१ मार्च २०१४ के खबर एक नजर में

by | Mar 2, 2014 | 0 comments

पहली मार्च २०१४ का दिने भाजपा मुख्यालय में जनरल वीके सिंह आ भाजपा अध्यक्ष राजनाथ सिंह

पहली मार्च २०१४ का दिने भाजपा मुख्यालय में जनरल वीके सिंह आ भाजपा अध्यक्ष राजनाथ सिंह

  • अतवार का दिने बिहार सरकार चलावत जदयू के गोहार पर बिहार बंद रही. जब खुद मुख्यमंत्री बंद के गोहार लगावसु त कुछ खुलल कइसे रहि जाई. शनिचर का दिने बिहार में जगहे जगहे मशाल जुलूस निकालल गइल आ साँझि के थरिया पीटल गइल. नीतीश कुमार के कहना बा कि केन्द्र चाहे त 24 घंटा मे बिहार के विशेष दर्जा दे सकेला. कहलन कि विशेष राज्य के दर्जा बिहार के अधिकार ह आ ओकरे ला ई अभियान चलत बा. रामविलास पासवान के भाजपा में गइला का बाद बदलल राजनीतिक हालात में कांग्रेस जदयू के अपना संगे लेबे ला हो सकेला कि ई माँग मानियो लेब.
  • सिवान का अमलोरी टीसन का लगे शनिचर के सबेरे एगो आदमी अपना साथे सफर करत एगो औरत आ ओकरा दू गो बचवन के चलत रेलगाड़ी से नीचे फेंक दिहलसि. चार साल के बेटा ओहिजे मर गइल बाकिर दुसरका बेटा आ औरत घवाहिल हो गइले. दुनु के इलाज सिवान सदर अस्पताल में करवावल जात बा. औरत के नाम संगीता कुमारी बतावल जात बा आ लालबाबू नाम के आदमी धक्का दिहले रहुवे. लाल बाबू फरार हो गइल बा.
  • यूपी में आजु तीन गो रैलियन के संयोग बनल बा. लखनऊ में नरेन्द्र मोदी त इलाहाबाद में मुलायम सिंह के रैली होखे वाला बा. केजरीवालो कानपुर में रैली करे वाला बाड़ें. मिरजापुर में होखे वाला राहुल के रैली काल्हु भइल बरखा का चलते रद्द क दीहल गइल ना त उहो अतवारे के होळे वाला रहुवे. भाजपा के दावा बा कि लखनऊ में होखे वाला रैली आजु तक के सबले बड़ रैली होखी आ नाहियो त पन्द्रह लाख लोग एह रैली में शामिल होखी.
  • शनिचर का दिने भारत के सेनाध्यक्ष रहल जनरल वीके सिंह भाजपा के सदस्यता ले लिहलें. एकर संकेत तबे मिल गइल रहुवे जब ऊ हरियाणा के रैली में नरेन्द्र मोदी का साथे मंच पर आइल रहलें. बतावल जात बा कि उनका के राजस्थान का झुंझनू से भा हरियाणा के भिवानी सीट से लोकसभा चुनाव लड़वा सकेले भाजपा.
  • उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री रहल आ एटा संसदीय क्षेत्र से निर्दलीय सांसद कल्याण सिंह शनिचर का दिने लोकसभा से इस्तीफा दे दिहलें. अब कल्याण सिंह अपना पुरनका पार्टी भाजपा में विधिवत शामिल हो जइहें.
  • शिवसेना अपना पन्द्रह गो लोकसभा उम्मीदवारन के सूची जारी क दिहलसि बाकिर ओहमें लोकसभा स्पीकर रह चुकल मनोहर जोशी के नाम नइखे. पिछला दिने उनकर विवाद उद्धव ठाकरे से भइल रहुवे.
  • रामविलास पासवान अपना बेटा चिराग पासवान संगे काल्हु दिल्ली में भाजपा के पुरनिया नेता लाल कृष्ण आडवाणी से भेंट कइलन. भाजपा संगे गठबन्हन का बाद ई मुलाकात भइल बा.
  • ममता बनर्जी खातिर चुनाव प्रचार करे में लागल अन्ना हजारे के कहना बा कि ऊ देश भर में पचास गो चुनिन्दा निर्दलीय उम्मीदवारन ला प्रचार करीहें.
  • बिहार भाजपा के नेता सुशील आदमी के कहना बा कि खाली चुनावी फायदा खातिर योजनन के एलान करत बाड़ें नीतीश कुमार. उनुका मालूम बा कि एह योजनन के लागू करे में टाइम लागी आ तब ले आचार संहिता लागू हो जाई. से बिना कुछ कइले चुनावी फायदा ले लेबे खातिर अइसन करत बाड़ें नीतीश. अबहीं बिहार सरकार का लगे एह काम ला ना त धन ना बा ना इन्तजाम.
  • भाजपा. के राष्ट्रीय अध्यक्ष रहल चउहत्तर बरीस के बंगारू लक्ष्मण के शनिचर का दिने हैदराबाद का एगो अस्पताल में हार्ट अटैक से मौत हो गइल.
  • आंध्रप्रदेश के पूर्वी नौ सेना कमान के पोर्ट सिटी मुख्यालय विशाखापट्टनम मे आईएनएस कलिंगा जलयान मे शार्ट र्सकिट का चलते आग लागल गइल. एने नौसेना में लगातार हादसा होखे लागल बा.
  • दक्षिण पश्चिम चीन के कुनमिंग शहर में शनिचर का दिने एगो रेल टीसन प कुछ आतंकवादी छूरा घोंप घोंप के २८ लोग के जान ले लिहले आ ११३ लोग के घवाहिल क दिहले. हमला रात के नौ बजे कुनमिंग रेलवे टीसन प भइल.
  • पिछला दिने छत्तीसगढ के दंतेवाडा जिला के खुंटेपाल में भइल हमला नक्सलियन के प्लाटून दस्ता कइले रहुवे. एह हमला में पहिला निशाना थाना प्रभारी विवेक शुक्ला के बनावल गइल जे प्रधान आरक्षक पुष्पेन्द्र चंद्रा के मोटरसाइकिल प पीछे बइठल रहले. नक्सलियन के गोली पुष्पेन्द्र का पेट में लागल जवना का बाद उ गिर गइले आ तब थाना प्रभारी के गोली मार दीहल गइल.
  • मध्यप्रदेश के पन्ना टाइगर रिर्जव मे बाघ पुर्नस्थापना योजना के बढ़िया सफलता मिलल बा आ चार साल का भीतर ओहिजा पचीस गो बाघ हो गइल बाड़ें. चार साल पहिले बाघ बाघिन के जोड़ा ओहिजा बसावल गइल रहे.
  • कानपुर में हिंदी प्रचारिणी समिति के समारोह में उत्तराखंड के राज्यपाल डॉ. अजीज कुरैशी एगो साहित्यकार डॉ. कमल मुसद्दी के राष्ट्रगीत गावे से रोक दिहलन जवना के दबल आवाज में लोग आलोचना करत बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up