सगरी खबर भोजपुरी में (मंगल 14 जुलाई 2015)

by | Jul 14, 2015 | 0 comments

  • भोजपुरी का संगे हिन्दी वालन के धोखा कइल अबहियों जारी बा आ एकरा के एकर मान्यता देबे के सवाल पर विचार करे वाली कमिटी के रपट में कहल गइल बा कि भोजपुरी 8वीं अनुसूची में शामिल होखे के योग्यता नइखे राखत. अबहीं एह रपट पर सरकार के कवनो फैसला नइखे आइल बाकिर अबहीं ले जइसन होखत आइल बा ओहसे पूरा अनेसा बा कि सरकार एह रपट के जस का तस मान ली. बस एकर फैसला बिहार चुनाव का बाद करी.
  • क्रिकेट में सट्टेबाजी का मामिला में सुप्रीम कोर्ट के बनावल कमिटी आज आपन फैसला सुना दिहलसि. एकरा में महेंद्र सिंह धौनी के टीम चेन्नई सुपरकिंग्स आ राजस्थान रॉयल्स के अगिला दू साल ले आईपीएल से बाहर क दिहल गइल बा आ सट्टेबाजी के दोषी गुरुनाथ मयप्पन आ राज कुंद्रा पर भर जिनिगी के रोक लगा दीहल गइल बा. अब ई लोग क्रिकेट के कवनो कार्यक्रम से ना जुड़ पाई.
  • रूस का उफा में भारत के पीएम का साथे पाकिस्तानी पीएम के बातचीत का बाद जारी बयान में कश्मीर समस्या के जिक्र ना रहला का विरोध में कट्टरपंथी अलगाववादी नेता सैयद अली शाह गिलानी पाकिस्तानी उच्चायुक्त के बोलावल ईद मिलन समारोह में 21 जुलाई के शामिल ना होखीहें.
  • मंगल का दिने दुनिया के सबले बड़हन धार्मिक मेला सिंहस्‍थ कुंभ महाराष्‍ट्र के नासिक आ त्रयम्‍बकेश्‍वर में ध्‍वजारोहण समारोह का साथे शुरू हो गइल. एह ध्वजारोहण का बाद नौसेना के हवाई जहाज से श्रद्धालुअन पर फूल बरसावल गइल. एह समारोह के शुरुआत त्रयम्‍बकेश्‍वर में गृहमंत्री राजनाथ सिंह आ नासिक में मुख्‍यमंत्री देवेन्‍द्र फडणवीस कइलन.
  • पिछला साल के मुकाबले एह साल प्रत्‍यक्ष विदेशी निवेश में बहुते बढ़ोतरी भइल बा. एहसे पता चलत बा कि दुनिया भर के निवेशकन में भारत के भाव कतना बढ़ गइल बा.
  • ईरान आ दुनिया के छह गो बड़का ताकतन का बीच मंगल का दिने भइल परमाणु समझौता के भारत आ अमरीका स्वागत कइले बाड़े. अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा त इहाँ ले कह दिहलन कि अगर अमेरिकी संसद एहमें बाधा बने के कोशिश करी त ऊ वीटो क दीहन. ओने एह समझौता का बाद दुनिया के तेल बाजार में कच्चा तेल के दाम में हर बैरल पर एक डालर से अधिका के गिरावट आइल बा.
  • बम्बई शेयर बाजार में आजु सुस्ती छवले रहल आ सेंसेक्स 28 अंक नीचे आ निफ्टी 6 अंक नीचे गिर के बंद भइल.
  • भारत मंगल का दिने जिम्बाब्वे के तिसरका आ आखिरी एकदिना क्रिकेट में 83 रन से हरा के सीरीज जीत लिहलसि. अब दुनू देश का बीच 17 जुलाई आ 19 जुलाई के बीसबीस मैच खेलल जाई.
  • मीडिया के भाजपा विरोधी एजेंडा के नमूना देखल जा सकेला अमित शाह के बयान का बारे में. कुछ मीडिया वाले अनर्गल प्रलाप करत बाड़े कि अमित शाह कहलन कि ‘अच्छा दिन’ के वादा पूरा करे खातिर 25 साल लागी. जबकी अमित शाह के बयान में ई बाते ना रहुवे. ऊ कहले रहन कि दुनिया के सबले महान देश बनावे में आ एकर पुरान गौरव वापिस ले आवे में 25 साल लाग सकेला.
  • बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार चाहत बाड़न कि दिल्ली के पूरा राज्य के दर्जा मिल जाव आ एकरा खातिर ऊ केजरीवाल के समर्थन कइले बाड़न.
  • आजु मंगल का दिने तेलंगाना के गोदावरी पुष्कर मेला में बदइन्तजामी का चलते मचल भगदड़ से नाहियो त 27 लोग के मौत हो गइल आ 60 लोग घवाहिल हो गइल. एह हादसा पर राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी आ पीएम नरेन्द्र मोदी दुख जतवले बाड़े.
  • बिहार चुनाव खातिर चीनो में भरपूर तइयारी चलत बा आ ओकर ‏इरादा बा एह चुनाव मे 1000 करोड़ के धंधा क लेबे के. असल में सस्ता चुनाव सामग्री खातिर चीनी सामान ले बढ़िया कुछ ना भेंटाव.
  • बिहार के मंत्री रहल बीना शाही के पेट्रोल पंप से मंगल का भोर में कुछ बदमाश करीब पौने पाँच लाख रुपिया लूट ले गइलें. ई वैशाली जिला के भगवानपुर थाना में पड़ेला.
  • बिहार में विधानसभा के त यूपी में पंचायत चुनाव के बोखार आपन ताव देखावल शुरू कर दिहले बावे. पंचायत चुनाव से राजनीतिक गोल आपन ताकत आजमावेलें आ ओहिजे से गोल के गोलबन्दिओ शुरू होखल करेला. बिहार में गठबन्हन के सहारे वैतरणी पार करे के इरादा राखे वाली भाजपा यूपी में अकेलही लड़े वाली बिया. एहिजा ओकरा दोसरा कवनो गोल के खास जरूरत नइखे बुझात.
  • यूपी पुलिस सोशल मीडिया सर्विलांस लैब बनाई आ एकरा जरिए फेसबुक आ ट्विटर जइसन सोशल साइटन पर नजर राखल जाई. एकर रपट रोजाना मुख्यमंत्री किहाँ भेजल जाई जवना का बाद जरूरी टिप्पणियन पर कार्रवाई करे भा ना करे के फैसला लीहल जाई.
  • भाजपा के बोलतुआ आ राज्यसभा सांसद एम.जे. अकबर आजु कहलन कि यूपी में कानून व्यवस्था के हाल ठीक नइखे आ ई बड़हन आई.पी.एस. अधिकारी अमिताभ ठाकुर के निलम्बन से साफ हो गइल बा. एह बीच एगो रपट छपल बा कि अमिताभ ठाकुर के सुपारी पूर्वांचल आ पश्चिमी यूपी के बाहुबलियन के दे दीहल गइल बा जे उनकर ‘व्यापम’ करे के योजना बनावे में लाग गइल बाड़े.
  • पूर्वांचल में दिमागी बुखार के सीजन फेरू शुरु हो गइल बा. पिछला दिने एह बीमारी से 3 गो मरीजन का बाद एहसे मरे वालन के गिनिती एह साल 74 हो गइल बा. एह साल जनवरी से एह बीमारी के 274 मरीज गोरखपुर मेडिकल काॅलेज अस्पताल में भरती करावल गइलन.
  • सु्प्रीम कोर्ट आजु जदयू के चार गो बागी विधायकन के विधायकी फेरू बहाल कर दिहलसि. हाई कोर्ट का फैसला पर रोक लगा दीहल गइल बा. अब विधानसभा के मानसून सत्र में ज्ञानेंद्र सिंह ज्ञानू, रविंद्र राय, राहुल शर्मा आ नीरज कुमार बबलू के शामिल होखे के राह साफ हो गइल बा.
  • बिहार के निचला अदालतन में भठियरपन पर निगरानी राखे खातिर निगरानी जाँच के अनुमति देबे के मांग करत वकील लोग काम रोके के एलान कइले बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up