टटका खबर, 27 फरवरी 2017, सोमार

by | Feb 27, 2017 | 0 comments


सपा से फेंका के बसपा के आँचर के छाँह लिहले बाहुबली मुस्लिम नेता मुख्तार अंसारी के पैरोल प रिहाई के आदेश के आजु दिल्ली उच्च न्यायालय रद्द क दिहलसि आ अब उनुका जेल का भितरे से चुनाव लड़े के पड़ी. मुख्तार अंसारी के मिलल पैरोल का खिलाफ चुनाव आयोग दिल्ली उच्च न्यायालय में गोहार लगवले रहुवे. मुख्तार अंसारी मऊ से बसपा के टिकट पर विधानसभा के चुनाव लड़त बाड़न.
छठवां दौर के चुनाव ला प्रचार धुँआधार हो रहल बा. एह दौर के चुनाव सात जिला – महराजगंज, कुशीनगर, गोरखपुरस देवरिया, आजमगढ़, मऊ, आ बलिया – के 49 सीटन ला 4 मार्च के होखे वाला बा.

यूपी विधानसभा चुनाव के पँचवा दौर के वोटिंग में आजु 11 जिलन के 51 सीटन के फैसला ईवीएम मशीन में दर्ज हो गइल. करीब 57 फीसदी मतदाता आपन वोट डललें. एकाध जगहा प छिटपुट झड़प के खबर बा. पिछला बेर एह इलाका के चुनाव में सपा 37 सीट, भाजपा आ कांग्रेस पाँच पाँच सीट, बसपा तीन सीट आ पीस पार्टी दू सीट जीतले रहल. अबकी एह 51 सीटन में हर सीट प बसपा, 50 पर भाजपा आ एगो पर ओकर सहयोगी अपना दल, 43 सीट प सपा आ 14 सीट से कांग्रेस चुनाव लड़त बिया.

आजु पेश भइल बिहार के बजट में शिक्षा व्यवस्था के अउरी मजगर बनावे ला फेंड़ा कसले नीतीश सरकार सबले बेसी आंवटन शिक्षा विभाग ला दिहले बिया. वित्त वर्ष 2017-18 खातिर पेश करीब एक लाख साठ हजार पचासी करोड़ रुपिया के बजट में शिक्षा विभाग खातिर 14 हजार 217.89 करोड़ रुपिया दीहल गइल बा. नशा बंदी का बावजूद पेश बजट में कुल कर संग्रह में चार हजार एक सौ करोड़ रुपिया से अधिका के इजाफा होखत देखावल गइल बा.

बिहार राज्य कर्मचारी चयन आयोग अउर बिहार कृषि विश्वविद्यालय, सबौर के नियुक्ति घोटाला के जाँच सीबीआई से करावे आ एह घोटालन में शामिल घंटाल मंत्रियन के बरखास्त करे के मांग करत विपक्ष आजु बिहार विधानसभा में जम के बवाल कटलसि.

रोहतास पुलिस आजु पत्थर माफियन का खिलाफ एगो बड़हन कार्रवाई करत बहुते भारी मात्रा में विस्फोटक सामेन बरामद कइलसि आ सामान देबे वाला के गिरफ्तार क लिहलसि. पुलिस के खबर मिलल रहुवे कि आजु एगो ट्रक से बहुते विस्फोटक आइल बा आ एकरा बाद पुलिस अमरातालाब का नि.रा बासा गांव में छापा मार के एगो ट्रक से एह विस्फोटकन के बरामद क लिहलसि आ साथही सामान चहुँपावे वालहु के ध लिहलसि.

बजरंगदल के संस्थापक अध्यक्ष आ भाजपा के राज्यसभा सेंसद विनय कटियार जरला प नून छिरकत कहलन कि जब मुसलमान भाजपा के वोटे ना देसु त एह लोग के भाजपा के टिकट दिहला के का जरूरत बा. कहलन कि अबकी का चुनाव में त एह लोग के राजनीतिओ किनारे लाग जाई आ अधिकतर मुस्लिम उम्मीदवार चुनाव हारे जात बाड़े.

पूर्व मध्य रेलवे के सुगौली-रक्सौल रेल खंड पर आजु सबेरे सुगौली से रक्सौल जात डेमू ट्रेन शीतलपुर ढाला का नियरा एगो बेफाटक रेल क्रासिंग प ईंटा लदले ट्रैक्टर से टकरा गइल. संजोगे रहल कि एह हादसा में केहु के जान ना गइल. ट्रैक्टर जरुरे बरबाद हो गइल.

रोहतास जिला के इंद्रपुरी इलाका में नावाडीह गांव का लगे नहर से 20 बरीस के नवहिन के लाश मिलल जवना का गरदन प रसरी बान्हल बा. लागल बा कि ओकरा गरदन में फँसरी लगा के ओकर जान ले लिहल गइल आ सबूत मेटावा के नीयत से ओकर लाश एहिजा फेंक गइल हत्यारा. लाश देखि के लोग पुलिस के खबर कइल आ पुलिस आ के लाश बरामद कइलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up