सगरी खबर भोजपुरी में (शनिचर, 4 जुलाई 2015)

by | Jul 4, 2015 | 0 comments

  • अस्सी बरीस बाद देश में भइल जाति आधारित जनगणना के रिपोर्ट काल्हु शुक का दिने वित्त मंत्री अरुण जेटली ग्रामीण विकास मंत्री चौधरी बीरेन्द्र सिंह के मौजूदगी में जारी कर दिहलें. बाकिर एह रिपोर्ट में जाति के जिकिर नइखे भइल. एह आंकड़न से देश में पसरल गरीबी का बारे में जरूरी जानकारी मिलल बा आ एकरा आधार पर गाँव के ईकाई मानत योजना बनावे में सहुलियत होखी. एह रिपोर्ट से इहो सामने आइल बा कि एक तिहाी ग्रामीण आबादी भूमिहीनन के बा. करीब 30 फीसदी वाली ई आबादी मजूरी क के आपन जिनिगी चलावेलें.
  • शुक का दिने कश्मीर में अली शाह गिलानी के गिरफ्तारी का बाद भइल अलगाववादियन के प्रदर्शन आ ढेलाबाजी से अनेके लोग के घवाहिल होखे के खबर बा. काल्हुए बारामुला जिला में घुसपैठ करे के कोशिश नाकाम करत दूगो घुसपैठियन के मार गिरावल गइल जबकि सेना के एगो जवान शहीद हो गइल.
  • आपन खराब हालत के अनदेखी करत कांग्रेस कवनो ना कवनो बहाने भाजपा के घेरे का कोशिश में लागल बिया. काल्हु ओकरा एगो मौका अउर मिल गइल जब रॉ के प्रमुख रहल ए. एस. दुलत आपन किताब जारी कइले जवना में साल 1999 के कंधार विमान अपहरण आ 2002 के गुजरात दंगा के जिक्र करत भाजपा के दोषी ठहरावे के कोशिश भइल बा. अपहरण मामला में तब के राजनीतिक हालात देखत सरकार के मीडिया पर होखत हमलो देखे के रहे आ बन्हक बनावल लोगन के सकुशल छोड़ावहुं के रहे. तब कांग्रेसो ओह समाधान के हिस्सा रहुवे.
  • केन्द्र सरकार, उड़द, मूंग अउर अरहर दाल के आवश्यक वस्तु अधिनियम के भंडारण सीमा के नियम का भीतर ले आवे के सोचत बिया जवना से एह दालन के बढ़त जमाखोरी आ दाम पर काबू पावल जा सके.
  • सउदी अरब में कमाई करे गइल पाँच गो हिन्दुस्तानियन के तब मौत हो गइल जब एगो ट्रेलर एह लोग के वाहन से टकरा गइल. सगरी मजदूर केरल के रहुवन.
  • ग्रीस संकट का बारे में रिजर्व बैंक के बयान अइला का बाद देश के शेयर बाजार में तनी उत्साह बढ़ल आ शुक का दिने सेंसेक्स 147 अंक चढ़ के आ निफ्टी 40 अंक बढ़ के बंद भइल. रुपिया के दाम डालर का मुकाबले लगातार चउथो दिने मजबूत भइल. काल्हु एक डालर के दाम 63.44 रुपिया रहल.
  • संघ लोक सेवा आयोग सिविल सेवा परीक्षा 2014 के अंतिम परिणाम आजु साँझ के आवे वाला बा. एकरा खातिर भइल इंटरव्यू में 3303 गो अभ्यर्थी शामिल रहलें.
  • सोमार का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी छह देश के यात्रा पर निकले वाला बाड़न आ एह दौरा में ऊ उज़बेकिस्तान, कजाकिस्तान के यात्रा कइला का बाद रूस के उफा जइहें जहाँ उनुका ब्रिक्स शिखर सम्मेलन में शामिल होखे के बा. लवटे का दौरान उनुकर यात्रा तुर्कमेनिस्तान, किर्गिस्तान अउर ताजिकिस्तान होखत आवे के बा.
  • साल के तिसरका ग्रैंड स्‍लैम विम्‍बलडन टेनिस टूर्नामेंट के पुरूष डबल्‍स में रोहन बोपन्‍ना अउर फ्लोरिन मार्जिया के जोड़ी प्री क्‍वार्टर फाइनल में पहुंच गइल बावे. मिक्‍सड डबल्‍स में रोहन बोपन्‍ना आ मारिया जोस मार्टिनेस सान्‍चेज के जोड़ी आ महिला डबल्‍स में सानिया मिर्जा अउर मार्टिना हिगिस के जोड़ी खेले वाली बा.
  • बैंगलुरू में होखत तिसरका महिला एकदिना क्रिकेट में भारत के छह विकेट से हरा के न्‍यूजीलैंड के टीम पांच मैचन के सीरिज में 2-1 के बढत बना लिहलसि.
  • एंटवर्प में वर्ल्‍ड हॉकी लीग सेमीफाइनल्‍स के फाइनल में जगह बनावे खातिर भारत के मुकाबला बेल्जियम से होखे वाला बा. बेल्जियम क्‍वार्टर फाइनल में भारत मलेशिया के हराकर आखिरी चार में आ गइल बा. दोसरका सेमीफाइनल में विश्‍व चैम्पियन ऑस्‍ट्रेलिया के मुकाबला इंग्‍लैंड से होखे वाला बा.
  • केन्द्र सरकार के कहना बा कि जवना लोग के विदेश में राखल करिया धन के जानकारी सरकार के मिल चुकल बा ऊ लोग करिया धन कानून का तहत खुलासा करे के सुविधा के लाभ ना ले पाई. अइसना लोग का खिलाफ पहिलहीं नोटिस जारी कइल जा चुकल बा.
  • फलस्तीन के समर्थन का मुद्दा पर बिना आपन रुख बदलले भारत मानवाधिकार परिषद में इस्राइल के विरोध में ले आवल गइल प्रस्ताव पर वोट ना दिहलसि. कहलस कि जब जब मानवाधिकार परिषद के प्रस्ताव में अंतर्राष्ट्रीय न्यायालय के जिक्र आइल बा भारत अपना के अलग राखत आइल बा. सीरिया आ उत्तर कोरिया आइल प्रस्तावो का समय भारत वोट ना दिहले रहुवे.
  • इंडियन मुजाहिदीन के सरगना रहल खतरनाक आतंकी यासीन भटकल इस्लामी स्टेट का मदद से हैदरबाद जेल से भागे का फिराक में बा. ई बात यासीन भटकल अपना मेहरारू से फोन पर बतियावे का दौरान कहलस.
  • यूपी आ बिहार के आवे वाला चुनाव के धियान में राखत भाजपा शुक का दिने अपना संगठन में कुछ बदलाव कइलसि आ पहिला बेर दोसर पिछड़ी जातियन ला अलग से आपन इकाई बनावे के एलान कइलसि. बिहार प्रभारी भूपेंद्र यादव के सहयोग करे खातिर दू गो सहप्रभारी बनावल गइल. ई लोग ह गुजरात से सांसद सीआर पाटील आ नयी दिल्ली के विधायक रहल पवन शर्मा.
  • यात्रियन के सुविधा खातिर 14 से 31 जुलाई का बीच मंगल आ शुक का दिने नई दिल्ली से बरौनी का बीच नया किराया वाली विशेष ट्रेन चलावल करी जवन ओेने से बरौनी से बुध आ शनिचर के रात चलल करी. एह ट्रेन में कवनो तत्काल कोटा ना होखी आ सगरी सीट आरक्षित होखी. दानापुर से वाराणसी का रास्ते आनंद विहार खातिर चले वाली जनसाधारण एक्सप्रेस में आरक्षित टिकट मिलल शुरु हो गइल बा. अब ई ट्रेन राजेन्द्रर नगर टर्मिनल से ना चल के दानापुर से चलल करी.
  • भोजपुर जिला के उदवन्तनगर थाना क्षेत्र के खजुआता गांव का लगे का एगो पेट्रोल पंप से शुक का दिने करीब डेढ़ लाख रूपये लूट लिहले सँ बदमाश.
  • बिहार विधान सभा चुनाव में वामपंथी दल सगरी 247 सीट से आपन उमीदवार उतारे के सोचत बाड़न. भाकपा, माकपा आ माले के जदयू राजद कांग्रेस वाला महागठबन्हन में लाज बचावे जोग सीट ना मिले के उमेद का चलते ई करे के पड़त बा आ एहसे राजग के फायदा होखे के उमेद बा. हो सकेला कि बसपो सगरी सीट से आपन उमीदवार उतारे.
  • गोपालगंज जिले के उचकागांव थाना के महैचा गांव में शुक का दिने तीन गो लड़िकन के मौत नहात घरी डूबला का चलते हो गइल.
  • कैमूर जिला के मोहनिया इलाका में महाराणा प्रताप महाविद्यालय का लगे शुक का दिने एगो ट्रक के धक्का से मोटरसाईकिल सवार के मौत हो गइल.
  • इमरजेन्सी केस डील करे का फेर में बलिया के पचरूखी इलाका के एगो डाक्टर पर लोग हमला कर दिहलसि जब उनका इलाज का दौरान एगो नवही छात्र के मौत हो गइल. पुलिस ओह डाक्टर के हिरासत में ले लिहले बिया. एही सब का चलते एह घरी डाक्टर लोग इमरजेन्सी केस लेबे के तइयार नइखे होखत आ ओकरा के आगे रेफर कर देत बा.
  • पिछला चार पाँच दिन से बलिया में बिजली के सप्लाई नामे खातिर होखत बा. मुश्किल से पाॅच छह घंटा बिजली मिलत बा आ उहो पाॅच दस मिनट आधा एक घंटा का हिसाब से. कब आई कब जाई एकर कवनो हिसाब नइखे रहि गइल जबकि बलिया शहर के रोजाना सोलह घंटा बिजली देबे के बात कहेले सरकार.
  • बैरिया के लाला टोला में जेपी स्मारक बनावे के समर्थन देत भदोही के सांसद बिरेन्द्र सिंह मस्त कहलन कि एकरा खातिर जेपी ट्रस्ट से जुड़ल रहल लोग केन्द्र सरकार से निवेदन कइले रहुवे. अगर जयप्रकाश नगर के लोग चाहे त ओकरो के जेपीस्मारक के हिस्सा बनावल जा सकेला. एह पर विवाद कइला के कवनो जरूरत नइखे.
  • वाराणसी आ गाजीपुर के शातिर बदमाश रोहित सिंह उर्फ सनी अब पचास हजारी इनाम वाला बदमाश बन गइल बा. पुलिस ओकरा गिरफ्तारी पर पचास हजार रुपिया के इनाम देबे के एलान कइले बिया. वाराणसी के ई पाँचवा पचास हजारी बदमाश हो गइल.
  • महात्मा गाँधी काशी विद्यापीठ से जुड़ल 24 गो काॅलेजन के नकल करावे के दोषी मानत तीन तीन लाख रुपिया के जुर्माना लगावल गइल बा आ एहनी के अगिला तीन बरीस ले परीक्षा केन्द्र बने से रोक दीहल गइल बा. एह केन्द्र पर से परीक्षा देबे वाला पचास हजार छात्रन के भविष्यो दाँव पर लाग गइल बा. काॅलेज वाले जुर्माना देबे ला तइयार बाड़े बशर्ते अगिला साल एह लोग के परीक्षा केन्द्र बना दीहल जाव.
  • अमेरिका के दावा बा कि पिछला महीना 16 जून का दिने भइल हमला में इस्लामी स्टेट के एगो माथ आतंकी के मार गिरावल गइल बा. ई आतंकी इस्लामी स्टेट खातिर हथियार आ धन जुटावे में माहिर रहुवे.
  • बाॅलीवुड आ हिन्दी साहित्यकारन का शह पर फूहड़पन खातिर बदनाम कइल जात भोजपुरी भाषा में देश दुनिया के खबर पढ़ल करीं www.tatkakhabar.com पर.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up