सगरी खबर भोजपुरी में (सोमार, 6 जुलाई 2015)

by | Jul 6, 2015 | 0 comments

  • पटना के पटन देवी मंदिर से पूजा कर के लवटत बलिया जिला के बैरिया इलाका के पाँच लोग के तब मौत हो गइल जब ओह लोग के ले के आवत जाईलो वाहन पर सीमेंट लादल एगो ट्रक पलट ग‎इल. एहमें से चार लोग के अंतिम संस्कार काल्हु अतवार के साँझ गंगा किनारे कइल गइल आ एक आदमी के कब्रिस्तान में दफनावल गइल. सबले तकलीफ के बात बा कि हादसा का बाद बड़ी देर ले छपरा पुलिस आ हाजीपुर पुलिस एकरा के अपना इलाका के बाहर बतावत दोसरा के एकर केस दर्ज करे के कहत रह गइलें.
  • जौनपुर जिला जेल में पिटाई का बाद एगो बंदी के भइल मौत का मामिला में जेलर, डिप्टी जेलर आ अनेके अउरी कर्मचारियन पर हत्या के मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. एकरा बादे बवाल करत बंदी शान्त भइलें आ अपना बैरक में जाए ला राजी भइलें.
  • गोरखपुर लखनऊ राजमार्ग पर पटरंगा इलाका में फैजाबाद से लखनऊ जात एगो पिकप वाहन सड़क किनारे लागल बोर्ड से टकरा गइल. एह हादसा में मऊ निवासी चालक आ एगो सवारी के मौत हो गइल. पुलिस के कहना बा कि चालक के झपकी आ गइल होखी आ सीधे बोर्ड से टकरात ईंटा के ढेर में घुस गइल.
  • ललित मोदी प्रकरण में सुषमा स्वराज आ वसुन्धरा राजे के इस्तीफा माँगत कांग्रेस के जान तब सटक गइल जब ललित मोदी सोनिया गाँधी आ राहुलो गाँधी के अपना चपेटा में ले लिहलन. एकरा साथही कांग्रेस के पुंगी फूंकत मीडियो के बोली बंद हो गइल. एही बीच अचके में व्यापम के मुद्दा मिल गइल बा कांग्रेस आ ओकरा भोंपू मीडिया के. कांग्रेस के कहना बा कि घोटाला के समु शिवराज मेडिकल एजुकेशन मंत्री रहलें त उनकर जाँच काहे ना करावल जाव. उनकर इस्तीफो माँगत बावे लोग बाकिर भाजपा एह लोग के मनोकामना पूरा करे के इचिको मूड में नइखे लउकत.
  • पाँच गो मध्य एशियाई देशन के यात्रा पर निकलल प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु उज्बेकिस्तान के राजधानी चहुँपले जहाँ उनकर स्वागत उज्बेकिस्तान के प्रधानमंत्री शौकत मीरोमोनोविच म मिर्जीयोयेव कइलन. ओकरा बाद दुनू नेता लोग के बातचीतो भइल.
  • दिल्ली के ऑल इंडिया रेडियो कार्यालय में तैनात एगो सुरक्षाकर्मी आजु कार्यालय परिसर के गेट से कार टकराए वाला एगो दिल्ली पुलिस के कांस्टेबल के गोली मार के घवाहिल क दिहलसि. ओकरा लागल कि ई आतंकी हमला ह आ एह हिसाब से ओकर प्रतिक्रिया सहज आ सही रहुवे. घटना भोर में तीन बजे का आसपास भउवे.
  • काग्रेस संगे गठबन्हन कइले राजद जदयू के महागठबन्हन से वाम दल सहमत नइखन आ एही चलते ऊ लोग आपन एका बना के सगरी सीट से चुनाव लड़े के फैसला कइले बाड़े. एह बात के एलान दिल्ली में बइठक कइला का बाद मीडिया के दीहल गइल.
  • जनसंघ के संस्थापक श्यामा प्रसाद मुखर्जी के जयंती का मौका पर आजु सोमार का दिने भाजपा का तरफ से राम माधव कहलन कि जम्मू कश्मीर में गठबंधन सरकार एकीकृत राज्य के विचार से कवनो समझौता ना करी आ अलगाववादी ताकतन के विरोध करत रही.
  • ग्रीस संकट बरकारा रहला का बावजूद देश के शेयर बाजारन में सोमार का दिने शुरुआती गिरावट का बाद उपरी बेरा बाजार सम्हर गउवे आ सेंसेक्स 116 अंक आ निफ्टी 37 अंक बढ़ के बंद भइल. जानकार बतावत बाड़े कि सहमल बाजार में केहू लांग सौदा करते नइखे एह से बाजार गिरे के खतरा कम हो गइल बा. सभे खराब से खराब खबर खातिर तइयार बइठल बा आ अधिका लोग शार्ट करत बा जवना चलते आखिर में कवर करे का फेर में बाजा‌र चढ़ बइठल बा.
  • बिहार में विधान परिषद चुनाव का राह में बाधा बनल हाई कोर्ट के आदेश पर सुप्रीम कोर्ट रोक लगा दिहलसि आ अब काल्हु 7 जुलाई के बिहार में 24 गो सीट खातिर चुनाव करावे के रास्ता साफ हो गइल बा. महागठबन्हन आ एनडीए के गोल एह चुनाव के विधानसभा चुनाव से पहिले आपन ताकत आजमाईश का तौर पर देखत बाड़े.
  • अगिला साल के शुरुआत से बिहार के सगरी सरकारी काम आनलाईन होखे लागी. सरकारी दफ्तर के सगरी फाईल आनलाइन चलल करी. एह खातिर एनआईसी से एगो साफ्टवेयर के लाईसेंस डेढ़ करोड़ में खरीदले बिया बिहार सरकार आ एह पर सरकारी कर्मचारियन के ट्रेनिंग शुरू होखे वाला बा.
  • सुप्रीम कोर्ट अब मान गइल बा कि बिना बिआहल महतारी अपना बच्चा के गार्जियनशिप अकेले ले सकेले. इहो जरुरी ना होखी कि ऊ बच्चा के बाप के नाम उजागर करे. एह काम में बच्चा के बाप होखे के दावा करे वाला के दखल ना मानल जाई. पहिले एहमें बाप के शामिल कइल जरूरी मानल गइल रहुवे जवना का खिलाफ एगो बिन बिआहल महतारी याचिका दायर करवले रहुवे आ सुप्रीम कोर्ट ओकर बात मान लिहलसि.
  • भारत दक्षिण एशियाई बास्‍केटबॉल चैम्पियनशिप के आपन खि़ताब बरकरार रख लिहलसि जब काल्हु बेंगलूरू भइल फाइनल मुकाबला में श्रीलंका के 93-44 से हरा दिहलसि. एकरा साथही भारत सितम्‍बर में चीन में होखेवाला एशियन चैम्पियनशिपो ला क्‍वालीफाई कर गइल. ओने कनाडा में भइल फुटबाल फाइनल में पिछला चैंपियन जापान के 5-2 से हरा के अमेरिका औरतन के फीफा विश्‍व कप फुटबाल प्रतियोगिता जीत लिहलसि.
  • मुजफ्फरपुर के लंगट सिंह काॅलेज के राष्ट्रीय धरोहर घोषित क‎इल गइल बा आ बिहार के ई एकलौता काॅलेज ह जवना के ई मान मिलल बा. युजीसी एह कालेज में डिजिटल लाइब्रेरी बनावे खातिर 15 लाख रुपिया के अनुदान दिहले बिया.
  • सारण जिला के रामपुर गांव में ठनका गिरला से एगो औरत के मौत हो गइल.
  • पूरा‌ बिहार आ पूर्वांचल में मानसून सक्रिय हो गइल बा आ काल्हु रात से कई जगहा जोरदार बरखा होखे के खबर बा.
  • सासाराम विधान परिषद सीट के जदयू उम्मीदवार अनिल सिंह यादव आ उनुका साथे जात तीन लोग एगो सड़क हादसा में काल्हु रात घवाहिल हो गइल जब एह लोग के कार कैमूर जिला के कुदरा-सकड़ी मोड़ का लगे एगो ट्रक से टकरा गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up