12 सितम्बर के कुछ अउर खबर

by | Sep 13, 2016 | 0 comments

खा पी के हाथ झार के चल गइलें कांग्रेस के युवराज राहुल गाँधी. ना ऊ सोचलन ना उनुकर लगुआ भगुआ कि गरीब परिवार उनुका आवभगत के खरचा से कइसे निबटी. अब खबर बा कि राहुल के खाना खिआवे ला करजा उठावा वाला स्वामीनाथ के गरीब परिवार कइसे उतारी ई करजा. वइसे संस्कार रहीत एह नेता में त जात घरी घर के बचवन का हाथ में कुछ दे गइल रहतन भा कांग्रेस ओह आदमी के कुछ आर्थिक सहायता कर दीत.

सत्तर चूहा खइला का बाद हज करे निकले वाला कहावत के सही ठहरावल यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव अपना दू गो मंत्रियन के बरखास्त क दिहलन. खनन मंत्री गायत्री प्रजापति आ पंचायती राज मंत्री राजकिशोर पर भठियरपन के आरोप लागल करत रहुवे बाकिर अब कपारे चुनान आइल बा त आपन छवि साफ करे के कोशिश करत बाड़न. एहमें प्रजापति मुलायम के करीबी आ राजकिशोर शिवपाल के करीबी हउवन.

बिहार के सारण जिला के बनियापुर इलाका के कन्होली मनोहर गांव में सोमार का दिने एगो पोखरा में नहाए घुसल दू गो बच्चियन आ एगो बच्चा के डूब के मौत हो गइल. तीनो लाश बरामद हो गइल बा आ पोस्टमार्टम ला जिला मुख्यालय के छपरा सदर अस्पताल भेज दिआइल बा.

केकड़ा पकड़े ला गड़ही में उतरल दू गो बचवा यूपी के बलिया जिला के रेवती इलाका के तुलसी छपरा गाँव में डूब के मर गइलें. एगो बच्ची के डूबे से बचा लीहल गइल. दुनू बचवन के लाश गड़ही से निकाल लीहल गइल बा.

बसपा में मचल भगदड़ का जारी राखत सोमार का दिने मायावती के चार गो सिटींग विधायक भाजपा में शामिल हो गइलन. भाजपा के यूपी अध्यक्ष केशव मौर्य के कहना बा कि बसपा में मचल भगदड़ खतम नइखे होखे वाला.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up