सगरी खबर भोजपुरी में (शनिचर, 11 जुलाई 2015)

by | Jul 11, 2015 | 0 comments

NaMo-in-Turkmenistan-watching-Yoga

  • समाजवादी पार्टी के मुखिया मुलायम सिंह यादव पर यूपी के एगो आईएएस अधिकारी के हड़कावे के आरोप आईएएस अमिताभ ठाकुर के पत्नी लगवले बाड़ी. अपना आरोप के बरियार करत ऊ एगो आडियो क्लिपो जारी कइले बाड़ी जवना में मुलायम सिंह जइसन आवाज में अमिताभ ठाकुर के एगो नेताजी हड़कावत बाड़न. आडियो क्लिप मीडिया में सुनल सुनावल जात बा बाकिर केहू एकर सही होखे के दावा नइखे करत. करियो ना सके आ खास कर के तब जब ओकरा ‘उत्तम’ प्रदेश में रहे के बा त.
  • आसाराम बापू पर लगावल यौन उत्पीड़न मामिला के एगो गवाह कृपाल सिंह पर काल्हु देर रात यूपी के शाहजहांपुर में कुछ बदमाश गोली चलवलें. गोली से घाहिल कृपाल के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. उनुका घरवालन के कहना बा कि हमला आसाराम बापू के गुर्गा कइले बाड़न. जान जाईं कि आसाराम बापू पिछला 2013 से जेल में बंद बाड़न आ आजु ले उनुका के जमानत नइखे मिल सकल.
  • सोनिया के इफ्तार पार्टी में लालू एह चलते नइखन जात कि सोनिया नीतीश के तरफदारी करत बाड़ी आ उनुके दबाव पर लालू मजबूरी में जदयू संगे गठबन्हन करे के जहर पियलन. लालू एह बात से साफ इन्कार कइले बाड़न. उनुकर कहना बा कि ओही दिने उहो इफ्तार पार्टी रखले बाड़न आ एहिजा रहल जरूरी बा. नीतीशो लालू के इफ्तार में नइखन जाए वाला काहे कि उनुका सोनिया आ केजरीवाल के इफ्तार पार्टियन में जाए के बा. सोनिया के राजनैतिक हैसियत का रह गइल बा एकरा के समुझे खातिर जान लीं कि उनुका इफ्तार में आवे के समय ममता का लगे नइखे बाकिर केजरीवाल के इफ्तार पार्टी में शामिल होखे पर हुंकारी भर दिहले बाड़ी.
  • बिहार विधान परिषद के चुनाव परिणाम से उछाह में आइल भाजपा नेता अब तय कइले बाड़न कि बिहार में चुनाव अभियान के श्रीगणेश 15 जुलाई से कर दीहल जाई आ सगरी राज्य में कुल मिला के नाहियो त तीस हजार सभा करावल जाई. अगर कवनो उमेदवार के लागे कि ओकरा इलाका में कवनो खास नेता के कार्यक्रम करावल जरूरी बा त ओकरो के देखल जाई आ जतना संभव होखी पूरा करे के कोशिश कइल जाई.
  • पुणे के फिल्म एंड टेलीविजन इंस्टीट्यूट ऑफ इंडिया अध्यक्ष पद से हटे ला गजेन्द्र चौहान तइयार नइखन जबकि ओहिजा के छात्र एही बात पर पिछला नौ जून से लगातार हड़ताल पर बाड़े. ओकनी के जिद्द बा कि गजेन्द्र चौहान के अध्यक्ष पद से हटावल जाय आ केन्द्र सरकार एह माँग पर कवनो काने नइखे देत.
  • भारत आ चीन के आबादी में अब महज बारह करोड़ के फरक रह गइल बा. भारत के आबादी लगातार बढ़ल जात बा जबकी चीन के आबादी ओह से धीरे धीरे बढ़त बा. तीस पैंतीस बरीस में भारत दुनिया के सबले बड़हन आबादी वाला देश बन जाई.
  • शनिचर का दिने पूरा उत्तर भारत में तेज आ भारी बरखा होखे के खबर बा. हालांकि बलिया में बहुते मामूली बरखा भइल. दिल्ली में एह बरखा से कई जगहा पानी भर गइल आ सड़कन पर आवाजाही बंद करे के पड़ गइल.
  • आजु शनिचर का दिने बिहार में जन अधिकार पार्टी के बोलावल बिहार बंद का दौरान पप्पू यादव के गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस. हालांकि कुछ देर बाद उनका के छोड़ दीहल गइल.
  • केन्‍द्रीय गृह मंत्री राजनाथ सिंह देश के पूर्वोत्‍तर राज्‍यन के मुख्‍यमंत्रियन से कहलन कि ओह राज्यन में केन्‍द्रीय सशस्‍त्र पुलिस बल के तैनाती में कमी कइल जाव काहे कि ओहिजा के हालात सुधरे लागल बा. अगर आगे जरूरत पड़ी त फेरू सशस्त्र बल दीहि केन्द्र सरकार.
  • राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के सर संघचालक मोहनराव भागवत शनिचर का दिने कहलन कि सर्कस के बाड़ा में राखल शेर कतनो गरज लेव ओकर कवनो इज्जत ना होखे. शेर के त जंगले में रहे के चाहीं आ शेर के शेर होखले ओकरे हासिल ह.
  • आरा बम धमाका मामिला में जदयू विधायक सुनील पांडेय के पुलिस आजु शनिचर का दिने गिरफ्तार कर लिहलसि. जदयू के ई दुसरका विधायक बाड़े जिनका के पुलिस गिरफ्तार कइले बिया. कुछ दिन पहिले अनंत सिंह के गिरफ्तारी भइल रहुवे.
  • बाबा बर्फानी के दर्शन खातिर श्रद्धालुअन के नया जत्था के आजु शुक का दिने आधार कैंप से रवाना क दीहल गइल. अमरनाथ यात्रा के खराब मौसम का चलते रोके के पड़ल रहुवे. आजु रवाना भइल जत्था में करीब अढ़ाई हजार श्रद्धालु बाड़े.
  • न्यूजीलैंड महिला क्रिकेट टीम आजु बैंगलुरु में खेलल गइल पहिलका बीसबीसा क्रिकेट में भारत के महिला टीम के 8 विकेट से हरा दिहलसि.
  • अमरीका के सेरेना विलियम्‍स विंबलडन टेनिस टूर्नामेंट के महिला सिंगल्‍स खिताब जीत लिहले बाड़ी. फाइनल में ऊ स्‍पेन के गार्बाइन मुगुरूज़ा के हरवली.
  • शंघाई सहयोग संगठन भारत के आपन पूरा सदस्य बनावे के फैसला क लिहलसि. भारत पिछला दस बरीस से एह संगठन में पर्यवेक्षक बन के रहत आइल बा.
  • पाकिस्तान के विपक्षी दल अपना प्रधानमंत्री नवाज शरीफ पर नाराज बाड़े. ओह लोग के कहना बा कि भारत के पीएम नरेंद्र मोदी के साथे नवाज के मुलाकात बेइज्जति करेवाला रहल. एह मुलाकात का दौरान मोदी के बेवहार रूस के जार जइसन रहल आ नवाज शरीफ के मोदी के ‘सिंहासन’ तक जाए खातिर एगो लमहर गलियारा से गुजारल गइल जबकि मोदी एको डेग आगे ना बढ़लन. ओकरा बाद नवाज खुद चल के हिन्दुस्तानी प्रतिनिधियन से मिललन जबकि पाकिस्तानी प्रतिनिधि एक एक कर के मोदी से मिले गइलन.
  • शनिचर का दिने तुर्कमेनिस्तान के राष्ट्रपति गुरबांगुली बरदीमुहमदोव के पीएम मोदी का तरफ से हाथ से बनल घोड़ा के एगो खास जीन भेंट कइल गइल. राष्ट्रपति घोड़ा खातिर जुनूनी प्रेम राखेलें आ उनुका ला एह सौगात के खास महत्व बा.
  • आतंकी संगठन इस्लामिक स्टेट के अफगान-पाक इलाका के मुखिया के अमेरिकी ड्रोन हमला में मार गिरावल गइल बा. हाल में ई दोसर आतंकी सरगना रहुवे जवना के मार गिरावल गइल. सईद खान नाम के एह कमांडर के एही साल जनवरी में अफगान-पाक इलाका के इस्लामिक स्टेट के मुखिया बनावल गइल रहुवे.
  • यूरो जोन के वित्‍त प्रमुखन के बइठक शनिचर का दिने ब्रसेल्‍स में होखत बा जवना में ग्रीस के करजा संकट से निबटे का बारे में विचार कइल जात बा.
  • चाड के राजधानी नजामिना में भइल फिदायिन हमला में एगो बाजार में बम विस्फोट से करीब एक दर्जन लोग के मौत हो गइल.
  • मिस्र के राजधानी काहिरा में इतालवी वाणिज्य दूतावास का सोझा भइल बम विस्फोट से एक आदमी के मौत हो गइल आ पाँच जने घवाहिल हो गइलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up