सगरी खबर भोजपुरी में (शुक, 10 जुलाई 2015)

by | Jul 10, 2015 | 0 comments

  • The Prime Minister, Shri Narendra Modi with the Prime Minister of Pakistan, Mr. Nawaz Sharif and the President of Afghanistan, Md. Ashraf Ghani, at SCO summit, in Ufa, Russia on July 10, 2015.

    The Prime Minister, Shri Narendra Modi with the Prime Minister of Pakistan, Mr. Nawaz Sharif and the President of Afghanistan, Md. Ashraf Ghani, at SCO summit, in Ufa, Russia on July 10, 2015.

    प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी आ पाकिस्‍तान के प्रधानमंत्री नवाज शरीफ आजु ऊफा में आपस में बतियवलें. नवाज शरीफ अगिला साल पाकिस्तान में होखे जा रहल सार्क शिखर सम्मेलन खातिर मोदी के नेवता दिहलन जवना के मोदी सकार लिहलन. अब अगिला साल पीएम मोदी पाकिस्तान के यात्रा करे ला तइयार हो गइल बाड़न. आजु के बातचीत के सबले खास बात ई रहल कि एहमें काश्मीर के जिक्र ना भइल आ पाकिस्तान मनलसि कि आतंकवाद का खिलाफ कड़ा कार्रवाई करे के जरूरत बा.
  • सत्ता का लालसा में नीतीश हबड़ा गइलन आ लालू का गोदी में जा बइठे के गलती क दिहलन. दोसरा तरफ लालू गबड़ा गइलन आ उनुका पते ना चलल कि कब उनकर वोट समूह उनका काबू का बहरी चल गइल. हाल ई भइल कि विधानपरिषद के चुनाव में एह लोग के ‘महागठबन्हन’ के महाहार हो गइल आ सगरी घेराबन्दी का बावजूद भाजपा आ ओकर राजग आपन पताका फहरा लिहलसि. एह जीत के फायदा ई भइल कि दू महीना बाद होखे वाला विधानसभा चुनाव में ओकर हवा बरियार हो गइल काहे कि लोग देख लीहल कि राजद आ जदयू के गठबन्हन में बेंवत नइखे रहि गइल कि ऊ भाजपा के हरा सको. नीतीश आ लालू के सोच रहुवे कि विधानपरिषद के चुनाव में चुनले प्रतिनिधि वोट देलें आ ओह लोग के वोट अपना उमीदवार खातिर बिटोरल जा सकेला. एहीसे ई लोग विधानपरिषद चुनाव के अतना तूल दे दीहल. आ अब जब भाजपा के जीत हो गइल तब तरह तरह के बहाना बनावे में लागल बा लोग. जदयू त इहाँ ले कहे लागल बिया कि भाजपा अपना धनतंत्र का बल पर चुनाव जीत लिहलसि आ अब जब महागठबन्हन चेत गइल बा त विधानसभा चुनाव में आपन हालत जीत लायक बना ली.
  • 24 सीट पर भइल एह चुनाव में भाजपा के एगारह आ लोजपा के एक सीट पर जीत भइल बा. राजग के कुल तेरह गो सीट मिलल बा जबकी जदयू के 5, राजद के 4, आ कांग्रेस के 1 सीट मिला के ‘महागठबन्हन’ के महज 10 सीट. एक सीट के परिणाम अबहीं आवे वाला बा. छपरा, सिवान, आ गोपालगंज में भाजपा राजद के पटखनी दे दिहले बिया आ तीनो जगहा आपन परचल फहरावे में सफल हो गइल बिया. कटिहार से जीतल निर्दलीय भाजपा के समर्थन से जीतल बाड़े.
  • अमरीकी साप्ताहिक पत्रिका “न्यूज़वीक” एह बात पर चिन्ता जतवले बिया कि भारत चीन आ रुस के नयका पूर्वी गठबन्हन में दुनिया के अतना देेश शामिल होखेवाला बाड़न कि दुनिया के आधा आबादी एकरा तरे आ जाई. कहले बिया कि पश्चिम के देश एह तहर के गठबन्हन का बारे में अनजान बाड़े अबहीं ले बाकिर एह लोग के चेते के जरूरत बा.
  • वो बात जिसका सारे फसाने में जिक्र न था वो बात उन्हें बहुत नागवार गुजरी है. भाजपा में रहि रहि के कुछ लोग के लालसा अफनाए लागेला आ लोग बिना मतलब के बयानबाजी करत आपन भाव बढ़ावे के कोशिश क देलें. बिहारी बाबू अइसने नेता हउवन जिनका पते नइखे कि ऊ अपना बयानबाजी से आपने नुकसान कर लेत बाड़न. शुक का दिने फेरू कह पड़लन कि आडवाणी जी के कमी खलत बा आजु भाजपा में. जबकी आडवाणी जी सही सलामत जिन्दा बानी आ रहि रहि के उहोें के आपन उलटबाँसी लेत रहीलें.
  • सोनिया के इफ्तार पार्टी में लालू यादव शामिल ना हो पइहें काहे कि ऊ खुद ओही दिने पटना में आपन इफ्तार पार्टी करे वाला बाड़न. ऊ जमाना गइल जब देश सेकूलर आ कम्यूनल का विवाद में पड़ल रहत रहुवे. अब त बस हिन्दुत्व आ हिन्दुत्व विरोधी दू गो धारा रहि गइल बा आ सगरी सेकूलर जमात हिन्दुतव विरोधी खेमा में शामिल हो गइल बाड़न. एह लोग के हिन्दुवन के फिकिर ना रहे बाकिर अपना मुस्लिम वोट बैंक के बरियार बनवले राखे के कवनो मौका ना छोड़सु. ऊ त देश के सौभाग्य बा कि मुस्लिम जमात राजनीति के एह खेल के समुझे लागल बा आ गँवे गँवे ऊ हिन्दुत्व विरोधी गोल के चालबाजी से फरके रहे लागल बा.
  • मानसून सुस्त पड़ गइला का चलते खरीफ फसलन के बुआई में देरी होखत बा. हालांकि आजु आ काल्हु बरखा होखे के भरपूर उमेद बा. एह बीच घाघरा समेत अनेके नदियन के पानी में कमी भइल बा. गोण्डा, बलरामपुर, बहराइच आ बाराबंकी के किनार वाला इलाकन में बाढ़ के पानी घटे लागल बा बाकिर कटान तेेज हो गइल बा. मथुरा, आगरा, आ इलाहाबाद में यमुना के पानी नीचे गिरल बा. मिर्जापुर, वाराणसी, गाजीपुर आ बलिया में गंगा उफान पर बाड़ी. कुशीनगर जिला में बूढ़ी गण्डक अफनाइल बाड़ी.
  • सतरह गो महापिछड़ी जाति के अनुसूचित जाति में श‌ामिल करे खातिर दबाव बनावे का मकसद से मल्लाह जाति के लोग मछुआ महासंघ का बैनर में दिल्ली में 29 जुलाई का दिने संसद के घेराव करी.
  • बिहार में कांग्रेस के दयनीय हाल देख पार्टी चिन्ता में डूबल बिया कि कइसे बिहार में कांग्रेस के उबारल जाव.
  • सिमुलतला आवासीय विद्यालय के सुरक्षा के जिम्मा सशस्त्र सीमा बल का हवाले कर दीहल गइल बा. काहे कि नक्सली एह स्कूल के बंद करावे के धमकी दिहले बाड़े सॅ.
  • सीबीएसई 25 जुलाई का दिने होखे वाला मेडिकल प्रवेश परीक्षा खातिर ड्रेस कोड जारी कइले बिया. लड़िकन के पाजामा आ टी शर्ट में आ लड़िकियन के सलवार कुर्ता पहिर के आवे के कहल गइल बा. गोड़ में जूता ना होखे के चाहीं. सभे के चप्पल पहिर के आवे के कहल गइल बा.
  • जकात लेबे खातिर जुटल बड़हन भीड़ का बीच भगदड़ मच गइला का चलते शुक का दिने बांगला देश के मैमनसिंह शहर में नाहियो त 21 लोग के जान चल गइल आ बहुते लोग घवाहिल हो गइल.
  • मसूरी में लाल बहादुर शास्त्री प्रशासनिक अकादमी के सुरक्षा चौकी में तैनात एगो जवान शुक का दिने अपना साथियन पर गोली चला दिहलसि जवना से एगो सब इंस्पेक्टर के मौत हो गइल आ एगो जवान घवाहिल हो गइल. गोली चलावे वाला जवान बाद में जंगल ओर परा गइल. ओकरा के खोजे खातिर कांबिंग कइल जात बा.
  • करीब एक महीना पहिले गायब भइल कोस्टगार्ड के डोर्नियर विमान के मलबा आ फ्लाइट डाटा रिकॉर्डर शुक का दिने तमिलनाडु में समुद्र का 950 मीटर गहराई में मिल गइल. अपना तरह के ई पहिला अभियान रहुवे भारत में.
  • मध्‍यप्रदेश में प्राइवेट मेडिकल आ डेन्‍टल कॉलेजन में दाखिला खातिर 12 जुलाई का दिने होखे वाला प्रवेश परीक्षा – डीमैट के रद्द क दीहल गइल बा. नया तारीख के एलान बाद में कइल जाई.
  • बम्बई शेयर बाजार के सेंसेक्स आज 88 अंक बढ़ल त निफ्टी 32 अंक.
  • भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संस्थान (इसरो) अपना रॉकेट से आजु शुक का दिने 1,440 किलोग्राम वजन के पांच गो ब्रिटिश उपग्रहन के अंतरिक्ष में भेज दिहलसि. ई भारत के सबले बड़का कामर्शियल प्रक्षेपण रहुवे.
  • छह देश का बीच होखे वाला वॉल्‍वो इंटरनेशनल अंडर-21 हॉकी टूर्नामेंट खातिर भारत के टीम के एलान क दीहल गइल आजु. ई 18 से 25 जुलाई का बीच नीदरलैण्‍ड में होखी आ भारत, नीदरलैण्‍ड, जर्मनी, इंग्‍लैण्‍ड, बेल्जियम अउर न्‍यूजीलैण्‍ड एहमें शामिल होखीहें.
  • हरारे में तीन गो एकदिना मैचन के पहिला मैच मेें भारत चार रन से जिम्बाब्वे के हरा दिहलसि. भारत 256 रन के लक्ष्य दिहले रहुवे जवना के जबाव में जिम्बाब्वे महज 251 रन बना पवलसि खेल खतम होखे के बेरा ले आ ओकर सात गो विकेट उधिया चुकल रहुवे तबले.
  • भारत के सानिया मिर्ज़ा आ स्विट्जरलैंड के मार्टिना हिंगिस के जोड़ी विम्बल्डन टेनिस टूर्नामेंट के महिला डबल्स के फाइनल में पहुंच गइल बा. आजु ई जोड़ी सेमीफ़ाइनल में अमरीकी जोड़ी के हरा दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up