लोकसेवा आयोग २०१२ के सूचना जारी हो गइल

by | Feb 5, 2012 | 0 comments

भारत के लोकसेवा आयोग के सालाना परीक्षा के घोषणा आयोग के वेबसाइट पर कर दिहल गइल बा.

सिविल सर्विसेज खातिर प्रारंभिक परीक्षा २० मई २०१२ के करावल जाई. परिक्षार्थियन के चाहीं कि फार्म भरे से पहिले तय कर लें कि उनुका लगे जरूरी अर्हता बा कि ना. परीक्षा में शामिल हो गइला के मतलब ई ना होखी कि उनुका के योग्य मान लिहल गइल बा.

जे लोग एह खातिर आवेदन दिहल चाहत बा से निर्धारित वेबसाइट पर जा के आनलाइन आवेदन कर देव. ओहिजा एह बारे में सगरी जानकारियो दिहल गइल बा.

आवेदन करे के आखिरी तारीख ५ मार्च २०१२ के अधरतिया ११ बज के ५९ मिनट ले रही. ओकरा बाद ई लिंक काम कइल बंद कर दी. जिन लोगन के आवेदन सही पावल जाई ओह लोग के ई एडमिशन सर्टिफिकेट आयोग के वेबसाइट पर उपलब्ध करावल जाई जहाँ से ओकरा के डाउनलोड कइल जा सकी. डाक से कवनो एडमिट कार्ड ना भेजल जाई.

बतावल गइल बा कि प्रारंभिक परीक्षा, प्रीलिम, में निगेटिव मार्किंग के व्यवस्था लागू रही आ गलत जबाव देबे वाला के नंबर काट लिहल जाई.

परीक्षा भवन में कवनो तरह के संचार साधन ना ले जाये दिहल जाई.

प्रारंभिक परीक्षा पास करे वाला के फेर मुख्य परीक्षा आ साक्षात्कार के सामना करे के पड़ी.

अबहीं खाली प्रारंभिक परीक्षा खातिर आवेदन लिहल जाई. बाद में सक्षम लोग के फेर मुख्य परीक्षा खातिर आवेदन करे के पड़ी.

मुख्य परीक्षा अक्टूबर भा नवम्बर में करावे के संभावना बा.

अर्हता

राष्ट्रीयता – आई ए एस आ आई पी एस खातिर भारत के नागरिक होखल जरूरी बा. बाकी सेवा खातिर भारत भा नेपाल भा भूटान के नागरिकता भा ऊ तिब्बती लोग जे पहली जनवरी १९६२ से पहिले भारत आ गइल रहे, भा पाकिस्तान, बर्मा, श्रीलंका, केन्या, युगाण्डा, तांजानिया, जाम्बिया, मलावी, जैरे, इथियोपिया आ वियेतनाम से स्थायी रूप से भारत रहे आइल लोग. जे लोग भारत के नागरिक ना होई ओह लोग का लगे भारत सरकार के दिहल अर्हता प्रमाणपत्र होखल जरूरी रही.

उमिर – पहली अगस्त २०१२ का दिने कम से कम २१ साल के होखल जरूरी बा आ तीस साल से कम के उमिर होखे के चाहीं. कहे के मतलब कि २ अगस्त १९६२ का पहिले जनमल भा १ अगस्त १९९१ का बाद जनमल लोग एह खातिर योग्य ना रही. हँ, अनुसूचित जाति भा जनजाति खातिर पाँच साल आ अन्यपिछड़ा वर्ग खातिर अधिकतम उमिर में तीन साल के छूट दिहल जाई. कुछ अउरियो तरह के लोग खातिर उमिर सीमा में मिले वाला छूट के विवरण आयोग का साइट पर देखल जा सकेला.

परीक्षा केन्द्र – प्रारंभिक परीक्षा अगरतला, अहमदाबाद, एजावल,अलीगढ़, इलाहाबाद, औरंगाबाद, बैंगलोर. बरेली, भोपाल, चंडीगध, चेन्नई, कटक, देहरादून, दिल्ली, धारवाड, दिसपुर, गंगटोक, हैदराबाद, इमंफाल, इटानगर, जयपुर, जम्मू, जोधपुर, जोरहाट, कोचि, कोहिमा, कोलकाता, लखनऊ, मदुराई, मुंबई, नागपुर, पणजी, पटना, पुड्डुचेरी, पोर्ट ब्लेयर, रायपुर, राँची, संबलपुर, शिलांग, शिमला, श्रीनगर, थिरुवनन्तपुरम, तिरुपति, उदयपुर, आ विशाखापत्तनम में करावल जाई.

भरसक परीक्षार्थी के ओकरा पसंद के केन्द्र दिहल जाई बाकिर आयोग चाहे त फेर बदल कर सकेला. हँ दृष्टिहीन परीक्षार्थीयन के परीक्षा चेन्नई, दिल्ली, हैदराबाद, कोलकाता, लखन, दिसपुर, आ मुंबई एही आठ जगहा करावल जाई.

परीक्षा केन्द्र बदले के निहोरा ना सुनल जाई.

अउरी जानकारी खातिर आयोग के वेबसाइट पर जाईं

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up