टटका खबर, 22 फरवरी 2017, बुध

by | Feb 23, 2017 | 0 comments


21 फरवरी का दिने माई भासा दिवस का मौका प भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दिआवे ला भोजपुरी जन-जागरण अभियान का बैनर तरे जंतर मंतर पर धरना दीहल लोग. साहित्य अकादमिओ दू दिन चले वाला मातृभाषा संरछन दिवस मनवलसि. एह मौका प राज्यसभा सांसद अनवर अली कहलन कि जब बहुते कम कम लोगन के भासा के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल क लीहल गइल बा त बीस करोड़ लोगन के भासा भोजपुरी के मान काहे नइखे दीहल जात.
अनवर अली साहब शायद नइखन जालत कि भोजपुरी खातिर धरना प्रदर्शन करे वाला लोग भोजपुरी में काम करे बाला लोगन के आ भोजपुरी मीडिया के परवाह ना करसु. एह लोग के कार्यवाही आ प्रेस विज्ञप्तियो ओही भासा में दीहल जाला जवना भासा के विद्नान हमेशा से भोजपुरी के लंगड़ी मारत आइल बाड़ें. आजु ले भोजपुरी के एगो मानक रुप तय नइखे हो सकल. अनेके इलाकन में बोलल जाए वाली भोजपुरी के अलगे अलगे तरीका से लिखल बोलल जाले. भोजपुरी पढ़े में होखे वाली परेशानी के त छोड़िये दीं. बचपने से हिन्दी पढ़त पीढ़ी ओकरा स्टाइल में अइसन रम जालें कि भोजपुरी के सही तरह से पढ़िये ना सकसु. बहुले भोजपुरिया कलमकार हिन्दी में सोचेलें आ ओकरे के भोजपुरिया के परोस देलें भोजपुरी साहित्य का नाम प.

बिहार विधानमंडल के बजट सत्र काल्हु बियफे के शुरु होखे जा रहल बा. सत्र के शुरुआत राज्यपाल रामनाथ कोविन्द के संबोधन से होई. विधानसभाके सत्र 31 मार्च ले चले वाला बा आ एहमें कुल 23 गो बइठक होखी. 27 फरवरी के बजट पेश कइल जाई.

पूर्वा चंपारण के गन्ना किसानन के मिले वाला बकाया तीन हप्ता का भितर मिलवावे के आदेश पटना हाई कोर्ट आजु बुध का दिने दे दिहलसि.

यूपी विधानसभा चुनाव के चउथका दौर का वोटिंग में बियफे का दिने 12 जिलन – इलाहाबाद, प्रतापगढ़, कौशाम्बी, जालौन, झाँसी, ललितपुर, महोबा, हमीरपुर, बाँदा, चित्रकूट, फतेहपुर, अउर रायबरेली – के वोटर 53 सीट पर आपन वोट दे के अपना विधायक के चुनीहें. एह बीच बाद के तीनो दौर वाला इलाकन में प्रचार के काम तेज हो गइल बा.

बलिया जिला के रसड़ा कोतवाली इलाका में काल्हु रात रसड़ा-कासिमाबाद सड़क पार करत घरी नीबू मनियारपुर के पचास पार क चुकल एगो आदमा के मौत ट्रक से कचरा के हो गइल. हादसा कइले ट्रक के चालक ले के भाग निकले में सफल हो गइल.

पीएम मोदी के संसदीय इलाका वाराणसी में यूपी के मौजूदा मुख्यमंत्री अखिलेश यादव अपना जूनियर पार्टनर कांग्रेस के उपाध्यक्ष राहुल गांधी संगे 27 फरवरी के आपन चुनावी परेड निकलीहें. जान जाईं जे दू दिन पहिले अखिलेश मान चुकल बाड़न कि कांग्रेस से गठबन्हन भाजपा के हरावे ला मजबूरी में करे पड़ल.

सोनभद्र के घोरावल विधानसभा इलाका में आदर्श चुनाव आचार संहिता लाँघे के आरोप में बसपा के चुनावी रथ के पुलिस जब्त क लिहलसि.

सोनभद्र के दुद्धी कोतवाली इलाका में बुध का दिने कटौली गाँव के एगो लईका के लाश फेड़ प टंगाइल मिलल. 16 बरीस उमिर के ई लईका शुक का दिने जंगल से लकड़ी बिटोरे गइल रहल आ तहिये से लवचल ना रहुवे.

चंदौली के मुगलसराय टिसन प कैरेज विभाग में तैनात इंजीनियर के मौत प्लेटपार्म संख्या 7 प राँची गरीब रथ ट्रेन से कटा के हो गइल. इंजीनियर बक्सर जिला के रहे वाला रहुवन आ अपना परिवार साथे एहिजे रेलवे कालोनी में रहत रहलन.

जौनपुर के लाइन बाजार इलाका में बिहार से बहका के ले आइल गइल एगो लइकी साथे सामूहिक बलात्कार करे का आरोप में तीन गो कुकर्मियन के गिरफ्तार क निहलसि जौनपुर पुलिस. ई तीनो ओह लइकी के कन्हईपुर रेलवे क्रासिंग का नियरा एगो कोठरी में बंद क के कई दिन ले सामूहिक बलात्कार कइले आ बाद में ओकरा के मड़ियाहू ले जा के फेंक दिहले. पुलिस के 100 नंबर पर फोन क के लइकी एकर जानकारी दिहलसि त पुलिस पौरन कार्रवाई कइलसि आ तीनो कुकर्मियन के ध लिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up