सगरी खबर भोजपुरी में (सोमार, 15 जून 2015)

by | Jun 15, 2015 | 0 comments

  • पिछला 3 मई के करावल गइल आलइण्डिया प्रीमेडिकल टेस्ट के रद्द करत सुप्रीम कोर्ट एकरा के फेरू से चार हप्ता का भितरे करा लेबे के आदेश दे दिहलसि. पिछलका इम्तिहान का दिने कुछ लोग हरियाणा का रोहतक में आंसर शीट का साथे धराइल रहलें. एकरा बाद कुछ छात्र एकरा के दुबारा करावे के मांग करत अदालत के शरण लिहले रहुवन.
  • भाजपा सांसद कीर्ति आजाद कहले बाड़न कि कुछ आस्तीन के साँपन का चलते ललित मोदी का मामिला में सुषमा स्वराज के आ मोदी सरकार के छवि बिगाड़े के साजिश रचाइल बा. जबकि सुषमा अइसन कवनो काम नइखी कइले जवना के गलत कहल जाव.
  • पीएम मोदी के जनधन योजना का बारे में विघ्न संतोषियन के कहना रहुवे कि एकरा फेल होखे के बा. अब ओह लोग के फेरु मौका मिल गइल बा. बतावल जात बा कि एह योजना में खुलल सोलह करोड़ खाता में से नाहियो त तिरपन फीसदी लोग के खाता में एह बीच एको रुपिया के लेन देन नइखे भइल. अब सवाल उठत बा कि एह 8 करोड़ से अधिका खाता के रखरखाव के खरचा बैंक कइसे उठइहें. हालांकि औसत का हिसाब से कुल सोलह करोड़ खाता से बैंकन के सोलह हजार करोड़ रुपिया मिलल बा.
  • देश के रिटायर्ड सैनिकन के फेरू भरोसा दिआवत रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर कहले बाड़न कि हर हाल में एक रैंक, एक पेंशन के वायदा पूरा करी केन्द्र सरकार. एहसे ओह लोग के तनिका धीरज धइला के जरूरत बा. काल्हु एह मुद्दा पर सैनिक रहल लोग सगरी देश में विरोध प्रदर्शन कइल आ आजु से भूख हड़ताल पर जाए के कहले बा लोग. अपना शासन में मामिला अझूरवले राखे वाली कांग्रेस सैनिक रहल लोगन के उकसावे में लागल बिया.
  • देश में 2014-15 का दौरान सेवा क्षेत्र में तीन अरब पचीस करोड़ अमरीकी डॉलर के विदेशी प्रत्यक्ष निवेश भइल बा. ई बढ़ोतरी 46 फीसदी से अधिका के बा आ ई भइल बा देश में बिजनेस कइल सहज बनावे के कोशिश का चलते.
  • बीएसएनएल आजु से देश भर में फ्री रोमिंग सुविधा चालू क दिहलसि. लोग के बेहतर सेवा देबे खातिर 5,000 अउरी टॉवर लगावल जाई एह साल. एह बात के जानकारी बिहार के नवादा में देत देश के दूरसंचार आ सूचना प्रौद्योगिकी मंत्री रवि शंकर प्रसाद कहलन कि एहमें से एक चउथाई टॉवर बिहार में लगावल जाई.
  • सीरिया के कस्बा तल अबयाद में कुर्द लड़ाकन आ इस्लामिक आतंकी गिरोह आईएस के बीच लड़ाई तेज होखला का चलते अतवार का दिने सीरिया के हजारो लोग तुर्की में शरण लिहले बा. कई दिन बंद रखला का बाद तुर्की आपन सीमा फेरू खोल दिहले बावे.
  • गुजरात सरकार एह साल राज्य में होखे जात नगर निगम आ पंचायत चुनावन में मतदान कइल अनिवार्य करे के फैसला कइले बिया. देश में एह तरह के फैसला लेबे वाला गुजरात पहिलका राज्य होखी.
  • आजु से रेलवे के तत्काल आरक्षण का तौर तरीका में बदलाव लागू हो गइल बा. अब एसी कोच के आरक्षण दस बजे से एगारह बजे का बीच आ नन एसी कोच के आरक्षण एगारह बजे से बारह बजे का बीच करावल जा सकी. एह नियम से वेबसाइट आ टिकट खिड़की पर बेहिसाब भीड़ के सम्हारे में सहायता होखी.
  • बंगला देश से भइल अकेला क्रिकेट टेस्ट मैच ड्रॉ होखला का बाद आई सी सी टेस्ट रैंकिंग में एक जगह नीचे सरक के चउथा जगहा आ गइल भारत के क्रिकेट टीम.
  • राजधानी दिल्‍ली में जबले सफाई कर्मचारियन के हड़ताल चलत रहुवे तबले सफाई करे केहु सामने ना आवत रहुवे बाकिर अब जब हड़ताल खतम हो गइल बा त काल्हु भाजपा आ आआपा दुनू गोल के लोग सफाई के नौटंकी करे निकल पड़ल.
  • बक्सर सेंट्रल जेल में पड़ल औचक छापा में तीन गो अपराधियन का लगे से एक एक गो मोबाइल बरामद भइल. तीनो मोबाइल जब्त क के जेल प्रशासन केस दर्ज करवले बावे.
  • शिक्षकेत्तर कर्मचारियन के हड़ताल चलत रहला से नाराज एनएसयूआई कार्यकर्ता सासाराम पोस्ट आफिस चौक पर अतवार का दिने वीर कुंवर सिंह विश्वविद्यालय के कुलपति के पुतला फूंकले. एह लोग के कहना रहल कि कुलपति के लापरवाही आ तानाशाही रवैया का चलते हड़ताल लमरत जात बा.
  • रोहतास जिला के इंद्रपुरी बराज पर वाणसागर जलाशय से अतवार का दिने पानी पहुंच गइला से धान के बिया डाले खातिर सोन कमांड इलाका में पानी के किल्लत दूर हो गइल बा.
  • भोजपुर जिला के बड़हरा इलाका में गंगा घाट पर अतवार का दिने एगो लड़िका के मौत गंगा नदी में डूबला का चलते हो गइल. बाद में ओकर लाश मिल गइल.
  • आरा के गड़हनी इलाका के धमनियां का नियरा धराइल पाँच गो अपराधियन के पूछताछ का बाद अतवार का दिने जेल भेज दीहल गइल. ई पाँचो बक्सर के जेल में बंद बोतल महतो गैंग के सदस्य हउवें.
  • भभुआ के स्टेट बैंक कृषि विकास शाखा के प्रबंधक शोभ नाथ सिंधुआ के मौत अतवार का दिने उत्तर प्रदेश के नौबतपुर में भइल सड़क हादसा में हो गइल. बतावल जात बा कि आपन इलाज करावे प्रबंधक वाराणसी गइल रहलें आ लवटत में ई हादसा हो गइल.
  • भभुआ के नगर परिषद मैदान में अतवार का दिने भाजपा कार्यकर्तन के संबोधित करत भाजपा सांसद मनोज तिवारी कहलन कि ना जाति के ना पाति के सरकार बनावे के बा, घरे-घर बिजली-पानी-सड़क चहुँपावे के बा, आ गौरवशाली बिहार बनावे के बा.
  • मोतिहारी पुलिस गाड़ी चोरावे वाला गिरोह के दू गो अपराधियन के तीन गो गाड़ियन का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि. एगो डुमरियाघाट के सिसवनिया टोला के संतू सहनी ह आ दोसरका गोपालगंज जिला के महमम्दपुर थाना के गोपालपुर गांव के नागेश्वर सिंह.
  • नेपाल आ भारत सरकार के बीच बॉर्डर पर दू जगहा के जमीन अदला बदली कइला का बाद भिखनाठोरी बॉर्डर पर लगावल पिलरन के देखे खातिर बेतिया जिलाधिकारी आ नेपाल के सीडीओ आ एसएसबी के डिप्टी कमांडेंट चहुँपले आ देखल गइल कि पिलर सही जगहा लागल बा कि ना.
  • बेतिया के टीकाछापर गांव में अतवार सबेरे बिजली के हाई वोल्टेज तार टूट के गिरला का चलते दस साल के एगो बच्ची के मौत हो गउवे.डबेतिया के मटियरिया इलाका के हौदा डुमरा गांव से उठावल लड़िकी के पुलिस मेहनौल खुर्द गांव से शनिचर के रात बरामद कर लिहलसि आ आरोपी नवही के गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि.
  • सारण जिला के एकमा इलाका के भोदसा गांव के एगो लड़िकी के ओही गाँव के एगो नवही शादी करे खातिर उठा ले गइल बा. दुनू दू संप्रदाय के हउवें. पुलिस मामिला के गंभीरता से जाँच करे में लागल बिया.
  • सारण जिला के अमनौर इलाका के अपहर पंचायत के मुखिया का घर पर दिने दहाड़े धावा बोलके लूटपाट कइल गइल आ घर वालन संगे मारपीट कइले सँ. पुलिस मौका पर चहुँप गइल बिया आ तहकीकात करत बिया.
  • सिवान के आईडीबीआई बैंक का नियरा शनिचर के रात में दू गुट का बीच गोली चले के खबर बा. खबर पावते पुलिस मौका पर चहुँप गउवे आ दुनू गुट के लोग फरार हो गउवे.
    गोपालगंज जिला के कुचायकोट इलाका के रामपुर माधो गांव में अतवार का दिने जमीन के झगड़ा ले के कुछ लोग गाँव के एगो माले नेता पर हमला क के बहुते घवाहिल क दिहलें. ओकरा के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • जौनपुर जिला के जंघई टीसन का लगे सेमरी गाँव का नियरा बिना फाटक के रेलवे क्रासिंग पर अतवार का सबेरे लखनऊ वाराणसी इंटरसिटी एक्सप्रेस से टकरा के एगो बोलेरो के चिंदी चिंदी हो गइल. एह हादसा में बोलेरो सवार तीन जने के मौत हो गइल आ ट्रेन के इंजनो में खराबी आ गइल.
  • अब पोस्टआफिसो में बचत खाता राखे वालन के डेबिट कार्ड मिलल शुरु हो गइल बा. विभाग के लक्ष्य बा कि दू महीना में नाहियो त पाँच लाख लोग के डेबिट कार्ड जारी क दीहल जाव.
  • बलिया जिला के छोटकी सेरिया के एगो नवही के मौत ट्रेन से गिरला का बाद फेफना का लगे नसीराबाद गाँव का सोझा हो गउवे. ऊ गाँव से नौकरी करे खातिर मुंबई जात रहुवे आ बीचे में ट्रेन पर से गिर पड़ल.
  • मिर्जापुर के आरटीओ चुन्नी लाल प्रजापति से मारपीट के आरोपी यूपी सरकार केे मंत्री कैलास चौरसिया का खिलाफ परिवहन अधिकारी एकजुट हो गइल बाड़ें आ आरपार के लड़ाई के एलान कइले बाड़े.
  • मऊ के शाही मस्जिद के बड़का इमाम आ जमीयत उलेमा ए हिंद के प्रदेश अध्यक्ष मौलाना महफूजुर्रहमान के मौत बेमारी का चलते शनिचर का दिने लखनऊ के किंग जार्ज अस्पताल में हो गइल रहुवे. अतवार का दिने उनुका के सुपुर्दे खाक क दीहल गइल.
  • वाराणसी के मोहनसराय रामनगर बाईपास पर बनल हेरिटेज चिकित्सा विज्ञान संस्था के मेडिकल काउन्सिल आ केन्द्र सरकार से एमबीबीएस कोर्स चलावे के अनुमति मिल गइल बा आ एह साल से पहिला बैच खातिर दाखिला शुरु हो गइल बा. कुल 150 लोग के दाखिला मिल सकेला.
  • रमजान का महीना में पाकिस्तान सरकार फाँसी के सजा मिलल कैदियन के फाँसी लगावे पर रोक लगा दिहले बिया. एह लोग के रमजान का बाद फाँसी चढ़ावल जा सकी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up