सगरी खबर भोजपुरी में (शुक, 12 जून 2015)

by | Jun 12, 2015 | 0 comments

  • बिहार के मुख्यमंत्री रहल जीतन राम मांझी काल्हु भाजपा अध्यक्ष से मिलला का बाद एनडीए में शामिल होखे के एलान कर दिहलन. कहलन कि सीट का बारे में अबहीं कवनो बात नइखे भइल बाकिर नीतीश आ लालू के नापाक गठबन्हन के हरावे खातिर उनकर गोल भाजपा से मिल के चुनाव लड़ी. ओने भाजपा से हमेशा रुसल रहे वाला शाटगन सिन्हा काल्हु लालू से उनुका जनमदिन पर भेंट क के बधाई दिहलन. शाटगन सिन्हा बेचैन बाड़न काहें कि भाजपा में उनुका भाव नइखे मिलत. सोचले रहुवन कि सांसद बनला का बाद मंत्री पद मिल जाई बाकिर तिकवते रहि गइलन. असल में उनुका पते नइखे कि उनुका एही रहन का चलते भाजपा उनुका के भरोसा जोग ना माने. शाटगन सिन्हा के सपना ढेर दिन से बिहार के मुख्यमंत्री बने के बा.
  • म्यांमार में भारत के चलावल आतंक विरोधी ऑपरेशन से जतना परेशान पाकिस्तान नइखे ओहसे अधिका बेचैनी कांग्रेस में देखे के मिलत बा. कांग्रेसी नेता एह अभियान के खिलाफत करे में लागल बाड़े. ओने पाकिस्तान में त हड़कंपे मच गइल बा. काल्हु पाकिस्तान के सीनेट भारत का खिलाफ प्रस्ताव पास कइलसि. पाकिस्तानी पीएम नवाज शरीफ कहलन कि म्यांमार जइसन कार्रवाई के धमकी दीहल दुनू देश के दोस्ती ला खतरनाक बा.
  • विश्व योग दिवस पर होखे जात सार्वजिक योग कार्यक्रम में शामिल होखे ला मुसलमानो लोग आगे आवे लागल. काल्हु वोहरा समुदाय के लोग केन्द्रीय मंत्री श्रीपद नाइक से मुलाकात कइल आ योग दिवस कार्यक्रम में शामिल होखे के बात कहल. यूपी के मजलिस उलेमाएहिन्द के अध्यक्ष मौलाना सैयद कोकब मुज्तबा कहलन कि योग के विरोध करे वाला लोग मानवता के दुश्मन ह काहे कि योग इंसान के तंदुरुस्ती खातिर कइल जाला. कहलन कि नमाजो में योग बा बाकिर नमाज योग ना ह.
  • बियफे का दिने कैलाश मानसरोवर के यात्रा शुरु हो गइल. यात्रा के पहिलका जत्था में जाए वाला लोग के विदेश मंत्री विदेश मंत्री सुषमा स्वराज उत्तराखंड के लिपुलेख दर्रा के पारंपरिक राहे रवाना करवली. एह साल से श्रद्धालु नयको राह से कैलाश मानसरोवर के यात्रा कर सकीहें. एह राहे गाड़ियो जा सकेली सँ. यात्रियन के कुल 18 गो जत्था जाई आ यात्रा के दौर 15 अगस्त का दिने जाए वाला आखिरी जत्था का साथे खतम हो जाई.
  • फेसबुक पर एह घरी एगो खतरनाक वायरस सक्रिय बा जवना चलते यूजर के सगरी टाइमलाइन आ न्यूज फीड फूहड़ फोटो आ वीडियो से भर जात बा आ ओकरा के देखे वाला लोग ओह यूजर से शिकायत करे लागत बा.
  • बियफे का दिने नेपाल के पहाड़ी ‎इलाका में भइल भारी बरखा का बाद पहाड़ धँसला का चलते छह गो गाँव दबा गइली सँ आ कम से कम 41 लोग के मौत हो गइल. अनेसा बा कि मरेवालन के गिनिती मेंं इजाफा हो सकेला जब मलवा साफ क के लाशन के निकालल जाई.
  • ब्रिटेन सरकार बाहर से आवे वाला लोगन के गिनिती कम राखे का कोशिश में कुशल कामगारन के दीहल जाए वाला कम से कम वेतन में बढ़ोतरी क दिहलसि आ वर्क परमिट के संख्या घटा दिहलसि.
  • पटना में अपहरण करेवाला एगो गिरोह के खुलासा भइल बा जवना के सरगना सचिवालय थाना के क्यू मोबाइल के जवान दीपक कुमार निकलल.
  • निर्माता निर्देशक महेश भट्ट आ अभिनेता इमरान हाशमी के फिलिम ‘हमारी अधूरी कहानी’ के यूपी में मनोरंजन कर देबे से छूट दे दिहले बिया यूपी सरकार. सरकार के कोशिश बा कि अधिका से अधिका फिलिम यूपी में बनावल जाव आ एहिजा बने वाला फिलिमन के राज्य में टैक्स छूट दे के बढ़ावा दीहल जाव.
  • बाइक लूट के गलत शिकायत करे वाला के पुलिस फर्जी वाद दायर करे का आरोप में गिरफ्तार क लिहलसि. सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के कर्णपुरा गाँव के एगो आदमी आपन मोटरसाइकिल लुटइला के केस थाना में लिखवलसि. पुलिस जाँच कइलसि त पता चलल कि ओह आदमी के सवा दू लाख रुपिया के करजा देबे वाला आदमी मोटरसाइकिल रोक लिहलसि आ कहलसि कि रुपिया दे के मोटर साइकिल ले जा. एकरा बाद करजा देबे वाला के फँसावे खातिर झूठ शिकायत लिखवा दिहलसि ई मुर्गी व्यापारी.
  • सिवान में भइल तेजाब कांड के चश्मदीद गवाह राजीव रौशन के हत्या का मामिला में सांसद रहल मो. शहाबुद्दीन के जमानत याचिका पर बियफे का दिने सुनवाई पूरा क लीहल गइल आ एह पर फैसला आजु आवे के उमेद बा.
  • बुध का देर रात एकमा थाना के चकमीरा गांवे आइल बारात में दुल्हा के गाड़ी से कचरा के एगो औरत के मौत हो गइल. ऊ अपना ममेरी बहिन के शादी में सिवान जिला के महादेवा इलाका के हकमा से आइल रहुवे आ एह हादसा के शिकार हो गइल.
  • बलिया पुलिस बुध का साँझे हल्दी थाना क्षेत्र के जवहीं दीयर से अंतर प्रांतीय गिरोह के चार गो बदमाशन के गिरफ्तार क लिहलसि. एकनी का लगे से बहुते असलहो बरामद भइल बा. एह बदमाशन पर यूपी के अलावे बिहार, झारखंड, आ पश्चिम बंगालो में कईगो मुकदमा दर्ज बावे. पुलिस के एह टीम के पाँच हजार रुपिया के पुरस्कार देबे के एलान अपर पुलिस अधीक्षक केसी गोस्वामी कइलन.
  • मुलायम सिंह के संसदीय इलाका आजमगढ़ में सड़क चमकावे खातिर यूपी सरकार 165 करोड़ रुपिया के मंजूरी दे दिहलसि. एह रुपिया से आजमगढ़ के हरव1श मुहल्ला के शाही पुल से पवई ले 55 किलोमीटर सड़क के सात मीटर कइल जाई आ सड़क के दुरुस्त कइल जाई.
  • अपना 80 बरीस के बेमार महतारी के दवाई लेबे जात 50 बरीस के बेटा सुरेमनपुर टीसन पर सियालदह एक्सप्रेस में चढ़त घरी नीचे गिर गइलन आ ट्रेन से कटा के उनुकर मौत हो गइल. बेटा के मौत के खबर सुनते बेमार महतारियो के दिल के धड़कन बंद हो गइल. मरेवाला रेवती इलाका के ओझा के मिल्की गाँव के रहलें.
  • गाजीपुर जेल के दीवार फान के भागत चार गो कैदियन में से तीन गो के त पकड़ लीहल गइल बाकिर एगो कैदी फरार होखे में सफल हो गइल. फरार हो गइल कैदी धोखाधड़ी के केस में बंद रहुवे.
  • मऊ जिला के मोहम्मदाबादगोहना के एगो डाक्टर के फोन कर के महाराजगंज जेल में बंद श्यामलाल पासी का नाम से बीस लाख रुपिया रंगदारी के मांगल गइल बा. एह बात के शिकायत डा॰ प्रमोद कुमार मधेसिया लिखित रुप से थाना में क दिहले बाड़न. पुलिस केस दर्ज क लिहले बिया.
  • बियफे का दिने बढ़त ले के खुलल शेयर बाजार दुपहरिया होत होत भहराइल शुरु क दिहलसि आ आखिर में सेंसेक्स 470 अंक आ निफ्टी 159 अंक गिर के बंद भइल. सोनो चांदी के दाम में बियफे का दिने गिरावट देखे के मिलल.
  • रिजर्व बैंक बैंकन से कहले बा कि डूबल भा डूबे वाला करजा से निपटे खातिर रणनीति बनावसु. कहलसि कि एह तरह के करजा लुकावे के कोशिश बैंकन खातिर बहुते नुकसानदेह हो सकेला.
  • बीच में बात कट जाए से सरकार परेशान बिया. ओकर कोशिश बा कि कम से कम बीएसएनएल में एह तरह के घटना कम से कम होखो. केंद्रीय दूरसंचार आ सूचना प्रौद्योगिकी मंत्री रविशंकर प्रसाद काल्हु कहलन कि एकरा ला देशभर में 35 हजार नया मोबाइल टावर लगावे के फैसला कइल गइल बा जवना में से पिछला साल 12000 टावर लगावलो जा चुकल बा.
  • ओने ट्राइ के शिकायत बा कि बिना ओकरा से पूछले बीएसएनएल देश भर में फ्री रोमिंग के एलान कइसे क दिहलसि. ओकरा लागत बा कि एहसे बाकी कंपनियन के नुकसान हो सकेला आ सभका बरोबरी के मौका ना मिल पाई. बीएसएनएल के कहना बा कि एकरा ला ट्राई के अनुमति जरूरी ना होखे के चाहीं आ 15 जून से रोमिंग फ्री करे के फैसला पर अड़ल बावे.
  • ओलंपिक पदक विजेता भारत के स्टार बैडमिंटन खिलाड़ी सायना नेहवाल विश्व रैंकिंग में एग चरण उपर उठ के फेरू दुनिया के नंबर 2 खिलाड़ी बन गइल बाड़ी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up