलन आ ओहनी के सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा.
  • भोजपुर जिला के चरपोखरी-कथराई रोड का एगो पुलिया पर सिलेंडर मिलला का बाद ओहिजा के सुरक्षा कड़ा क दीहल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up