सगरी खबर भोजपुरी में (सोमार, 13 जुलाई 2015)

by | Jul 14, 2015 | 0 comments

  • पाकिस्‍तान नइखे चाहत कि भारत का साथे ओकर संबंध सुधरो. पहिले त ओकर विदेश मंत्री कहलन कि कश्मीर का बिना भारत से बाते ना कइल जाई. आ फेरू पाकिस्तान सरकार का ओर से कहल गइल कि साल 2008 के मुंबई आतंकी हमला का बारे में अउरी आ पुख्ता सबूतन के जरुरत बा.
  • भारत का तरफ से कहल जात बा कि पाकिस्तानी विदेश मंत्री के बयान उनुका अपना देश खातिर बावे. रुस में भारत आ पाकिस्तान दुनू देश जवना बयान पर सहमत भइलें तवना में साफ कहल गइल बा कि आपसी चरचा आ संबंध बनावल जाई.
  • पाँच गो मध्य एशियाई देशन के सफल यात्रा का बाद आजु पीएम मोदी भारत लवटत बाड़े.
  • मुलायम सिंह से मिलल धमकी के जगजाहिर कइला का चलते यूपी सरकार अपना आईपीएस अधिकारी अमिताभ ठाकुर के निलंबित कर दिहलसि काहे कि ऊ सर्विस कोड के लँघले बाड़न. अमिताभ ठाकुर का खिलाफ एगो पुरान बलात्कार के मामिलो फेर से खोलल गइल बा जवन पहिले एक बेर खारिज कर दिहल गइल रहुवे.
  • यूरो जोन के नेता ग्रीस खातिर राहत पैकेज पर तइयार हो गइल बाड़े. समझौता सभका सहमति से भइल बा. अब आपन करजा चुकावे खातिर ग्रीस के कुछ मोहलत मिल जाई बाकिर ओकरा बहुत कुछ सुधार लागू करे के पड़ी.
  • ग्रीस संकट के समाधान का बारे में सुनते बम्बई शेयर बाजार उछल पड़ल. आजु सेंसेक्स तीन सौ अंक चढ़ के आ निफ्टी 99 अंक चढ़ के बंद भइल. हालांकि रुपिया में 13 पइसा के कमजोरी आइल. खुदरा महँगाई दर मई के 4.8 का जगहा जून में बढ़ के 5.48 हो गइल जवन कि पिछला आठ महीना के सबले ऊँच महँगाई दर बा.
  • नासिक के कुंभ मेला काल्हु मंगल का दिन से शुरू होखे जा रहल बा. एकरा खातिर सगरी तइयारी पूरा कर लीहल गइल बा. एह मेला में करीब 4 करोड़ लोग के आवे के उमेद कइल जात बा. मेला 25 सितंबर तकले चली. काल्हुए से तेलंगाना के गोदावरी महा-पुष्‍करालू मेलो शुरू होखे जा रहल बा जवन 12 दिन चली. ईहो मेला कुंभ का तरह 12 बरीस पर होखल करेला. अबकी के मेला 144 बरीस पर लागे वाला महापुष्करालु मेला हवे.
  • मुस्लिम वोट के राजनीति करे वाला राजनीतिक गोलन के इफ्तार के सीजन चलत बा एह घरी. आजु सोमार का दिने दिल्ली में कांग्रेस के बोलावल इफ्तार में ना त लालू अइलें ना ही मुलायम. दुनू जने के गोल के कवनो बड़को नेता एह इफ्तार में शामिल ना भइलें. तृणमूल का तरफ से डेरेक ओ ब्रायन आइल रहलें. एह इफ्तार पार्टी में आइल विरोधी नेता मोदी सरकार के संसद में घेरे के प्लानो पर चरचा कइलें. राहुल कहलन कि मोदी बोलसु भा ना ऊ जरूर बोलीहें आ भरपूर बोलीहें.
  • कांग्रेसी नेता सलमान खुर्शीद के कहना बा कि आपातकाल सही लगावल गइल रहुवे आ ओकरा ला केहू के केहु से माफी माँगे के दरकार नइखे. बाद में देश के जनतो इन्दिरा गाँधी के दुबारा जीता के उनुका के सही साबित कर दिहलें. खुर्शीद के तर्क सही मान लीहल जाव त कांग्रेस के मोदी से माफी मांगे के ना कहे के चाहीं. काहेकि साल 2002 के दंगा का बाद गुजरात आ देश के जनता मोदी के माथे बइठा लिहलसि.
  • बिहार के किशनगंज जेल के जेलर के कैदियन का साथे बनावल जात गलत संबंध के एगो वीडियो एह घरी सोशल मीडिया पर वायरल हो गइल बा. एह मामिला के जगजाहिर हो गइला का बाद जिलाधिकारी मामिला के जाँच के आदेश दिहले बाड़न आ तीन लोग के एगो कमिटी बना दीहल गइल बा एह काम ला.
  • आसाराम बापू मामिला के मुख्य गवाह कृपाल सिंह के हत्यारन के पकड़े खातिर यूपी पुलिस के चार गो टीम बनावल गइल बा. कृपाल के मेहरारू सरकार से आर्थिक सहायता के गोहार लगवले बाड़ी. अचरज के बात बा कि जब कृपाल सिंह के गवाही हो चुकल रहुवे तब उनकर हत्या करा के का मिल जाई आसाराम के जे ऊ उनकर हत्या करवतें.
  • राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद आजु पटना में जाति आधारित जनगणना के आंकड़ा जगजाहिर करावे के मांग करत राजभवन ले मार्च कइलन. जाति के राजनीति करे वालन खातिर देश के होखे वाला नफा नुकसान कवनो माने ना राखे, ओह लोग के बस अपना आ अपना समर्थक जातियन के नफा नुकसान से मतलब होखेला.
  • अगिला बेर जब रउरा गैस के बुकिंग करावे चलीं त तनी सावधान रहब. फोन पर नंबर दबवला का बाद एगो सवाल पूछल जात बा कि यदि आप रसोई गैस पर सबसिडी जारी नहीं रखना चाहते तो शून्य दबाएं. बाकिर नहीं अतना गँवे से कहल जाई कि रउरा लागी कि पुछात बा कि अगर रसोई गैस पर सबसिडी जारी रखना चाहते हैं तो शून्य दबाएं. रउरा जारी राखे खातिर शून्य दबाएब आ ओहिजा मान लीहल जाई कि रउरा सबसिडी छोड़ दिहनी. देश मे अबले करीब दस लाख लोग सबसिडी छोड़ चुकल बा रउरो छोड़ल चाहीं त जरूर छोड़ दीं बाकिर कवनो जन प्रतिनिधि विधायक भा सांसद से ओह लोग के मिले वाला सबसिडी आ सुविधा भत्ता छोड़वावे के बात मत करीं.
  • पश्चिम चंपारण पुलिस एगो जहरखुरान गिरोह के पाँच गो अपराधियन के असलहा आ लूट का सामान का साथे गिरफ्तार कर लिहले बिया.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up