सगरी खबर भोजपुरी में (बुध, 17 जून 2015)

by | Jun 17, 2015 | 0 comments

  • बिहार विधानसभा चुनाव खातिर भाजपा के प्रभारी अनंत कुमार के बयान का बाद उपजल बेचैनी सुशील मोदी के चुप ना रहे दिहलसि आ ऊ अब खुल के सामने आ गइल बाड़न. उनकर कहना बा कि भाजपा बिहार चुनाव से पहिले आपन नेता घोषित कर दी. देखल जाव कि सुशीलो मोदी शत्रुघ्न सिन्हा के लाइन धरत बाड़न कि ना बाकिर हाथे आवत मुख्यमंत्री के कुरसी खातिर जान लड़ा दीहें सुशील मोदी. उनकर लालसा छात्र नेता रहला का दौरान से हमेशा सामने आवत रहल बा. नीतीश कुमार के उप रहत ऊ भाजपा के बाकी नेतवन के मामर हेठ करे के कवनो मौका ना छोड़त रहलें.
  • दिल्ली के केजरीवाल सरकार आ दिल्ली पुलिस के खींचतान के खबर का बीचहीं इहो खबर आइल बा कि केजरीवाल समेत आआपा गोल के 21 गो विधायकन का खिलाफ दर्ज आपराधिक मामिलन में दिल्ली पुलिस अब चार्जशीट दायर करे जात बिया. एह सूची के खासमखास लोग हउवें अरविंद केजरीवाल, मनीष सिसोदिया, सतेंद्र जैन, जरनैल सिंह, अखिलेश त्रिपाठी, गुलाब सिंह, रघुवीर शौकीन, संजीव झा, राकेश गुप्‍ता, राखी बिड़लान वगैरह.
  • बिहार विधानसभा चुनाव में मायावती के पार्टी बसपा में विचार विमर्श शुरू हो गइल बा. हो सकेला कि बसपा अकेले लड़े के योजना बनावे. मायावती के बसपा के मैदान में अइला से भाजपा के दलित वोट बैंक पर काबिज होखे के कोशिश में रुकावट आई. अब ई अलग बाति बा कि बिहार में बसपा के ऊ ताकत नइखे जवन यूपी में देखे के मिलेला.
  • संघ लोक सेवा आयोग दिल्ली हाई कोर्ट के बतवले बा कि सिविल सेवा के परीक्षा में आवेदन करे वालन खातिर किन्नर समुदाय ला तिसरका लिंग के शामिल ना कर सके काहे कि एह कैटेगरी के बारे में अबहीं ले सुप्रीम कोर्ट साफ नइखे बतवले. ओकर निर्देश मिलला का बादे कवनो फैसला लीहल जा सकेला.
  • पिछला लोकसभा चुनाव का दौरान कइल खरचा के हिसाब अबहीं ले ना दिहला का चलते मेघालय में पी.ए. संगमा के गोल नेशनल पीपल्‍स पार्टी-एनपीपी के मान्‍यता चुनाव आयोग निलंबित कर दिहले बावे. अइसन फैसला पहिला बेर लीहल गइल बा.
  • राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग पिछला हप्ता झारखंड में मारल गइल 12 गो माओवादियन का मामिला में झारखंड सरकार के नोटिस जारी क के जवाब मंगले बावे. आजु ले कबहीं मानवाधिकार आयोग माओवादियन भा नक्सलियन का तरफ से भइल हत्याकाण्डन में ओकरा से सवाल नइखे पूछले. काहे कि आम आदमी के कवनो मानवाधिकार ना होला सगरी मानवाधिकार आतंकियन आ उग्रवादियने खातिर होला.
  • भारत के ग्रैंड मास्टर विश्वनाथन आनंद, स्टॉवेंगर में नॉर्वे शतरंज प्रतियोगिता के तइयारी ला खेलल जात ब्लिट्ज़ टूर्नामेंट में मैगनस कार्लसन से हार गइल बाड़न. आनंद अब कारूआना से खेलीहें.
  • बलिया में बिजली किल्लत के विरोध करे वाला विद्यार्थियन के मामला गरमाइल जात बा. मंगलो का दिने की जगहा विद्यार्थी नेता लोग आपन आपन सभा क के एह मुद्दा पर प्रश‌ासन का खिलाफ लड़ाई लड़े के योजना बनवलें.
  • मंगलो का दिने बलिया में अतिक्रमण हटावे के अभियान चालू रहल बाकिर एह अभियान के बेंवत अतने बा कि आगे आगे अतिक्रमण हटावत टीम चलेले आ पाछे पाछे फेर अतिक्रमण होखल शुरु होत जाला. प्रशासन का लगे ना त कवनो स्थायी योजना बा ना एक बेर अतिक्रमण हटा लिहला का बाद दुबारा लागे से रोके के ताकत.
  • बलिया मे संकर धान, ज्वार, आ मकई के बीया बाँटे के तारीख अब तीस जून ले बढ़ा दीहल गइल बा. सगरी बीज भंडारन पर ओह दिन ले बीया उपलब्ध करावे के निर्देश दिहले बावे प्रशासन.
  • पूर्वांचल में दंगल आ घुड़सवारी खातिर मशहूर आ चितबड़ागांव के रहेवाला जगदीश सिंह पहलवान के मौत दिल्ली में इलाज करावत हो गइल बा. उनकर उमिर 73 बरीस रहुवे.
  • बिआह करा के लवटत बारातियन के जीप सोमार का दिने नौरंगा पीपा पुल का लगे पलट गइल आ एह हादसा में 55 बरीस उमिर के चांदपुर के चौकीदार काशीनाथ यादव के ओहिजे मौत हो गइल जबकि बाकी लोग सकुशल बाच गइल. जीप पर कुल 14 जने सवार रहले.
  • मुहम्मदाबाद का लगे आ एही तहसील के कुछ गांवन के कासिमाबाद तहसील में डाल दीहल गइल बा. एह फैसला से नाराज लोग एह बदलाव के रोके खातिर आन्दोलन करत बाड़न.
  • घर में बिजलि के वायरिंग करे आइल एगो नवही ओह घर के लड़िकी संगे अइसन वायरिंग जोड़लस कि तीन साल का भितरे दुनू के शादी करावे के पड़ गइल. मामला देवरिया जिला के बघौचघाट के हवे.
  • अपना छोट बेटा संगे नइहर खातिर चलल गुठनी के एगो औरत के बैग चलत मऊ पैसेंजर से छीन के एगो दोसर मेहरारू कूद गइल. पुलिस में केस लिखवा दीहल गइल बा बाकिर ऊ बैगचोरनी भेंटाव तब नू,
  • शादी बिआह के सीजन खतम भइला का बाद रोजी रोजगार करे वाला लोग दिल्ली, मुंबई, सूरत, कोलकाता वगैरह जाए खातिर रेलवे के आरक्षण खातिर काउन्टर पर जुटत बाड़े बाकिर दलालन के जाल अतना बरियार रहत बा‎ कि आम आदमी के तत्काल टिकट मिलल चाँद उतरला बरोबर हो गइल बा आ एह चलते आए दिन कवनो ना कवनो काउन्टर पर मारपीट के हालात बनत रहत बा.
  • गोरखपुर मेडिकल कालेज में परीक्षा का समय मेडिकल काउंसिल आफ इंडिया के टीम कालेज में पीजी विभागन के निरीक्षण करे आवे वाली बिया. एह खातिर मेडिकल कालेज में तइयारी शुरु हो गइल बा.
  • चौरीचौरा के करमहा ढाला का लगे 35 बरीस उमिर के एगो अनजान नवही मंगल का दिने गोरखपुर से देवरिया ओर जात वैशाली एक्सप्रेस के आगा सूत के जान दे दिहलसि. एकरा आवे का पहिलही से ऊ साइकिल खड़ा क के टहलत रहुवे.
  • यूपी के 25वां विश्वविद्यालय के रूप में सिद्धार्थ विश्वविद्यालय, कपिलवस्तु, आजु बुध का दिन से काम कइल शुरु क दिहलसि. एह विश्वविद्यालय का जद में गोरखपुर मंडल के महराजगंज, बस्ती मंडल के सिद्धार्थनगर, संतकबीर नगर आ सिद्धार्थनगर अउर देवीपाटन मंडल के बलरामपुर आ श्रावस्ती जनपद के कुल 185 गो कालेज आ जइहें.
  • पिछला सोमार का दिने अकेले गोरखपुर टीसन से 52460 लोग टिकट खरीदल आ एह से रेलवे के 10644483 रुपिया के कमाई भइल.
  • हाटा बाजार से तगादा वसूली क के बड़हलगंज लवटत एगो निजी कंपनी के कर्मचारी से मंगल का दिने बड़हलगंज में नेवादा गांव का लगे पल्सर सवार तीन गो बदमाश 90930 रुपिया लूट के भाग लिहले सँ.
  • जौनपुर जिला के बनपुरवा गाँव में काल्हु मंगल का उपरी बेरा करीब चार बजे हाईटेंशन बिजली तार के चपेटा में आ के तीन लोग झँउस गइल बा. एक जने के फूलपुर, वाराणसी के एगो निजी अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • मंगल का दिेन जब मंडुआडीह टीसन पर शिवगंगा एक्सप्रेस के नयका रेक आइल त ओह पर सवार होखे आइल लगो के अचरज के ठेकाना ना रहल. पूरा सजल धजल आइल ट्रेन के हर बोगी नया अन्दाज में बनल मिलल जवना में भरपूर जगहो रहुवे कोच का भीतर चले फिरे खातिर.
  • यूपी के लोक निर्माण राज्यमंत्री सुरेंद्र पटेल पंचक्रोशी परिक्रमा में पड़ेवाला हर रास्ता के दुरुस्त करावे आ सूखल तालाबन में पानी भरवावे के आदेश दिहलन. हिन्दू लोग के ई धार्मिक यात्रा आजु 17 जून से शुरु होखे जात बा आ अबहीं ले एकर सुध नइखे लिहले राज्य सरकार. अब आखिरी बेरा में एह तरह के काम से लोग के कवनो सुविधा मिले भा ना अधिकारियन के कमाई के राह जरूर मिल जाई.
  • वाराणसी के हरिश्चंद्र पीजी कालेज में विद्यार्थियन के संबोधित करत भाजपा प्रदेश अध्यक्ष लक्ष्मीकांत वाजपेयी सलाह दिहलन कि छात्रसंघ के पदाधिकारी दलगत आधार पर काम मत करस आ पूृरा छात्र समाज खातिर काम करे के आदत डालसु.
  • सारण जिला के एकमा नगर पंचायत के गोपाली गांव से सोमार का दिने निकलल बारात जब मढ़ौरा के गांधी नगर चहुँपल त दुलहा के मंदिर दर्शन करावे खातिर दुलहिन के चाचा ले के मंदिर चललन. मंदिर में दुलहा गरमी लागे के शिकायत कइलस त चाचा ओकरा के एक गिलास पानी पिअवलन आ पानी पियते दुलहा के तबियत अउरी बिगड़ गइल. बाद में जनवासा में ओकर मौत हो गइल. ओकरा मरला का बाद ओकरा मौसेरा भाई के चाचा ध लिहलन कि अब एकरे संगे लड़िकी के बिआह करा दीहल जाव. ऊ लड़िका केहु तरह आपन जान बचा के भागल.
  • सारण जिला के भेल्दी इलाका के अदमापुर गांव में महतारी का लगे सूतल दू बरीस के लड़िका के सियार उठा ले भागल आ कुछ दूर ले जाके ओकर गरदन काट के मुआ दिहलसि. एह हादसा से गाँव के सगरी लोग हदस में आ गइल बा.
  • गोपालगंज व्यवहार न्यायालय के अधिवक्ता मुकेश राय आ उनका परिवार के लोग पर सदर अस्पताल में भइल लाठी चार्ज आ बाद में ओह लोग पर दायर मुकदमा से नाराज वकील लोग आज बुध से बेमियादी हड़ताल पर जाए के फैसला कइले बा.
  • गोपालगंज जिला के कुचायकोट इलाका के बेलवनवां गांव का नियरा मंगल का दिने एगो ट्रक से कचरा के बाइक सवार दू गो नवहियन के मौत ठाँवे पर हो गइल आ ट्रक वाला ट्रक ले के भाग निकलल.
  • सिवान के रेनुआ के प्रोपर्टी डीलर टिंकू सिंह के हत्या का मामिला में शातिर अपराधी चाइनिज के गिरफ्तार क के पुलिस पूछताछ करत बिया. एह मामिला में नामजद कुख्यात रइस खां समेत कुल सात जने के गिरफ्तारी खातिर कोशिश करत बिया पुलिस बाकिर ओकरा सफलता नइखे मिलत.
  • विदेश जात अपना मरद के विदा करे स्टेशन जाए खातिर अपना भाई साथे मोटरसाइकिल से जात एगो औरत के आंदर ढाला का नियरा सतपोखरिया में एगो स्कार्पियो वाला धक्का मार दिहलसि. भाई के जान बाँच गइल बाकिर ओह औरत के मौत ओहिजे हो गइल.
  • सिवान के डीएवी कालेज का लगे के पंच मंदिरा दुर्गा मंदिर में दुर्गा जी के मूर्ति पर से जेवर चोरा के भागत एगो चोर के लोग चहेट के ध लिहलसि आ बढ़िया से पिटाई कइला का बाद पुलिस के सँउप दीहल.
  • भोजपुर जिला के संदेश अंचल के सीओ अनिल कुमार सिन्हा दू गो मुखिया लोग का खिलाफ अपना साथे मारपीट करे आ सरकारी काम में बाधा डाले के मुकदमा दर्ज करवले बाड़न.
  • रोहतास जिला के डेहरी-आन-सोन में क्रशर चलाए वालन के हिम्मत अतना बढ़ गइल बा कि मंगल का दिने डम्पर रोके वाला सिपाहियन के डम्परे चढ़ा के मार देबे के कोशिश कइलन स. बाकिर असफल रहला का बाद डंपर छोड़ के भाग निकललन स. पुलिस एह मामिला मे तीन गो डंपर जब्त कइले बिया. तीनो पर गिट्टी लदाइल बा.
  • कैमूर जिला मे लागल नियोजन सह मार्ग दर्शन मेला 2015 में कुल 707 बेरोजगारन के नौकरी देबे खातिर चुन लिहले 14 गो कंपनियन के अधिकारी. मेला टाउन हाई स्कूल परिसर में लगावल गइल रहुवे.
  • बक्सर टीसन के बुकिंग काउंटर पर मंगल का दुपहरिया विजलेंस के छापा पड़ल बाकिर काम लाएक कवनो बात पकड़ में ना आइल.
  • मोतिहारी – तुरकौलिया रोड पर बैरिया बाजार का नियरा एगो कमांडर जीप से कचरा के आठ बरीस के एगो लड़िकी के मौत हो गइल. बच्ची फतेह टोला के रहुवे. भागत जीप के ड्राइवर के लोग चहेट के पकड़ लीहल आ पुलिस के सँउप दीहल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up