सगरी खबर भोजपुरी में (बियफे, 11 जून 2015)

by | Jun 11, 2015 | 0 comments

  • केजरीवाल सरकार के कानून मंत्री रहते गिरफ्तार भइल जितेन्द्र सिंह तोमर के फर्जीवाड़ा के परत दर परत खुलत जात बा आ उनुका पर घेरा कसात चल जात बा. अदालतो से उनकर जमानत अर्जी खारिज हो गइला का बाद उनकर समस्या अउरी गंभीर हो गइल बा.
  • पाकिस्तान का तरफ से जारी एगो आधिकारिक बयान में भारत के चेतावल गइल बा कि ऊ पाकिस्तान के म्यांमार जइसन समुझे के गलती मत करे. पाकिस्तान का लगे एटम बम आ हमला करेवाला का खिलाफ एकर इस्तेमाल से पाकिस्तान परहेज ना करी.
  • उत्तर प्रदेश लोक सेवा आयोग के पीसीएस-14 मुख्य परीक्षा के रिजल्ट काल्हु बुध का दिने जारी क दिहल गइल. एहमें 579 पद ला 1870 लोग के सफल बनावल गइल बा. अब एह लोग के साक्षात्कार कइला का बाद आखिरी चयन होखी.
  • पिछला 28 अप्रैल के आपन दुखड़ा सुनावे खातिर कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी से भेंट करे वाला किसान के कवनो राहत ना मिलला का बाद पंजाब के फतेहगढ़ साहिब जिला के दादू माजरा गाँव के किसान सुरजीत आखिरकार फाँसी लगा लिहलसि. राहुल ओकर कवनो मदद ना कर पवले.
  • पिछला छह दिन के गिरावट के बदलत बुध का दिने शेयर बाजार बढ़ के बंद भइल आ आजुओ ओकरा में तेजी देखल जात बा.
  • टीम इंडिया के नया कोच बनावल गइल रवि शास्त्री के एह काम खातिर सालान सात करोड़ रूपिया दीहल जाई आ रवि शास्त्री एकरा संगही दुनिया के सबले महंग कोच बन गइल बाड़न.
  • मंगल के साँझ बिहार के परिवहन मंत्री रमई राम के नाती मंटू घर के एगो नौकर बटोरन के अतना पिटाई क दिहलसि कि बटोरन के बँवारा आँख के रोशनी खतम हो जाए के अनेसा जतावत डाक्टर लोग ओकरा के पीएमसीएच रेफर कर दिहले बा. रमई राम का खिलाफ एगो नौकर के सनहा सचिवालय थाना में तीन बरीस से दर्ज बा बाकिर अबले ओह पर कवनो कार्रवाई नइखे भइल.
  • दाल के दाम में आइल बेहिसाब तेजी देख के केन्द्र सरकार बाहर से दाल आयात करे के फैसला कइले बिया. पिछला एक बरीस में दाल के दाम करीब 65 फीसदी बढ़ गइल बा. पिछला साल दलहन के उपज में 20 लाख टन के कमी आइल रहुवे.
  • पटना में होखत राकांपा के 6वां राष्ट्रीय सम्मेलन में फेरू अध्यक्ष चुनाइल शरद पवार कहलन कि केन्द्र सरकार हर मोर्चा पर फेल क गइल बिया आ अब भाजपा हरावे के अभियान बिहार से शुरु होखे जा रहल बा. मोदी का खिलाफ लालू, नीतीश, सोनिया के गठजोड़ में अपनो मौजूदगी दर्ज करा लिहले बिया राकांपा आ एह सेकूलर गोलन के लागत बा कि अब बिहार में एह लोग के जीत पक्का बा.
  • सरकारी जमीन के बंदरबांट के विरोध करे वाला वकील संजय सिंह उर्फ पप्पू सिंह पर बुध का सबेरे भगवान बाजार बस स्टैंड का लगे गोली मार के घवाहिल क दीहल गइल. घवाहिल वकील अदालत में जा के थाना में चार लोग का खिलाफ केस दर्ज करवलें. एहमें से दू जने के नामजद बनावल गइल बा.
  • पूर्वी चंपारण के केसरिया थाना के जगीराहाँ पेट्रोल पंप का लगे स्टेट हाईवे पर एगो स्कार्पियो आ ट्रक के टक्कर बुध का सबेरे हो गइल जवना से चार लोग के मौत हो गइल आ पांच जने घवाहिल हो गइलें.
  • सिवान का अदालत में शहाबुद्दीन के जमानत खातिर होखे वाला सुनवाई बुध का दिने टार दीहल गइल. सिवान के पुरान वकील बसंत बाबू के मंगल का दिने निधन भइला का चलते बुध का दिने शोक मनावत अधिवक्ता लोग अदालत में ना आइल. बसंत बाबू के तबियत मंगल का दिने अचानके खराब हो गइल आ इलाज का बावजूद मौत हो गइल.
  • सारण जिला के सहाजितपुर थाना के कटसा गाँव में बुध का दिने चापाकल गाड़े का दौरान पाइप उपर से जात बिजली के तार से सट गइल. बिजली के करंट से पाइप पकड़ले एगो मजदूर के मौत हो गइल.
  • बलिया के एगो निजी अस्पताल में एगो लड़िकी साथे भइल दुराचार का मामिला में अस्पताल संचालक बियफे का दिने सरेंडर कर दिहलन. दुराचार करे वाला दू गो कर्मचारी पहिलहीं से गिरफ्तार बाड़े सँ बाकिर अस्पताल मालिक के गिरफ्तारी खातिर लगातार दबाव बनावल जात रहुवे.
  • भभुआ के औकार चैनपुर के मूल निवासी सुरेन्द्र के बुध का दिने राबर्ट्सगंज पुलिस गिरफ्तार कइलसि त ओकरा एगो बड़हन सफलता मिल गइल. सुरेन्द्र जवन अस्पताल खोल के डाक्टर बन के इलाज करत रहुवे ओहिजा अतवार का दिने एगो औरत के मौत का बाद मामिला गरमा गइल. जाँच में पता चलल कि एह अस्पताल के रजिस्ट्रेशन नइखे आ जब पुलिस ओकरा के गिरफ्तार कइलसि तब पता चलल कि ई त पुरान हिस्ट्रीशीटर ह जवना आपन पहचान छुपावे खातिर डाक्टर के चोला पहिर लिहले बा.
  • बंगला देश के फतुल्लाह में चलत भारत बांगला देश का बीच एकमात्र टेस्ट के दुसरका दिन के खेल बरखा का चलते रद्द मान लीहल गइल. आजु सबेरही से रुक रुक के होखत बरखा का चलते खेल शुरु करावल संभव ना भइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up