सगरी खबर भोजपुरी में (शनिचर, 13 जून 2015)

by | Jun 13, 2015 | 0 comments

  • बिहार विधानसभा चुनाव खातिर भाजपा के चुनाव प्रभारी अनंत कुमार के आ सह प्रभारी धर्मेन्द्र कुमार के बनावल गइल बा. एह बीच रामविलास पासवान के लोजपा, उपेन्द्र कुशवाहा के आरएलएसपी आपन आपन गोल के सीट बढ़वावे का जुगत में लागल बाड़े. सभे जानत बा कि भाजपा कवनो एक आदमी के नेता बना के चुनाव लड़े का पोजिशन में नइखे. सुशील मोदी के पार्टी में बहुते विरोध बा आ अगर बा बनावल जाव त सुशीलो पार्टी के कबाड़ा करवा सकेलें. देखे जोग रही कि पार्टी एह उगिलत आन्हर घोंटत कोढ़ी वाला दुविधा से कइसे पार पावत बिया.
  • शुक के साँझ से शुरू भइल बरसात के दौर से देश के भोजपुरी पट्टी राहत में आइल बा. बतावल जात बा कि छिटपुट बरखा के दौर अबहीं कुछ दिन जारी रहे वाला बा. बलिया में रात भर झीसि पड़त रहल आ बीच बीच में तेजो बरस जात रहुवे. एह बरखा से इलाका के तापमान में जोरदार गिरावट आइल बा.
  • काल्हु शुक का दिने सारण जिला के दिघवारा इलाका के हेमंतपुर गाँव के सिनेमा हाल का लगे सड़क पार करत एगो बच्ची के टेम्पो कचार दिहलसि जवना से ओकर मौत हो गइल. ड्राइवर भाग गइल बाकिर पुलिस टेम्पो के जब्त कर लिहले बिया.
  • बनियापुर के राकेश हत्याकांड के मुख्य आरोपी एकमा थाना के छित्रवलिया के शत्रुघ्न राम के पुलिस बियफे का रात छापा मार के गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • सारन जिला के तरैया इलाका के लउवाँ गाँव में आइल बारात के आर्केस्ट्रा के झगड़ा का चलते बियफे का दिने दुल्हिन के चाचा के मार के मुआ दीहल लोग.
  • गोपालगंज जिला के फुलवरिया इलाका के सेलारकला गांव के एगो 20 बरीस के नवही के मौत हाजीपुर-मुजफ्फरपुर रोड तुरकी गांव का लगे भइल सड़क हादसा में जान चल गइल. ऊ अपना बाइक से पटना से मुजफ्फरपुर जात रहलन जब सामने आइल एगो नीलगाय से टकरइला का बाद ठाँवे पर उनकर मौत हो गइल.
  • गोपालगंज के माँझा इलाका के छवहीं गाँव के एगो आदमी बियफे का रात सड़क हादसा में घवाहिल हो गइल रहे. ओकरा के सदर अस्पताल में भरती करावल गइल रहुवें जहाँ ओकर मौत हो गइल. एकरा बाद ओकरा घर परिवार के लोग अस्पताल में जम के बवाल मचावल.
  • सिवान जिला के तरवारा के माधोपुर गाँव के दू आदमी के मौत पिछला दू दिन मे दू गो अलग अलग भइल हादसा में हो गइल.
  • सिवान के बड़हरिया में भइल अलग अलग हादसा में एगो मस्जिद के इमाम आ एगो अउर आदमी के मौत हो गइल. लोग दू घंटा ले एह हादसा के खिलाफ सड़क जाम कर दिहले रहुवे.
  • मोतिहारी शहर के भवानीपुर जिरात में शुक के साँझ एगो छात्र के ओकरा कार से खींच के दू गो बदमाश छूरा घोंप दिहले. ओकरा के एगो प्राइवेट क्लिनिक में भरती करावल गइल बा.
  • मोतिहारी केन्द्रीय कारा में बियफे का दिने कैदियन के दू गो गुट में जम के मारपीट भइल जवना में एगो कैदी बहुते घवाहिल हो गइल. झगड़ा ताश खेलत घरी भइल रहुवे.
  • शुक का सबेरे मोतिहारी-सेमरा रुट पर चैलाहां हाल्ट टीसन का लगे 35 बरीस के एगो आदमी के मौत ट्रेन से कटा के हो गइल. ओकर पहचान साबित नइखे भइल.
  • पश्चिमी चंपारण के रामनगर प्रखंड में प्रखंड प्रमुख व उप प्रमुख खातिर भइल चुनाव में प्रमुख पद पर जोन्हिया देवी आ उप प्रमुख पद पर निर्मला देवी के सभका राय से चुन लीहल गइल.
  • बेतिया-चनपटिया रोड पर महनाकूली आ मुसहरी गांव का बीच भइल सड़क हादसा में एगो बाइक सवार के मौत बियफे के देर रात हो गइल.
  • रोहतास जिला के अमझोर थाना के चितौली गांव का ले बियफे का रात भइल सड़क हादसा में पिकअप वैन से टकरा के एगो बाइक सवार के मौत हो गइल. मरे वाला नवहि नौहट्टा थाना के शेखपुरा गांव के रहुवे.
  • बक्सर जिला के नावानगर इलाका में डुमरांव-बिक्रमगंज रोड पर बियफे के अधरतिया एगो मोटरसाइकिल सड़क किनारे के एगो गाछ से टकरा गइल आ बाइक पर सवार तीनो जे के मौत ओहिजे ठाँवे पर हो गइल. ई लोग एगो बारात में शामिल भइला का बाद लवटत रहुवे.
  • बक्सर जिला के डुमरांव इलाका में गरहथा गांव का नियरा भइल एगो ट्रक आ टेंपो के टक्कर में टेंपो सवार डुमरी गाँव के एगो नवही के मौत हो गइल.
  • बक्सर के सोमेश्वरस्थान मोहल्ला में एगो नवही अपना प्रेमिका के बाप के गोली मार के मुआ दिहलसि. मरेवाला चाय के दुकान चलावत रहले आ अपना बेटी के ओह लड़िका से इश्कबाजी पसंद ना करत रहले.
  • बलिया के भाजपा सांसद भरत सिंह के प्रयास से जनपद के विकलांगन के जरुरी उपकरण बाँटे खातिर आजु शनिचर का दिने टाउन इंटर कालेज मैदान में एगो कार्यक्रम होखे वाला बा. एहमें राज्य सरकार के विकलांग कल्याण मंत्री अंबिको चौधरी उपस्थिर रहीहें.
  • बलिया जिला के सिकंदरपुर इलाका के मुइयां गांव में शुक के दुपहरिया एगो ट्रैक्टर पोखरा में गिर पड़ल जवना से ओकरा ड्राइवर के मौत हो गइल आ एगो मजदूर बहुते घवाहिल गो गइल. बाद में जेसीबी मँगवा के ट्रैक्टर के पोखरा से निकालल गइल.
  • बलिया में बिजली ना रहला से परेशान लोग काल्हु शुक का दिने दुबहड़ में जम के बवाल काटल आ एगो सरकारी बस के आग लगा दीहल. सवरूबांध चट्टी का लगे लोग बलिया-बैरिया हाइवे के जाम कर दिहले रहुवे आ घंटन के मशक्कत का बाद प्रशासन जाम हटवा सकल.
  • बलिया शहर के चित्तू पांडेय चौराहा पर अतिक्रमण हटावे खातिर मकान गिरावत जेसीबी मशीन टेलीफोनो के केबल काट दिहलसि जवना चलते आधा शहर के बेसिक फोन आ ब्राड बैंड सेवा ठप पड़ गइल बा. विभाग जल्दी जल्दी केबल दुरुस्त करावे में लागल बा बाकिर नुकसान अधिका बा आ एहमें दू दिन से अधिको लाग सकेला.
  • देवरिया शहर के हेतिमपुर का लगे भइल सड़क हादसा में महदेवा के एगो आदमी के मौत हो गइल. ऊ पैदल सड़क पार करत रहुवन जब कवनो वाहन उनका के कचारत भाग गइल.
  • गाजीपुर जिला के जमानियां में ममहर आइल नंदगंज थाना क्षेत्र के कुसुम्ही कलां के एगो लड़िकी के मौत गंगा में नहात घरी डूब गइला से हो गइल.
  • जमानियां के एगो गाँव में एगो 10 बरीस के लड़िका साथे एगो आदमी जबरिया कुकर्म कइलस. ओह घरी ऊ घर पर अकेले रहुवे. बाद में जब घर के लोग आइल त ऊ वारदात के जानकारी दिहलसि.
  • केजरीवाल सरकार के विरोध का बावजूद दिल्ली विद्युत नियामक आयोग राष्ट्रीय राजधानी में बिजली के दर छह फीसदी बढ़ा दिहलसि. प्रतिशत की वृद्धि कर दी.
  • चंडीगढ के मशहूर रॉक गार्डन के बनावे वाला मशहूर कलाकार नेकचंद के निधन 90 बरीस के उमिर में हो गइल. एह निधन पर पीएम मोदी शोक जतवले बाड़न.
  • कबो अपना अनैतिक तरीका से दिहल वोट से केन्द्र में बाजपेयी सरकार गिरा देबे वाला कांग्रेसी आ ओडिशा के मुख्यमंत्री रहल गिरधर गमांग अब भाजपा में शामिल हो गइल बाड़न बाकिर एकर बाकायदा एलान दूतीन दिन बाद भुवनेश्वर में क‎इल जाई.
  • देश के औद्योगिक उत्पादन में अप्रैल महीना में 4.1 फीसदी के बढ़ोतरी दर्ज भइल जवन कि पिछला महीना के दुगुना का बराबर बा. बाकिर मई महीना के उपभोक्ता महंगाई दरो बढ़ के 5.01 फीसदी हो ग‎इल बा.
  • भोजपुरी के अकेला आनलाइल अखबार टटकाखबर डाॅटकाॅम के बेहतर बनावे खातिर रउरा सभे के सहजोग आ सलाह के जरूरत बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up