सगरी खबर भोजपुरी में (मंगल, 16 जून 2015)

by | Jun 16, 2015 | 0 comments

  • दू दिन से कुछ मीडिया पर सुषमा स्वराज के इस्तीफा माँगत अभियान चलावल जात बा. एही अभियान का सहारे कांग्रेसो आपन बचल खुचल ताकत जोड़ दिहले बिया. सुषमा पर आरोप बा कि लंदन में रहल ललित मोदी के इंगलैंड से यात्रा के कागजात हासिल करे में सहयता चहुँपवली जबकि ललित मोदी का खिलाफ इडी के मुकदमा चलत बा. बतावल जात बा कि मीडिया के एह तरह के हरकत के अनेसा देखत सुषमा आपन इस्तीफा देबे के पेशकश कुछ दिन पहिले कइले रहुवे बाकिर संघ के दखल का बाद उनकर पेशकश ना मानल गइल. एह मामिला में सुषमा कवनो गलत काम नइखी कइले. ऊ महज अतने कहली कि अगर इंगलैंड के कानून इजाजत देत होखे त ऊ ललित मोदी के कागजात दे सकेला. पिछला कांग्रेसी सरकार का दौरान इंगलैड से कहल रहुवे कि ललित मोदी के सुविधा दिहला से भारत इंगलैंड के संबंध खराब हो सकेला. दोसरा तरफ से सुने में आवत बा कि सुषमा स्वराज अपना इस्तीफा के कवनो पेशकश ना कइले रहुवी काहे कि ऊ कवनो गलत काम कइलही नइखी.
  • एह बीच कांग्रेस जिद ठान लिहले बिया कि सुषमा से इस्तीफा लेइए के दम ली. असल में ओकरा बहुते दिन से मुद्दा के तलाश रहुवे जवन अचके में बिलाई का भागे सिकहर टूटल वाला अंदाज में भेंटा गइल बा. एह काम में कुछ अउरिओ दल शामिल हो गइल बाड़े बाकिर समाजवादी पार्टी के साफ पल्ला झाड़ लिहला का बाद सेकूलर एकता में दरार लउक गइल बा.
  • मीडिया के दोगलापंथी के नायाब नमूना में यूपी के मंत्री आजम खान के बयान कि ‘बदबू योग से ना आवे योगी से आवत बा’ के बाकायदा एह तरह से पेश कइल जात बा कि ऊ योगी आदित्यनाथ खातिर कहलन. दोसरा तरफ भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष लक्ष्मी कांत बाजपेयी के बयान कि ‘अगर आजम खान के योगी से बदबू आवत बा त हमरो उलेमा लोग से बदबू आवेला’. बाजपेयी के एह बयान के तूड़ताड़ के पेश कइल जात बा कि कहलन कि ‘उलेमन से बदबू आवेला!’ वाह रे दोगली मीडिया आ तोहार दोगलई.
  • बम्‍बई शेयर बाजार में आजुओ बिकवाली के दबाव लउकल बाकिर बाजार आखिर में बढ़त ले के बंद भइल. सेंसेक्स में करीब 100 अंक आ निफ्टी में 33 अंक के बढ़त दर्ज भइल बा. ग्रीस का तरफ से कर्जा चुकावे में कमजोरी देखत एशियो के बाजार सहमल बाड़ी सँ.
  • काल्हु आकाशवाणी के एगो कार्यक्रम में केन्द्र सरकार के पर्यटन नागरिक उड्डुयन आ संस्कृति राज्य मंत्री डा. महेश शर्मा कहलन कि सरकार भगवान राम के जन्म, जीवन आ रामायण से जुड़ल जगहन के रामायण सर्किट के तहत विकसित करी. एह काम ला 120 करोड़ रुपिया खरच करे के योजना बनावल गइल बा. कहलन कि पटना हवाई अड्डा पर दबाव कम करे खातिर दरभंगा हवाई अड्डा के विकसित करे के योजना सोचात बा. दिल्लीओ में एगो अउर हवाई अड्डा बनावे के जरूरत लागे लागल बा.
  • सूखा के अनेसा का चरचा का बीच देश में एह महीना सामान्य का तुलना में तेरह फीसदी अधिका बरखा भइल बा. दक्षिण-पश्चिम मॉनसून अरूणाचल प्रदेश, पश्चिम बंगाल के गांगेय क्षेत्र, ओडिशा, कोंकण, गोआ, विदर्भ आ तेलंगाना में सक्रिय हो गइल बा. झारखण्‍ड आ बिहारो में मानसून के अनुकूल माहौल बने लागल बा.
  • बंगला देश के सुप्रीमकोर्ट जमाते-इस्‍लामी नेता अली अहसान मोहम्‍मद मुजाहिद के मौत के सजा बरकरार राख दिहले बावे. एह फैसला का खिलाफ ओहिजा के जमाते-इस्‍लामी पार्टी बुध का दिने हड़ताल के गोहार कइले बिया.
  • आजु मंगल का दिने इलाहाबाद के नैनी इलाका में एगो लड़ाकू जगुआर विमान गिर गइल जवना से दू गो में से एगो पायलट जख्मी हो गइले. संजोग से विमान गिरला से कवनो आदमी के मौत ना भइल काहे कि जवना इलाका में गिरल ओहिजा रिहाइश ना रहुवे.
  • विदेश मंत्री सुषमा स्वराज आज मंगल का दिने सिक्किम में नाथुला दर्रा के नयका राह से जाए वाला श्रद्धालुअन के पहिलका जत्था के रवाना करवली ओम नम: शिवाय कहत आपन संबोधन शुरु करे वाली सुषमा कहली कि पीएम मोदी के कोशिश का चलते चीन एह यात्रा खातिर एगो अउरी सुगम राह खोल दिहलसि जवना से अब लोग बहुते आराम से मानसरोवर के यात्रा कर सकेला.
  • छतीसगढ़ में आदिवासी इलाका में पदयात्रा पर निकलल कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गाँधी के काफिला में शामिल दू गो गाड़ी अपने में टकरा गइली सँ. संजोग से एहमें केहू के जान ना गइल. एगो सिपाही एह हादसा में घवाहिल जरूर हो गइल बा.
  • भाजपा का तरफ से साफ क दीहल गइल बा कि बिहार विधानसभा चुनाव से पहिले नेता के नाम के एलान ना होखी. बिहारो में हरियाणा महाराष्ट्र का तरह नरेन्द्र मोदी का नाम पर लड़ी एनडीए. जंगल राज के वापसी ना होखो आ जहर राज खतम जाव एह खातिर हर गोल के स्वागत करे ला तइयार बिया भाजपा. इहो बतावल जात बा कि भाजपा का तरफ से अबकी मुसलमानो उमेदवार उतारल जइहें. वइसहू अब मुस्लिम समाज के भाजपा से पहिले जइसन नाराजगी नइखे रहि गइल.
  • सोमार मंगल के बीच अधरतिया से पेट्रोल साठ पइसा महँग हो गइल जबकि डीजल के दाम में 1 रुपिया 35 पइसा के कमी क दीहल गइल.
  • बलिया के एगो निजी अस्पताल में भइल दुराचार का मामिला में न्यायायिक हिरासत में बंद डाक्टर के पत्नी औरतन के एगो जुुलूस ले के बलिया समाहरणालय आ जेल का सोझा प्रदर्शन कइली. प्रतिनिधि मंडल ले के जिलाधिकारी से भेंट क के कहली कि डाक्टर के राजनीतिक साजिश का चलते फँसावल गइल बा जबकि ऊ खुदे आरोपी कर्मचारी के पकड़ के पुलिस के सँउपले रहलें. कहली कि न्याय के तकाजा बा कि डाक्टर आ आरोपी लड़िकी दुनू के नार्को टेस्ट करवा के सचाई के पता लगावल जाव.
  • बिजली के किल्लत से परेशान बलिया के लोग का खिलाफ प्रशासन मुकदमा दर्ज करा दिहले बिया काहे कि ई लोग बिजली किल्लत के खिलाफ सड़क जाम कइले रहुवे. सोमार का दिने एह मुद्दा पर छात्र नेता शहीद पार्क में अनशन पर बइठले आ एह मामिला में आरपार के लड़ाई लड़े के एलान कइले.
  • यूपी के इंजीनियरिंग आ मैनेजमेंट कालेजन में दाखिला खातिर यूपीटीयू के काउन्सलिंग आजु मंगल का दिन से शुरु हो गइल बा.
  • मऊ के डाक्टर मधेसिया से बीस लाख रुपिया रंगदारी मांगे का मामिला में पुलिस दोहरीघाट बस स्टैंड का लगे से एगो नवही के गिरफ्तार कर लिहलसि जेकरा फोन से रंगदारी मांगल गइल रहुवे. ओकर भाई जेल मे बंद बा आ ओही जेल में श्यामबाबू पासीओ बंद बा. महाराजगंज अदालत में पेशी पर आइल ओकरा भाई आ एगो अउर कैदी में से कैदी ओकरा फोन से एगो फोन करे के बात कहलसि आ ओकर फोन ले के कतहीं बात कइलसि.
  • जौनपुर के सिकरारा इलाका के भीलमपुर मोड़ का लगे एगो ट्रक से धक्का लगला का बाद मोटरसाईकिल पर सवार तीन गो नवही ट्रक का चक्का का नीचे आ गइले आ कचरा के ओहिजे ओह में से दू जने के मौत हो गइल. तिसरका के खराब हाल में बीएचयू रेफर क दीहल गइल बा.
  • आठ दिन से सारण जिला के अवतार नगर इलाका के फकुली गाँव से गायब इंटर छात्रा सोमार का दिने बेहोशी का हालत मे सड़क किनारे फेंकल मिलल. होश में अइला पर बतवलसि कि अपना विकलांग महतारी खातिर दवाई लेबे गाँवे का दुकान जात रहुवे जब गाँवे के एगो लड़िका ओकरा के उठा लिहलसि आ तीन ले अपना कोठरी में बंद के के रखलसि आ अपना तीन गो अउरी साथियन संगे ओकरा से दुराचारो कइलसि. बाद में जब बात खुले के डर भइल त ओकरा आँख पर पट्टी बान्ह के कहीं अउर भेज दिहलसि आ ओहिजो तीन दिन ले ओकरा साथे दुराचार भइल. आ अब ओकरा के फेंक के चल गइले सँ. पुलिस मामिला के तहकीकात करत बिया. अपहरण करे वाला फरार बावे.
  • बार बार कहला का बावजूद आपन हथियार ना खरीदे वाला लोग के लाइसेस छपरा जिलाधिकारी रद्द कर दिहले बाड़न. बतावल जात बा कि अइसन 1081 लोग बा जे लाइसेंस त बनवा लिहलें बाकिर आजु ले हथियार ना खरीदले. कुछ लोग कई साल से अपना लाइसेस के रिन्ययओ करावत रहुवे. थाक हार के एह लोग के लाइसेंस रद्द क दीहल गइल.
  • सिवान के तेजाब कांड के चश्मदीद गवाह राजीव रौशन के हत्या का मामिला में राजद सांसद रहल मो. शहाबुद्दीन के जमानत याचिका रद्द क दिहलसि सिवान के एगो अदालत. अब ऊ पटना हाई कोर्ट में अपील करीहें.
  • सिवान जिला के महाराजगंज इलाका के तेवथा गाँव से अतवार दुपहरिया से गायब बूड़ हजाम के लाश सोमार का दिने गांव का बहरी एगो तालाब में मिलल बा. लागत बा कि केहु कवनो धारदार हथियार से ओकर गरदन काट दिहले बा आ ओकरा बाद पोखरा में फेंक दिहलसि.
  • गोपालगंज जिला के कुचायकोट इलाका के मतेया खास गांव के एगो घर में अतवार के रात घुसल चोर के गांव के लोग पीट पीट के मुआ दीहल. पुलिस लाश कब्जा में ले के पोस्टमार्टम करे खातिर भेज दिहले बिया.
  • शुक का दिने आइल आन्ही का चलते जगहे जगहे पोल गिरला का बाद से गोपालगंज जिला के उचकागांव प्रखंड के कई इलाकन में ओही दिन से बिजली गायब बिया.
  • मोतिहारी जिला के हनुमानगढ़ी मोहल्ला में रहे वाला आ रेडीमेड कपड़ा के व्यवसायी पवन कुमार से पाँच लाख रुपिया के रंगदारी मांगल गइल बा आ ना दिहला पर जान से मार देबे के धमकी दीहल गइल बा.
  • मोतिहारी जेल में सोमार का दिने पड़ल छापा में सगरी संवेदनशील वार्ड के तलाशी का दौरान एगो सेल फोन, बैट्री चार्जर, सिमकार्ड आ चार गो घड़ी बरामद भइल बा. पुलिस अब ओह मोबाइल के काल डिटेल निकलवावत बिया.
  • पश्चिमी चंपारण के रामनगर इलाका के सहसराव गाँव का लगे अतवार के साँझ एगो ट्रैक्टर पलट गइल जवना से ओह पर मजदूरी करत नौतनटोला गांव के मजदूर के मौत हो गइल.
  • आरा के जगदीशपुर इलाका में आरा-मोहनियां नेशनल हाइवे पर हाटपोखर गांव का नियरा सोमार साँझ एगो ट्रक आ सफारी गाड़ी के टक्कर से सफारी पर सवार प्रापर्टी डीलर के मौत हो गउवे. मरे वाला जहदीशेपुर के चन्द्र गुप्त सिंह रहलन.
  • भोजपुर जिला में बिजली किल्लत से नाराज परेशान व्यापारी सोमार का दिने संदेश बाजार में आपन दुकान बंद रखले आ आरा-संदेश अउर संदेश-पवना रोड जाम क के आठ घंटा ले विरोध जतवलें.
  • रोहतास जिला के न्यू सिधौली के एगो आदमी पर झारखंड सचिवालय में सहायक आ क्लर्क का तौर पर बहाली करावे के झाँसा देके नाहियो त करीब डेढ़ करोड़ रुपिया के घगी के मुकदमा दर्ज करावल गइल. बीस लोग लिखित में शिकायत कइले बावे.
  • बक्सर जिला के मिश्रवलिया गाँव के एगो मजदूर के मौत बिजली के तार के करंट से हो गइल.
  • बक्सर के जिला नियोजनालय सोमार का दिने आइटीआई मैदान में नियोजन मेला लगवा के करीब एगारह सौ बेरोजगारन के नौकरी दिअवलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up