सगरी खबर भोजपुरी में (शनिचर, 27 जून 2015)

by | Jun 27, 2015 | 0 comments

  • पंद्रहवीं विधानसभा के मानसून सत्र आ विधान परिषद के अगिला सत्र शुरु होखे के दिन बढ़ा दीहल गइल बा. पहिले 24 जुलाई से शुरु होखे वाला सत्र अब 3 अगस्त से शुरु होखी आ महज चार दिन खातिर चली. आखिरी दिने अनुपूरक लेखा विवरण पास करावल जाई.
  • यूपी के नयका डीजीपी बने खातिर रेस शुरु हो गइल बा. दू हाली सेवाविस्तार ले चुकल डीजीपी ए.के जैन के फेरू सेवा विस्तार मिले के उमेद ना के बराबर बा एहसे डीजीपी बने का दौड़ में अनेके अधिकारी शामिल हो गइल बाड़न. मौजूदा डीजीपी के गइल तय बा ई एहु से साफ हो गइल जब ऊ मान लिहलन कि यूपी के पुलिसवाले शराबी, जुआरी आ अपराधी हउवें सँ. कहलन कि बैंक सुरक्षा में लगावे से पहिले सिपाहियन के सख्ती से जाँच करवला के जरुरत बा.
  • ललित मोदी विवाद उठावे वाली कांग्रेस के ठकुआ मार दिहले बा जब से ओकरा पता चलल बा कि लंदन में ललित मोदी के मुलाकात सोनिया गाँधी के दामाद राबर्ट वाड्रा आ बेटी प्रियंका वाड्रा से भइल रहुवे. सोशल मीडिया पर त खुले आम कहल जात बा कि सोनिया आ राहुल ललिते मोदी से निहोरा करे गइल बा लोग कि ओह लोग से जुड़ल बातन के खुलासा मत करसु. पता ना ललित मोदी एह लोग के निहोरा सुनीहें कि ना बाकिर कांग्रेसी बोलतुअन भकुआ जरूर गइल बाड़न आ ओह लोग के बुझात नइखे कि सोनिया राहुल प्रियंका राबर्ट के बचाव कइसे कइल जाव.
  • साल 2002 में महज 27 टिकट रोज बेचे वाली आईआरसीटीसी के इस्तेमाल अब अतना बढ़ गइल बा कि रोजाना 7 लाख टिकट बेच लेत बिया. रेलवे के आधा से अधिका टिकट एहिजे बेचात बा आ बढ़त भीड़ से निपटे खातिर अब कंपनी पाँच गो अउरी सर्वर लगावे जात बिया जवना से हर मिनट 14 हजार ले टिकट कट पाई आ एको मिनट के देरी भइल त रउरा तत्काल के टिकट के दर्शनो ना हो पाई.
  • केंद्रीय बिजली मंत्री पीयूष गोयल काल्हु शुक का दिने कहलन कि बिहार में आधा से अधिका बिजली या त चोरा लीहल जाला भा गायब हो जाला. बिहार खातिर लाज के बात होखे के चाहीं कि एहिजा एको यूनिट बिजली बिहार सरकार के बिजलीघर से ना बन पावे आ सगरी बिजली केन्द्र भा दोसरा राज्यन से खरीद के आवेला.
  • पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी मान लिहले बाड़ी कि बंगाल के विकास खातिर उनुका केन्द्र के भाजपा सरकार से मिलिएजुल के काम करे के पड़ी. बाकिर कहली कि कवनो हाल में भूमि अधिग्रहण के मुद्दा पर केन्द्र के समर्थन ना करीहे.
  • शिया धर्म गुरु मौलाना सैयद कल्बे जवाद नकवी शुक का दिने नमाजियन के संबोधित करत कहलन कि सरकार चाहत बिया कि इमामबाड़न के पब्लिक प्लेस मान लीहल जाव आ एकनी के पर्यटन स्थल मान के लोग के घूमे वाली जगह बना दीहल जाव. एही चलते अदालतो से इमामबाड़न के ताला खोले के आदेश हो गइल बा. बाकिर मुसलमान ई होखे ना दीहें.
  • गुजरात के दंगा पीड़ितन के नाम दुनिया भर से चंदा बिटोर के आपन धंधा करे वाली तीस्ता सीतलवाड़ के कंपनी सबरंग कम्युनिकेशन ऐंड पब्लिशिंग प्राइवेट लिमिटेड के खिलाफ सीबीआई जांच करे के सिफारिश हो गइल बा. तीस्ता के सगरी बैंक खाता सील क देबे के कहल गइल बा. निजी कंपनी होखला का बावजूद अमेरिका के एगो भारत आ हिन्दू विरोधी संस्था का तरफ से करीब तीन लाख डालर के सहायता मिलल रहुवे.
  • एक जमाना में कहल जात रहुवे कि रोम ह पोप के आ सहरसा ह गोप के. आज हालत ई बा कि यादव वोट केकरा साथे बावे कहल मुश्किल बा. एह समुदाय के गोप अब के बा बतावल मुश्किल होखला का बावजूद अतना त साफ हो गइल बा कि लालू अब यादवन के नेता नइखन रहि गइल काहें कि आपना पारिवारिक फायदा खातिर ऊ ओह नेता से हाथ मिला लिहले बाड़न जिनका राज में यादवन के सबले अधिका नुकसान झेले के पड़ल. उनकर सगरी सिपहसलार लालू से बिदक के आपन अलगा ठिकाना बना लिहले बाड़ें.
  • दक्षिण-पश्चिम मॉनसून शुक का दिने देश के सगरी हिस्सन ले चहुँप गइल. अब पूरा देश में मानसून सक्रिय हो गइल बा आ सूखा पड़े के अनेसा ना के बराबर हो गइल बा.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी 28 जून के एक दिन खातिर वाराणसी आवे वाला बाड़न आ एह खातिर सुरक्षा इंतजाम एकदम चौकस कर दीहले बिया वाराणसी प्रशासन.
  • अमनौर के जदयू विधायक कृष्ण कुमार मंटू सिंह के खिलाफ शुक का दिने एगो गैरजमानती वारंट जारी हो गइल. मंटू पर आरोप बा कि ऊ पटना जिला के अकिलपुर थाना के बभनांवा के एगो नवही के बोला के अपना घर पर जम के पिटाई कइले रहलें. मामला साल 2011 के हवे.
  • पटना के एगो पेंट व्यापारी के अपहरण करे के मामिला में दिघवारा पुलिस सिवान जिला के बसंतपुर इलाका में छापा मार के मदारपुर गाँव से दू गो आरोपियन के ध ले गइल. एहमामला में चार गो बदमाश पहिलहीं से गिरफ्तार बाड़े.
  • बलिया जिला के सहतवार हल्दी मार्ग के बिना ‘तकनीकि’ स्वीकृति करवले बनवावे वालापाँच गो अधिकारियन के लोक निर्माण मंत्री शिवपाल सिंह यादव के आपरेशन पीडब्लूडी के तहत निलंबित कर दीहल गइल बा. अब बलिया लोक निर्माण विभाग में कवनोप अधिकारी नइखन रह गइल.
  • पहिला बेर कवनो भारतीय बास्केट बाल खिलाड़ी के अमेरिका के एनबीए में खेले खातिर चुनल गइल बा. एह उपलब्धि खातिर देश के खेल समुदाय बास्केटबाल खिलाडी सतनाम सिंह भामरा के बधाई दिहले बावे.
  • केन्द्र सरकार देश का भीतर प्याज के उपलब्‍धता बढ़ावे आ एकरा दाम पर काबू राखे खातिर एकर निर्यात के न्यूनतम दाम प्रति टन 175 डॉलर से बढ़ा के 425 डालर प्रति टन कर दिहले बिया.
  • देश के विदेशी पूंजी भंडार में पिछला 19 जून के पूरा भइल हप्ता में 1.17 अरब डॉलर के बढ़ोतरी भइल बा आ अब भंडार में 355.46 अरब डॉलर हो गइल बा जवन कि 22,645.3 अरब रुपिया के बराबर होला.
  • अपना के अमन के मजहब कहे के दावा करे वाला इस्लाम माने वाला आतंकियन के कहर से काल्हु शुक का दिने दुनिया के तीन गो देश खून से रंगा गइली सँ. फ्रांस, कुवैत अउर ट्यूनीशिया में हमला क के इस्लामी आतंकी नाहियो त 54 लोग के जान ले लिहलें आ सैकड़ो लोग के घवाहिल क दिहलें.
  • इस्लाम माने वाला आतंकी संगठन इस्लामिक स्टेट काल्हु कुर्दिश शहर कोबेन पर हमला क के 146 लोग के कत्ले आम क दिहले. एकनी के नाराजगी एह बात पर रहुवे कि कुर्दिश मिलिशिया इस्लामी जेहादियन के कड़ा चुनौती देत बाड़े सँ.
  • दुनिया के बढ़न्ती के हाल अइसन होखल जात बा कि ईरान के लोग आपने गोद लीहल बेटी से बाकायदा निकाह कर सकेला आ अमेरिका मेंं मरद मरद से भा मेहरारू मेहरारू से बिआह कर सकेलें. अमेरिका में समलैंगिक बिआह के कानूनी मान्यता दे दिहले बिया ओहिजा के सुप्रीम कोर्ट. दुनिया में ई काम करे वाला अमेरिका पहिला देश ना ह. ओकरा से पहिले 20 गो देश में अइसन कानून पहिलहीं से बनल बा.
  • ट्यूनिशिया के शहर सूज़, कुवैत के एगो मस्जिद, आ फ्रांस में लियोन के नियरा के एगो गैस फ़ैक्ट्री पर ई इस्लामी हमला भइल बा.
  • बेल्जियम के एंटवर्प में हॉकी वर्ल्‍ड लीग सेमीफाइनल्‍स के पूल ए में भारत आ पाकिस्तान के मैच दू दू गोल के बरोबरी पर छूटल बा.
  • श्रीलंका के राष्ट्रपति सिरीसेन मैत्रिपाल काल्हु शुक का दिने ओहिजा के संसद भंग करे वाली अधिसूचना पर हस्ताक्षर क दिहले बाड़न आ अब अप्रैल 2016 तक के कार्यकाल वाली संसद के चुनाव आठ महीना पहिलही करा लीहल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up