सगरी खबर भोजपुरी में (बुध, 24 जून 2015)

by | Jun 25, 2015 | 0 comments

  • सुने में आवत बा कि आयकर विभाग कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी आ उपाध्यक्ष राहुल गांधी के नोटिस भेजे वाला बा. ओकरा पता लागल बा कि नेशनल हेराल्ड अखबार के संपत्ति हथिया लिहला का बाद एह लोग के नाहियो त 1,300 करोड़ रुपिया के आमदनी भइल बा. जान जाईं कि हजारन करोड़ के ई संपत्ति हथियावे खातिर महतारी बेटा महज पचास लाख रुपिया लगवलें आ कुछ रुपिया कांग्रेस पार्टी से उधार मांग के नेशनल हेराल्ड खरीद लिहलें. बाद में कांग्रेस पार्टी एह करजा के डूबल करजा मान लिहलसि कि ई लवटे वाला नइखे बाकिर कवनो कांग्रेसी एह लूट आ पार्टी संगे भइल धोखाधड़ी का खिलाफ आवाज ना उठवलें.
  • ललित मोदी प्रकरण में एगो दस्तावेज सामने आइल बा जवना पर राजस्‍थान के मुख्‍यमंत्री वसुंधरा राजे के हस्‍ताक्षर देखावल गइल बा. अबहीं ई तय नइखे कि दस्तखत असली ह कि फोटोशाप कइल गइल बा बाकिर कांग्रेस वसुन्धरा के इस्तीफा मांगत भाजपा पर दबाव बढ़ा दिहले बिया कि हमेशा पारदर्शिता आ जवाबदेही के बात करे वाला पीएम मोदी के वसुन्धरा के इस्तीफा मांगे के चाहीं.
  • दिल्‍ली की एगो अदालत केन्‍द्रीय मानव संसाधन विकास मंत्री स्‍मृति ईरानी के खिलाफ दायर ओह याचिका के सुनवाइ करे जोग मान लिहलसि जवना में कहल गइल बा कि स्मृति ईरानी चुनाव आयोग में जमा कइल अपना शपथ पत्र में अपना शैक्षणिक योग्‍यता का बारे में गलत जानकारी दिहले बाड़ी. याचिका अहमर खान नाम के एगो आदमी जमा कइले बा.
  • एह बीच गृहमंत्री राजनाथ सिंह फेरू कहलन कि एनडीए के कार्यकाल में कवनो मंत्री इस्तीफा ना दीहि.
  • मालगाड़ियने के चले खातिर अलग से बनावल जाए वाला रेल गलियारन के बिछावे खातिर केन्द्रीय मंत्रिमंडल के पूर्वी आ पछिमी गलियारन खातिर 81 हजार चार सौ 59 करोड़ रूपिया के सुधारल लागत के मंजूरी दे दिहलसि. एहमें जमीन के दाम आ वित्‍तीय योजना दुनू शामिल बा. एह गलियारन के बन गइला का बाद मालगाड़ियन के परिचालन में बहुते तेजी आ जाई. ई गलियारा पंजाब, हरियाणा, उत्‍तर प्रदेश, बिहार, झारखंड, पश्चिम बंगाल, महाराष्‍ट्र, गुजरात अउर राजस्‍थान से गुजरिहें सँ.
  • देश में छह गो नया आई आई एम खोले के मंजूरी केन्द्र सरकार दे दिहलसि. ई संस्‍थान विशाखापटनम, बोध गया, सिरमौर, नागपुर, सम्‍बलपुर अउर अमृतसर में खोलल जाई.
  • केन्‍द्रीय मंत्रिमंडल जयप्रकाश नारायण के यादगार बनवले राखे खातिर उनकर जनम स्थान बिहार के सिताब दियारा में एगो राष्‍ट्रीय स्‍मारक आ संग्रहालय स्‍थापित करे के फैसला लिहले बिया. देश में चालीस बरीस पहिले तब के पीएम इन्दिरा गाँधी के लगावल इमरजेन्सी के विरोध के अगुअई कइले रहुवीं जेपी.
  • संसद के मानसून सत्र अगिला महीना 21 जुलाई से शुरू होखे वाला बा. संसदीय मामिला पर बनल मंत्रिमंडलीय समिति बुध का दिने राष्‍ट्रपति प्रणब मुखर्जी से एह बात के निहोरा भेज दिहले बिया. संसद के सत्र राष्ट्रपतिए बोलावेलें.
  • ग्रीस के लीहल करजा ना चुका पवला के चलते उपजल समस्या के समाधान ना निकलला के खबर सुनते नउवों दिने तेजी से बढ़त देश के शेयर बाजार आखिरी घंटा में भहरा गइली सँ आ सेंसेक्‍स 75 नीचे आ निफ्टी 21 अंक नीचे गिर के बंद भइल.
  • उत्‍तराखंड में बुध का दिने मानसून चहुँप गइल आ हिमाचल प्रदेश, जम्मू-कश्मीर, उत्तर प्रदेश आ पंजाब के कुछ और हिस्सों, हरियाणा, चंडीगढ़, दिल्ली अउर राजस्थान में आगे बढ़ल जात बा,
  • आपन पहिला दुनू एक दिना हरला का बाद ढाका के मीरपुर में होखत तिसरका एकदिना में भारत बांगला देश के 318 रन के निशान दिहलसि जीत खातिर पार करे के. बाकिर बंगला देश टीम एह निशान ले चहुंप ना पावल आ 77 रन से हार गइल. बहुत मुश्किल से एगो मैच जीतेवाला भारत सीरीज त गवां दिहलसि बाकिर व्हाइट वाश होखे से बचा लिहलसि अपना के.
  • बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार चुनाव के मद्दे नजर बिहार खातिर खास दर्जा मांगत आ अधिका आर्थिक सहायता देबे के मांग दोहरावत एगो चिट्ठी पीएम मोदी का लगे भेजले बाड़न.
  • मंगल के रात बिहार भाजपा के नेता आ बिहार के उपमुख्यमंत्री रहल सुशीलो मादी मान लिहलें कि बिहार विधानसभा के चुनाव नरेन्द्र मोदी के सामने राख के लड़ल जाई.कहलन कि बिहार के विधान परिषद चुनाव का बाद भाजपा के संसदीय बोर्ड आ राजग के बइठक में एह बारे में आखिरी फैसला ले लीहल जाई.
  • खुफिया अधिकारी आरएनपी सिंह के लिखल एगो नया किताब ‘नेहरूः अ ट्रबल्ड लीगेसी’ में दावा कइल गइल बा कि देश के पहिलका पीएम जवाहरलाल नेहरू ना चाहत रहलन कि राजेंद्र प्रसाद के देश के पहिलका राष्ट्रपति बनावल जाए आ एह खातिर ऊ झूठो बोले से ना हिचकिचइले. अलग बात कि एह झूठा नेहरू के तमाम कोशिश का बादो राजेन्द्र बाबू राष्ट्रपति बनबे कइलीं.
  • बिहार के आरा जिला के अदालत में पिछला 23 जनवरी के भइल विस्फोट के असली दोषी 25 बरीस उमिर के सचिदानंद शर्मा ऊर्फ लंबू शर्मा के दिल्ली के अंतर्राज्यीय बस टर्मिनस से मंगल के साँझ गिरफ्तार कर लीहल गइल बा. एह विस्फोट में दू आदमी के मौत भइल रहुवे आ 16 लोग घवाहिल भइल रहे.
  • बिहार के जदयू विधायक अनंत सिंह के अपहरण आ खून करे का आरोप में गिरफ्तार कर लीहल गइल बा. अनंत सिंह के घर के तलाशी में कुछ असलहा कारतूस आ कपड़ा बरामदी का बाद गिरफ्तारी भइल. उनका पर बाढ़ के चार गो नवहियन के अपहरण आ ओहमें से एगो के मार डाले के आरोप बा. पाँच गो अउरिओ आरोपियन के हिरासत में लीहल गइल बा.
  • आजमगढ़ के मेंहनगर इलाका के नई गांव में बिआहल एगो लड़िकी के आपन मरद पसन्द ना रहुवे आ एह चलते नइहर अइला का बाद से ऊ ससुरा लवटे के तइयार ना होत रहुवे. बाकिर ओकर महतारी ओकरा के केहु तरह समझा बुझा आ दबा के ससुरा पहुँचा अइली. ओकरा कुछे दिन का बाद पिळचा मंगल के रात ऊ आपन कोठरी बंद क के अपना दूध पियत बेटी संगे आग लगा के जर मरल.
  • बलिया के बिल्थरारोड के सड़क पर बाजार मोड़ का लगे बोलेरो से धक्का लगला का बाद मोटरसाइकिल सवार पचास बरीस उमिर के कटौड़ा के एगो आदमी के मौत हो गइल. धक्का मार के बोलेराो वाला भाग निकलल.
  • देवरिया कोतवाली का नियरा एगो अधिवक्ता के जमीन पर पुलिस दोसरा आदमी के जबरिया कब्जा दिआ दिहलसि जवना का बाद दू दिन से अधिवक्ता लोग तहसील के मेन गेट पर ताला लगा के विरोध जतावत बाड़े.
  • गाजीपुर शहर इलाका के भुतहियाटांड रेलवे क्रासिंग से कुछे दूर आगे सोमार के रात एगो नवही ट्रेन के आगा कूद के आपन जान दे दिहलसि. मरेावाला गोराबाजार के त्रिभुवन सिंह के इकलौता बेटा रहुवे.
  • गोरखपुर के एगो ठेकेदार के अपहरण करे, फिरौती मांगे आ मारपीट करे के आरोप में फरार घोषित अमन मणि त्रिपाठी, जे मंत्री रहल अमर मणि त्रिपाठी के बेटा हवे, का डेरा पर मंगल का दिने कुर्की के नोटिस साट दीहल गइल बाकिर तनिके देर में ओह नोटिस के फाड़ फेंकल गइल आ दिवालो साफ क दीहल गइल,
  • गोरखपुर के बेतियाहाता कैंट से एगो नर्सिगहोम संचालक के क्वालिस गाड़ी लूट के भागत दू गो बदमाशन के पुलिस बरगदवां में ध लिहलसि. ओकनी के दू गो अउरी साथी पुलिस के पकड़ से बाहर बाड़े.
  • जौनपुर जिला के बदलापुर इलाका के पीली नदी सेतु शाहपुर का नीचे मंगल का भोर में एगो अधेड़ के लाश मिलल जवना के जान गरदन दबा के लीहल लागत बा. औकर पहचान साबित नइखे भइल.
  • मुख्यमंत्री अखिलेश यादव बुध का दिने आइआइटी प्रवेश परीक्षा में सफल गरीब मेधावियन के एक एक लाख रुपिया, आ लैपटाप दिहलन आ पढ़ाई के पूरा खरचा उठावे के वादा कइलन.
  • बक्सर के पुरनका भोजपुर-बिक्रमगंज मुख्य मार्ग पर बिजली आफिस का लगे बुध के दुपहरिया में एगो वाहन एगो छोट बच्चा के कचार दिहलसि. ओकर मौत ओहिजे हो गइल आ बाइक वाला आपन बाइक छोड़ के भाग निकलल.
  • सासाराम नगर के प्रतापगंज मुहल्ला में सोमार के रात खाना बनावत घरी गैस सिलेंडर फटला का चलते घर के सामान जर गइल. संजोग से केहू घवाहिल ना भइल.
  • सारन जिला के दाउदपुर में आपसी झगड़ा का बाद भइल छूरे बाजी में छूट्टी पर आइल एगो सीआरपीएफ जवान घवाहिल हो गइल रहे. ओकर खराब हाल देख के ओकरा के पटना रेफर क दीहल रहे जहवां आखिर में मौत हो गइल.
  • सिवान जिला के श्रीनगर गंडक कालोनी का सोझा मंगल के साँझ भइल सड़क हादसा में डंफर के टकरइला का बाद एगो मोटरसाइकिल चलावे वाला के मौत हो गइल.
  • गोपालगंज जिला के जादोपुर इलाका के बंगरी गांव के एगो बुढ़ मेहरारू पूजा करे खातिर निकलल रहुवे बाकिर एगो मोटरसाइकिल से धक्का लगला का चलते ओकर मौत हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up