सगरी खबर भोजपुरी में (सोमार, 29 जून 2015)

by | Jun 29, 2015 | 0 comments

  • काल्हु अतवार का दिेने देशवासियन से अपना मन के बात बतियावे के कड़ी में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी देश में खराब होखत जात लिंग अनुपात पर चिन्ता जतावत कहलन कि बेटी बचावऽ बेटी पढ़ावऽ अभियान के बरियार बनवला के जरूरत बा. एह बारे में हरियाणा के एगो सरपंच के शुरु कइल अभियान के समर्थन देत पीएम सभका से अपना बेटी संगे एगो फोटो ट्विटर पर अपलोट करे के कहलन. एह अभियान के सफलता अइसन मिलल कि देखते देखत सेल्फविथडाटर वाला अभियान सबले आगे निकल गइल आ दुनिया भर में एकर चरचा होखे लागल. एह कार्यक्रम में मोदी कवनो राजनेता का तरह ना बतिया के कवनो समाज सुधारक का तरह बतियावेलें आ जनता से आपन जुड़ाव अउर गहीर बना लेलें. काल्हु के कार्यक्रम में बरखा के पानी बचा के राखहु पर जोर दिहलन, साल 2022 ले सभका ला आवास समेत तीन गो विकास योजना आ तीन गो सामाजिक सुरक्षा योजनो के जिक्र कइलन. कहलन कि अबकी का राखी पर सभे अपना बहिनन के सामाजिक सुरक्षा वाला बीमा करा देव जेहसे देश के कवनो बेटी बहिन महतारी भविष्य के चिंता के शिकार मत होखसु.
  • पीएम मोदी के मन के बात पर कान लगवले बइठल मीडिया आ विपक्ष के बहुते निराशा भइल. पता ना लोग का सोच के उमेद लगा बइठल रहुवे कि मोदी ललित मोदी प्रकरण पर कुछ ना कुछ जरूरे कहीहें जबकि एह मन के बात में आजु ले पीएम मोदी कवनो राजनीतिक मुद्दा नइखन उठवलें. उनुका उठावल मुद्दा के केहु राजनीतिक बना देव त अलग बाति बा. जइसे कि काल्हुए के मन के बात में रक्षा बन्धन पर बहिनन के गिफ्ट देबे का का बात पर कांग्रेस छनछना उठल आ ओकरा तरफ से बयान आइल कि मोदी के रक्षाबन्धन त याद आइल बाकिर रमजान याद ना रहल. सेकूलरन के बहुते अफसोस रहेला कि रमजान का मौका पर सरकार का खरचा पर चले वाली इफ्तार पार्टियन के सिलसिला रुक गइल बा. कांग्रेस के सरकार कबो कवनो हिन्दू पर्व पर भोजभात ना देत रहे बाकिर रमजान का समय इफ्तार देबे में सबले आगे रहत रहुवे. जवाहर लाल के बेटी इन्दिरा एगो मुसलमान से शादी क के हमेशा खातिर हिन्दूत्व विरोधी बन गइली आ उनकर खानदान अपना एही मजहबी परंपरा के निभवले जात बा.
  • हजारीबाग में भारतीय कृषि अनुसंधान संस्थान के शिलान्यास समारोह में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी किसानन से दाल आ अनाज के पैदावार बढ़ावे खातिर वैज्ञानिक तरीका अपनावे के गोहार लगवलन आ कहलन कि देश में दुसरका हरित क्रांति ले अइला के बहुते जरूरत बा।. कहलन कि देश के पुरबी हिस्सा जइसे कि पूर्वांचल, बिहार, झारखंड, ओडिशा, पश्चिम बंगाल आ असम में ई हरित क्रांति ले आवे के बेंवत आ हालात दुनू बा.
  • भारी बरखा का चलते होखे वाला असुविधा आ सुरक्षा कारण से प्रधानमंत्री मोदी के अतवार के दिन के वाराणसी दौरा आखिरी समय में रद्द करे के पड़ गइल जवना चलते कई गो योजना अपना उद्घाटन के तिकवते रह गइली सं. जइसे कि बीएचयू के ट्रामा सेंटर के उद्घाटन ना हो सकल आ देश खातरि बिजली के समहर विकास योजना के शुरूआत ना भइल.
  • उत्‍तर प्रदेश में समूचा पुर्वांचल आ अउरियो हिस्सा में मानसून वाली बरखा दिन भर लागल रहल. बस्‍ती, बलरामपुर, गोंडा, फैजाबाद, मऊ, आजमगढ़, भदोही, वाराणसी, बलिया आ जौनपुर में दिन भर बरखा के रिमझिम लागल रहल.
  • बंगलुरू में भइल मैच में भारतीय महिला क्रिकेट टीम पहिलका एकदिना में न्‍यूजीलैंड के 17 रन से हराके पांच मैचन के सीरिज में बढ़त बना लिहलसि. ओने हाॅकी का मैच में भारत के महिला टीम आस्ट्रेलिया से आपन ग्रुप मैच 2 बनाम 4 गोल से हार गइल. अब क्वार्टर फाइनल में ओकरा नीदरलैंड से खेले के बा.
  • ललिल मुद्दा प्रकरण के आपन जिनिगी बना चुकल विरोधियन का तरफ से दाखिल एगो आरटीआई में पूछल स‌वालन के जवाब देबे से विदेश मंत्रालय मना कर दिहले बावे काहे कि पूछल गइल सात गो सवालन में से एगो विषय के बाहर बा त बाकी के जानकारी मंत्रालय का लगे नइखे.
  • बिहार के नालंदा जिला के नीरपुर गांव का नियरा एगो गड़हा से ओहिजा के आवासीय विद्यालय के दू गो लड़िकन के लाश मिलला का बाद खिसियाइल लोग विद्यालय के निर्देशक के पीटपीट के मुआ दीहल. बतावल जात बा कि दुनू लड़िकन के मौत निर्देशक के पिटाई से भइल रहुवे आ बाद में लाश गड़हा में फेंकवा दिहले रहलन.
  • केंद्रीय सूचना आयोग केंद्रीय गृह मंत्रालय के निर्देश दिहले बावे कि 30 जनवरी 1948 के भइल महात्मा गांधी की हत्या के बारे में दिल्ली पुलिस कवन प्राथमिकी लिखले रहुवे आ एह हत्या के आरोप पत्र के सार्वजनिक कइल जाव. इहो बतावल जाव कि लाश के पोस्टमार्टम करावल गइल रहुवे कि ना.
  • देश से गायब सोनिया आ राहुल के जल्दिए आवे के अनुमान लगावल जात बा. बतावल जात बा कि अगिला महीना के आखिर ले ई लोग लवट सकेला. सुने में आवत बा कि सोनिया राहुल ललित मोदी से समझौता करे खातिर हड़बड़ी में विदेश गइल बा लोग आ अब ले शायद मामिला के समझौता हो गइल होखी.
  • दुनिया के सबले ऊँच मूर्ति स्टेच्यू आफ युनिटी के माॅडल अक्टूबर ले तइयार हो जाए के उमेद जतावल जा बा. मूर्ति बनावत बाड़न मूर्तिकार राम वनजी सुतार. बतवलन कि माॅडल 30 फुट के होखी जवना का आधार पर 522 फुट के मूर्ति के निर्माण चीन में करावल जाई.
  • बिहार विधानसभा चुनाव खातिर आपन आपन जातीय समीकरण सलटावे में सगरी गोल लागल बाड़ी सँ. दलित-महादलित के मुद्दा त पहिलहीं से चरचा में रहुवे, यादवो लोग कवना गोल का साथे जाई एकरो अनुमान लगावल जात बा काहे कि लालू के प्रभाव एह पर से कम हो गइल बा आ नीतीश से समझौता कइला खातिर यादव लालू से नाराज बाड़े.
  • बिहार में आईआईटी आ मेडिकल दाखिला के काउंसिलिंग आजु सोमार से शुरू होखे वाला‌ बा. 3 जुलाई ले छात्र आपन पसन्द आनलाइन भर सकेलें. 2 जुलाई के माॅक सीट एलोकेशन लिस्ट आ 5 जुलाई के पहिलका एलॉटमेंट लिस्ट जारी होखी. 10 तारीख ले मिलल सीट सकार सकीहें विद्यार्थी जवना का बाद 11 तारीख के दुसरका लिस्ट जारी कइल जाई.
  • यूपी में आजु से बिजली के रेट बढ़ा दीहल गइल बा. ई बढ़ोतरी 7.3 फीसदी के भइल बा. डजदयू-राजद गठबंधन से नाराज जदयू के सांसद रहल रंजन प्रसाद यादव आपन एगो अलगे गोल – मंडल विचार मंच – बनावे के एलान कइले बाड़न जवन कि गैर राजनीतिक होखी आ चुनाव में नीला (नीतीश लालू) गठबंधन के हरावे खातिर पंचायते पंचायत जन-जागृति अभियान चलाई. एह मौका पर जन अधिकार पार्टी के संरक्षक आ सांसद पप्पू यादव आ पहिले केन्द्र में मंत्री रहल देवेन्द्र प्रसाद यादवो मौजूद रहलन.
  • राजधानी पटना के एसके मेमोरियल हॉल में अतवार का दिने कायस्थ समागम करावल गइल जवना में भाजपा के कायस्थ नेता आ केंद्रीय मंत्री रविशंकर प्रसाद, राज्यसभा सांसद आर के सिन्हा समेत देश के कई राज्यन से आइल कायस्थ प्रतिनिधि मौजूद रहले. रविशंकर प्रसाद अपना संबोधन में कहलन कि एह तरह के समागम से राजनीतिक चेतनो बढ़ेले.
  • बिहार में दू दिन से लगातार होखत बरखा का बाद तापमान बहुते कम भइल बा आ गरमी से पूरा राहत मिल गइल बा. बरखा आजुओ थोड़ बहुत होत रहे के उमेद जतावल गइल बा.
  • बिहार में कुछ जगहा अतवार का भोर में भूकंप के झटका महसूस भइल जवना के केन्द्र असम के कोकराझार में रहुवे. कतहीं से कवनो नुकसान के खबर नइखे आइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up