रालेगण सिद्दि.14 दिसंबर (वार्ता) मशहूर सामाजिक कार्यकर्ता अन्ना हजारे आज कहलन कि अगर सरकार लोकपाल विधेयक सोमार का दिने संसद मे ले आ देव त उ अनशन तूड़ दीहें.
जन लोकपाल के मांग लेके बेमियादी अनशन पर बइठल पचहत्तर बरीस के अन्ना कहलन कि लोकपाल विधेयक पारित करीं हम ओही दिन अनशन तूड़ देब. अन्ना राजनीतिक गोल, खास क के कांग्रेस आ भाजपा के धन्यवाद दिहलन कि ई लोग उनकर लगभग सगरी बात मान लिहले बा.
0 Comments