सगरी खबर भोजपुरी में (शुक, 3 जुलाई 2015)

by | Jul 3, 2015 | 0 comments

  • कांग्रेस के बड़का नेता हंसराज भारद्वाज के कहना बा कि नरेन्द्र मोदी से मुकाबला कइल कांग्रेस के बूता का बहरी के बात बा आ राहुल गाँधी के हकीकत के पते नइखे. मौजूदा दौर में कांग्रेस बहुते कमजोर हो गइल बिया.
  • महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री के जाए वाला हवाई जहाज उड़े में भइल देरी आ गृह राज्य मंत्री खातिर तीन गो दोसरा यात्रियन के हवाई जहाज से उतारे का मामिला में पीएमओ आफिस कड़ा रुख अख्तियार करत विमानन मंत्रालय से पूरा रिपोर्ट मंगवले बा. महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री के कहना बा कि देरी उनुका चलते ना भइल रहे जब कि गृहराज्यमंत्री रिजिजु के कहना बा कि उनुका खातिर तीन गो दोसरा यात्रियन के उतारे के जानकारी उनुका के ना दीहल गइल रहे. अगर जनतन त वइसे ना होखे देतन. एकरा से भइल असुविधा खातिर ऊ माफीओ मंगले बाड़न.
  • बिहार में फर्जी प्रमाण पत्र का खिलाफ कार्रवाई होखे का डर से करीब एक हजार चार सौ प्राथमिक शिक्षक इस्तीफा दे दिहले बाड़े. अभी अउरिओ लोग इस्तीफा दे सकेला. उच्‍च न्‍यायालय कहले बिया कि जिनकर प्रमाणपत्र फर्जी बा से लोग अपने से इस्तीफा दे देव. सरकार एकरा खातिर 8 जुलाई के सीमा तय कइले बिया.
  • यूपी के विधान परिषद खातिर नामित होखे वाला लोग का सूची में से चार जने के नाम राज्यपाल राम नाईक मंजूर क लिहले बाड़न. एकरा बाद सभेश्री राम सिंह यादव, जीतेन्द्र यादव, रामवृक्ष यादव आ लीलावती कुशवाहा के विधानपरिषद के सदस्य बना दीहल गइल बा. पाँच लोग के नाम पर मंजूरी ना दिहलें राज्यपाल आ एह लोग का खिलाफ मिलल शिकायत के जाँच करावे के कहले बाड़न.
  • गाजीपुर जिला के नोनहारा इलाका के कटवा मोड़ पर बियफे का दिने दुपहिया पर सवार तीन गो नवही एगो ट्रक से लागल धक्का का बाद ठाँवे पर मर गइलें. हादसा का बाद ट्रक चालक ट्रक ले के भाग निकलल.
  • नीतीश कुमार बियफे का दिने मलमास का दौराने अपना गोल जदयू के प्रचार अभियान के शुरुआत क दिहलन. एह खातिर ऊ पटना सिटी इलाका के दस गो घर में जा के आपन प्रचार कइलन.
  • राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद अपना महागठबंधन में शामिल सगरी गोल के लोग से विधान परिषद चुनाव में पार्टी उम्मीदवारन के जीत पक्का करावे के गोहार लगवले बाड़न.
  • झारखंड से भइल एगो राज्यसभा सीट के चुनाव में भाजपा के बड़का नेता एम जे अकबर विपक्षी गठजोड़ के उम्मीदवार झारंखड मुक्ति मोर्चा के हाजी हुसैन अंसारी के हरा के सांसद बन गइलन. ई सीट महज एक साल खातिर मिलल बा.
  • सात बरीस पहिले पटना के कोतवाली इलाका में भइल संजय सिंह के हत्या का मामिला में पटना के मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी भरत सिंह मोकामा से जदयू विधायक अनंत सिंह के पन्द्रह जुलाई ले न्यायायिक हिरासत में भेज दिहले. एह दौरान अनंत सिंह कहलन कि उनुका के लालू प्रसाद के इशारा पर फँसावल गइल बा.
  • बिहार मे जंगल राज तेजी से लवटे लागल बा आ नाराज जनता अब कानून अपना हाथ में लेत आरोपियन के सजा देबे लागल बिया. बुध रात सीतामढ़ी में एगो व्यापारी किहाँ लूट पाट करे आइल बाइक सवार चार गो बदमाश व्यापारी के बेटा के गोली मार के हत्या क दिहले आ जब भागे लगले सँ त लोग घेर के तीन गो के पकड़ लीहल आ पीट पीट के मुआ दीहल.
  • बिहार के भोजपुर जिला के एगो इनामी बदमाश पुलिस के गिरफ्तारी से बचे खातिर दिल्ली आ के करोलबाग इलाका में ढाबा चलावत रहुवे. बुध का दिने ओकरा के दिल्ली पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि. भरत यादव पर हत्या, धोखाधड़ी, जालसाजी समेत 10 गो मुकदमे दर्ज बा भोजपुर में.
  • अपना दल के अध्यक्षा आ मिर्जापुर से सांसद अनुप्रिया पटेल बियफे का दिने दल के संस्थापक स्व॰ सोनेलाल पटेल के 66वीं जयन्ती पर बोलावल सभा में कहली कि पिछड़ा वर्ग के हक मारे खातिर गँवे गँवे सरकारी नौकरियन के खतम कइल जा रहल बा आ निजीकरण होखे लागल बा. कहली कि केन्द्र आ राज्य सरकार एह मामिला पर आपन नीति आ नीयत साफ बतावे लोग.
  • महाराष्‍ट्र सरकार के कहना बा कि जवना मदरसा में अंगरेजी, गणीत आ विज्ञान ना पढ़ावल जात होखे ओकरा के स्कूल ना मानल जा सके आ ओहनी के मान्यता रद्द क दीहल जाई. राज्‍य के अल्‍पसंख्‍यक मामिलात के मंत्री एकनाथ खडसे के कहना बा कि मदरसा स्‍कूल ना होके मजहबी शिक्षा के केन्‍द्र बन गइल बाड़ी सँ आ ओहनी के स्कूल ना मानल जा सके. स्वाभाविक रूप से एकर विरोध होखहीं के रहे आ ऑल इंडिया मजलिस-ए-इत्‍तेहादुल मुसलिमिन अउर जमायत उलमा-ए-हिन्‍द एह फैसला के आलोचना कइले बाड़न जबकि केन्द्र सरकार में अल्‍पसंख्‍यक मामिलात के राज्‍यमंत्री मुख्‍तार अब्‍बास नकवी एकरा के जायज बतवले बाड़न.
  • राजस्थान के दौसा जिला में भइल सड़क हादसा में भाजपा सांसद हेमामालिनी घवाहिल हो गइली जबकि उनुका कार से टकराए वाला दोसरा कार पर सवार लोगन में दू बरीस के एगो बच्ची के मौत हो गइल आ पाँच बरीस के एगो लड़िका के हालत खराब बा.
  • उत्तर पूर्वी नाइजीरिया के गांवन में बोको हरम के हरामी आतंकवादी लोग का घर आ मस्जिदन पर हमला क के नाहियो त डेढ़ सौ लोग के जान ले लिहलें स.
  • बियफे का दिने विदेश मंत्री सुषमा स्वराज काठमांडू में चीनी विदेश मंत्री वांग यी से मुलाकात का दौरान मुंबई हमले के मास्टरमाइंड जकी उर रहमान लखवी के रिहाई का खिलाफ संयुक्त राष्ट्र के कार्रवाई में चीन के वीटो लगवला खातिर आपन विरोध जतवली. कहली कि एहसे दुनू देशन के संबंध खराब हो सकेला.
  • मध्‍य फिलीपींस बंदरगाह से रवाना होखला का कुछे समय में एगो नाव डूबला का चलते नाहियो त 36 लोग मर गइल आ करीब 26 लोग लापता बतावल जात बा. एह नाव पर 189 यात्री आ चालक दल के लोग सवार रहुवे.
  • बेल्जियम में होखत वर्ल्ड हॉकी लीग सेमीफाइनल्स के पांचवाँ से आठवाँ जगहा खातिर भइल मैच में भारत के महिला टीम काल्हु इटली को पांच-चार से हरा दिहलसि. भारत के जीत सडन डेथ में मिलल.
  • भारतीय रिजर्व बैंक-के गवर्नर रघुराम राजन आश्वस्त बाड़न कि देश के आर्थिक स्थिति में सुधार सही दिशा में चलत बा आ पूंजी निवेश बढ़त बा, बाकिर अभी अउरिओ सुधार के जरूरत बा आ रुकल परियोजना सभ के चालू करावे के बा. कहलन कि ग्रीस के संकट के असर भारत पर बहुते मामूली पड़े वाला बा.
  • बियफे का दिने देश के शेयर बाजार मेहराइल रहल आ आखिर में सेंसेक्स 75 अंक गिर के आ निफ्टी 8 गिर के बंद भइल. एह बीच सोनो के दाम गिरत गिरत तीन महीना के सबले निचला स्तर पर चहुँप गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up