सगरी खबर भोजपुरी में (मंगल, 30 जून 2015)

by | Jun 30, 2015 | 0 comments

  • यूपी पुलिस अउर कुछ कर सके भा ना बाकिर भईंस, मुर्गी, आ अब कुकुर खोजे में ओकरा महारत हासिल होखत जात बा. आजम खान आ एगो भाजपा विधायक के भईंसन के ‘खोज’ लिहला का बाद ओकरा मुर्गी खोजे के काम मिलल रहुवे आ अब ओकरा जिम्मे कानपुर के एगो आदमी के भुलाइल कुकुर खोजे के काम मिलल बा. अब अतना व्यस्तता में कुछ हत्या आ बलात्कार जइसन छोट मोट अपराध के अनदेखी हो जाव त पुलिस के का दोष?
  • समाजवादी पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष आ यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव राज्य के कानून व्यवस्था के हालत सुधारे खातिर अपना पार्टी के नेता लोग से निहोरा कइले बाड़न कि थाना के राजनीति कइल छोड़ दे लोग. एह काम से राज्य के कानून व्यवस्था आ सपा के छवि दुनू बिगड़त बा.
  • बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार काल्हु कहलन कि नालंदा जिला के एगो स्कूल संचालक के हत्या करे वाला लोगन के बकसल ना जाई आ ओह लोग के सजा दिआवे में कवनो कोर-कसर बाकी ना राखल जाई. बतावल जात बा कि दुनू बचवन के पोस्टमार्टम रिपोर्ट में ओकनी के मौत के कारण पानी में डूबल बतावल गइल बा जबकि भीड़ पिटाई से मौत होखे के अफवाह फैला के स्कूल संचालक के पीट पीट के मुआ दिहलसि आ पुलिस तमाशा देखत आ मीडिया फोटो खींचत रह गइल. बाद में ओह थाना के प्रभारी के निलंबित क दीहल गइल बा.
  • म्यांमार का सीमा पर भारत के 18 गो सैनिक के मारे वाला हमला के साजिश के आरोपी आ नेशनल सोशलिस्‍ट काउंसिल ऑफ नगालैण्‍ड (खापलांग गुट) के एगो बड़का आतंकवादी आ ओकर क्षेत्रीय कमांडर खुमलो अबी अनल के मणिपुर का चंदेल जिला में गिरफ्तार कर लीहल गइल बा.
  • क्रिकेट के प्रीमियर लीग के कमिश्‍नर रहल ललित मोदी के कहना बा कि ई मनी लांड्रिग कबो नइखन कइले आ प्रवर्तन निदेशालय का लगे अइसन कवनो सुबूतो नइखे. प्रवर्तन निदेशालय के चुनौती देत ललित के कहना बा कि ओकरा लगे कवनो सुबूत होखे त देखावे. कहलन कि जब उनका खिलाफ कवनो अदालत में कवनो मुकदमा नइखे त उनुका के भगोड़ा कइसे कहल जात बा.
  • भारत सरकार के वित्‍त सचिव राजीव महर्षि काल्हु सोमार का दिने कहलन कि ग्रीस के करजा विवाद के कवनो सीधा असर भारत पर नइखे पड़ेवाला. अलग बात बा कि एह चलते अगर यूरोजोन में ब्याज बढ़ावल जात बा त कुछ विदेशी निवेश ओह राहे जा सकेला. एहसे भारत खातिर चिन्ता फिकिर करे के कवनो बात नइखे. एह बीच ग्रीस सरकार अपना किहां के बैंकन के बंद करा दिहले बिया आ लोग एटीएम से एक दिन में 65 डालर से अधिका ना निकाल पाई अइसन आदेश जारी क दिहले बिया. ग्रीस सकट का चलते सोमार का दिने एशिया के शेयर बाजार में गिरावट दर्ज भइल. हालांकि एक समय बहुते गिर चुकल भारत के शेयर बाजार बाद में कुछ सम्हर गइल आ सेंसेक्स 167 अंक के गिरावट का साथ आ निफ्टी 63 अंक के गिरावट का साथ बंद भइल.
  • भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड सोमार का दिने ज़िम्बाब्वे दौरा पर जाए वाला भारतीय टीम के घोषणा क दिहलसि. एहमें अजिंक्‍य रहाणे के भारतीय टीम के कप्‍तान बनावल गइल बा आ हरभजन सिंह के वापसी भइल बा.
  • भारत के ज्वाला गुट्टा अउर अश्वनी पोनप्पा के जोड़ी कनाडा में होखत ओपन ग्रां प्री बैडमिंटन टूर्नामेंट के महिला डबल्स खिताब जीत लिहले बिया. एह सीजन में गुट्टा आ पोनप्‍पा के जोड़ी के ई पहिला खिताब ह.
  • सोमार का दिने चीन पहिला बेर आपन हथियार भारत के मीडिया के देखवलसि. भारत के आपन देशी युद्धक टैंक ‘अर्जुन’ के सराहत चीनी सेना के एगो अधिकारी कहलसि कि भारत के हालात देखत ई बहुते नीमन बा.
  • ट्विटर पर हिन्दुस्ताने ना दुनिया भर के लोग अपना बेटी का साथे सेल्फी शेयर करे में लाग गइल बा बाकिर भारत के कुछ दुष्ट मेहरारू भारत के पीएम मोदी का बारे में छिछोरपन देखावत मीडिया के सुर्खी बने का कोशिश में लागल बाड़ी सँ.
  • सोमार का दिने चेन्नई मेट्रो रेल के सेवा के शुरुआत हो गइल. पहिला ट्रेन एगो महिला चालक चलवली आ मुख्यमंत्री जे जयललिता एकरा के आनलाईन झंडी देखा के रवाना करवली.
  • देश के अर्धसैनिक बलन के 10 लाख जवानन खातिर होखे वाला नियमित शारीरिक व्यायाम में योग के अनिवार्य बना दीहल गइल बा. अब इन्तजार कइल जाव सेकूलर कुकुरन के भूंकला के. ओकनी के बस चले त देश से हिन्दूवन के नाम काम धाम सगरी खतम करा दीहें. बाकिर संजोग से एह सरकार के सोझा ऊ बेबस हो गइल बाड़न स.
  • मोतिहारी अदालत में पेशी का दौरान एगो विचाराधीन कैदी सोमार का दिने अपना साथे आइल सिपाही के आँख में मिर्ची पाउडर झोंक के भाग निकलल. पुलिस अधीक्षक पीके मंडल के कहना बा कि लापरवाही बरते वाला सिपाही का खिलाफ कार्रवाई कइल जाई. भागे वाला अपराधी मेदनी टोला के एगो हत्यारा नयाज खान रहुवे.
  • एह साल हज यात्रा पिछला साल का मुकाबले महँग हो गइल बा. एकरा पीछे दुनिया भर में आइल महंगाई के कारण बतावल जात बा. एह साल हज करे वालन के पिछला बरीस का मुकाबले 19 हजार रुपिया अधिका देबे के पड़ी.
  • आजु मंगल का दिन से मऊ-इलाहाबाद सिटी का बीच बरास्ते वाराणसी एगो नया डीएमयू ट्रेन के चलल शुरु हो जाई. एकरा के सादार टीसन पर रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा हरियर झंडी देखा के रवाना करीहें. काल्हु से एकर नियमित चलल शुरु होखी. ई रेलगाड़ी इलाहाबाद सिटी से सबेरे 6:20 बजे रवाना होके दारागंज, झूसी, ज्ञानपुर रोड, माधोसिंह, मंडुआडीह, वाराणसी, औड़िहार होखत दिन के बारह बजे मऊ चहुंपी आ वापसी में मऊ से दुपहरिया 1:15 बजे चलके औड़िहार, वाराणसी, मंडुआडीह, माधोसिंह, ज्ञानपुर रोड, झूसी, दारागंज होखत रात के साढ़े नौ बजे इलाहाबाद सिटी चहुँपल करी. शनिचर का दिने ई रेलगाड़ी ना चली.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up