सगरी खबर भोजपुरी में (बुध, 8 जुलाई 2015)

by | Jul 9, 2015 | 0 comments

  • मध्य एशिया के देशन के यात्रा पर निकलल प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मुलाकात पाकिस्तानी पीएम नवाज शरीफ से उफा में हो सकेला जवन 10 जुलाई के होखे वाला शंघाई सहयोग संगठन (एससीओ) शिखर बैठक से फरका होखी. दुनू जने एह सम्मेलन में शामिल होखे वाला बाड़ें. अलग बात बा कि अबहीं ले एह मुलाकात के आधिकारिक रुप से सकारल नइखे गइल.
  • पटना विश्वविद्यालय के सैदपुर छात्रावास में रहे वाला किशनगंज के छात्र श्याम नारायण के मौत पुलिस के पिटाई का चलते आजु बुध का दिने हो गइला का बाद पटना मे तनाव बढ़ गइल बा. पीएमसीएच में ओकर पोस्टमार्टम होखे वाला बा आ ओहिजा हजारन छात्रन के भीड़ जमा हो गइल बा. ओह छात्र के परिवारवालन से भेंट करे खातिर जीतन राम माँझी आ पप्पू यादव गइल बाड़े. पुलिस के जबरदस्त बंदोबस्त कइले बिया नीतीश सरकार.
  • जो तोको कांटा बुवे ताही बोव तू भाला वाला अन्दाज में केन्द्र के राजग सरकार विपक्ष के वार पर पलटवार करे के योजना बना लिहले बिया. जान जाईं कि कांग्रेस अपना नेता सोनिया गाँधी आ राहुल गाँधी के नाम विवाद में अइला पर सीधे झुठला देत बिया बाकिर भाजपा के नेता लोग का खिलाफ इचिको भर जिक्र अइला पर हमलावर हो जात बिया. अब सरकार के ब्लैकमेल करे के कोशिश में बिया कांग्रेस कि अगर जरूरी विधेयक पास करावे के बा त सुषमा, वसुन्धरा वगैरह लोग के इस्तीपा दिआवे भाजपा.
  • कड़ा सुरक्षा का बीच जदयू के बाहुबली नेता अनंत सिंह के बुध का दिन पटना के अदालत में हाजिर करावल गइल आ बाद में फेरी बेउर जेल भेज दीहल गइल. ओने प्रवर्तन निदेशालय अनंत सिंह के संपति कुर्क करावे का तइयारी में लागल बिया. अदालत अनंत सिंह के 20 जुलाई तक ले जेल भेज दिहले बिया.
  • व्य‌ापम घोटाला से जुड़ल मौतन में से एगो तीन बरीस पहिले भइल नम्रता डामोर के पोस्टमार्टम रिपोर्ट सार्वजनिक हो गइला का बाद अब ओह मौत के जाँच फेरू से नया सिरा से करावे के फैसला लिहले बिया मध्यप्रदेश सरकार. एह बीच व्यापम घोटाला से जुड़ल मौतन के जाँच सीबीआई से करावे के निहोरा हाई कोर्ट खारिज कर दिहलसि. अब मध्यप्रदेश सरकार सुप्रीम कोर्ट का लगे गोहार लगावे के सोचत बिया.
  • आसाराम बापू के खिलाफ यौन उत्पीड़न के मामिला के एगो गवाह आजु अपना पिछला बयान से मुकर गइली आ कहली कि उनुका एह बारे में कवनो जानकारी नइखे. कहली कि ऊ आश्रम में मजदूरी करत रहली आ आश्रम का बारे में उनुका लगे कवनो खास जानकारी नइखे. जान जाईं कि पिछला 2013 से आसाराम बापू जेल में बाड़न आ बेर बेर उनुकर जमानत याचिका खारिज क दीहल जात बा अदालतन से.
  • चीन सरकार के लाख जतन का बावजूद निवेशकन के भरोसा ना लवटला का चलत चीन के शेयर बाजार के ढिमलाईल जारी बा. पिछला डेढ़ महीना में चीन के शेयर ब उपायों के बावजूद चीन के शेयर बाजार में 30 फीसदी के गिरावट आ चुकल बा आ गिरावट के दौर लगातार जारी बा.
  • बुध का दिने मध्यप्रदेश से आइल स्पेशल टास्क फोर्स बिहार के कई जगहा एके साथ छापा मरलसि आ व्यापम घोटाला से जुड़ल अनेके मुन्ना भाईयन के हिरासत में ले लिहलसि. कुछ मुन्ना भाई लोग लुकाइल फिरत बा आ ओह लोग के गिरफ्तारी ला ईनामो घोषित कइल बा.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी मुजफ्फरपुर से बिहार विधानसभा चुनाव खातिर राजग के चुनाव अभियान के श्रीगणेश करीहें. बाकिर अबहीं ले चुनाव सभाके जगहा तय नइखे भइल सिवाय एकरा कि ई मुजफ्फरपुर में होखी. एह चुनाव खातिर भाजपा के नारा बा ‘लालू-नीतीश माने विनाश, भाजपा माने विकास’. विधानसभा चुनाव खातिर भाजपा बिहार में सौ दिन में एक लाख सभा करे के सोचले बिया आ एकरा खातिर 160 गो रथ बनवावल जात बा.
  • भारत आ कज़ाखस्तान का बीच रक्षा, रेलवे, यूरेनियम आपूर्ति, खेल अउर कैदियन के अदला-बदली से जुड़ल पाँच गो समझौता पर दस्तखत हो गइल बा. भारत के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ कज़ाखस्तान के राष्ट्रपति नूरसुल्तान नजरबायेव का मौजूदगी में दुनू देश के प्रतिनिधि एह समझौतन पर दस्तखत कइले. यूरेनियम के आपूर्तिओ के समझौता भइल बा. कजाखस्तान दुनिया के सबले बड़का यूरेनियम उत्पादक देश हवे.
  • बुध का दिने चीन समेत सगरी एशिया के शेयर बाजारन में अलग अलग कारण से गिरावट आइल बाकिर स्बले बड़हन कारण रहल ग्रीस के संकट आ चीन के शेयर बाजार में बिकवालन के बोलबाला. बम्‍बई शेयर बाजार के सेंसेक्स में 484 अंक के आ निफ्टी में 148 अंक के गिरावट दर्ज भइल.
  • पाकिस्‍तान के कहना बा कि ऊ मुम्‍बई हमला के मुख्‍य आरोपी हाफिज सईद के आतंकी संगठन जमात-उद-दावा पर रोक ना लगाई काहे कि ओकरा के कवनो सुबूत नइखे दीहल गइल.
  • यूपी के कई इलाकन में काल्हु से शुरू भइल बरखा के क्रम जारी बा आ मौसम विभाग के कहना बा कि अबहीं दू दिन अउरी जारी रहे के उमेद बा बरखा का चलते कई जगहा नदियन के पानी बढ़े लागल बा. बलिया में घाघरा नदी में पानी खतरा का निशान का तरफ तेजी से बढ़त बावे. सिद्धाथ नगर में राप्ती अउर गोण्डा आ बस्ती में कुआनो नदी बढ़त बिया, इलाहाबाद, मिर्जापुर आ कानपुर में गंगा नदी के पानी बढ़ल जात बा.
  • विश्वविद्यालय अनुदान आयोग का तरफ से दीनदयाल उपाध्याय कौशल केन्द्र योजना का तहत अड़तालिस गो संस्थानन के करीब पौने दू करोड़ के सहायता देबे के एलान भइल बा.
  • देश के प्रधानमंत्री रहल चन्द्रशेखर के आठवां पुण्यतिथि पर बुध का दिने राज्य में अनेके जगहा उनुका के श्रद्धांजलि देबे के कार्यक्रम
    आयोजित कइल गइल. बलिया के चन्द्रशेखर उद्यानो में एगो श्रद्धांजलि सभा करावल गइल.
  • मंगल का दिने बिहार के 24 गो विधानसभा पार्षद के चुनाव शान्ति से पूरा हो गइल. गिनिती के काम शुक का दिने होखेवाला बा.
  • जदयू के बागी विधायक नीरज कुमार बबलू से बुध का दिने पांच लाख रूपिया के रंगदारी मांगल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up