बसिया खबर, 13 मार्च 2017, सोमार

by | Mar 14, 2017 | 0 comments


हर साल कपड़ा-फाड़ होली खेले वाला लालू प्रसाद के करेजा अबकी यूपी विधानसभा चुनाव अइसन फाड़ दिहलसि कि सादा होली खेललन आजु फगुआ का दिने. सोचले रहलन कि बिहारे के तरह यूपीओ में मोदी के हरा दीहि टीपू आ पप्पू के जोड़ी, बाकिर जनता अइसन हाल बना दिहलसि कि फगुआ खेले के मने ना भइल. कांग्रेस के महज 7 गो विधायक जीत पवलें जबकि भाजपा सहयोगी अपना दल (सोनेलाल) के 9 गो विधायक जीतल बाड़ें. कांग्रेस के ई सबसे खराब हाल भइल बा यूपी में. अबकी पाँच गो राज्यन में भइल चुनाव में चार जगहा भाजपा के सरकार बने जात बा. गोवा आ मणिपुर में सबले बडहन गोल रहला का बावजूद कांग्रेस के अतना समर्थन नइखे मिलत कि ऊ बहुमत पा सके जबकि भाजपा बहुमत जोग समर्थन जुटा लिहला के दावा करत बिया. पंजाब आ गोवा में आआपा गोल के पुपुही बाज गइल, गोवा में एको सीट ना मिल पावल जबकि पंजाब में ऊ पहुते पीछे छूट गइल बिया. परिणाम निकलला का बाद से केजरीवाल के ठकुआ मार दीहले बा आ उनुका मुँह से कवनो बकार नइखे अबहीं ले.

सोमार के सँझिया गोरखपुर जिला के चौरी-चौरा इलाका में अयोध्या चौक का नियरा दू गो मोटरसाइकिल अपने में भिड़ गइली सँ आ के एहा हादसा में दू जने के मौत हो गइल आ दू जने घाहिल हो गइलन.

सोमार का दिने जौनपुर जिला के खेतासराय इलाका के गोरारी गाँव में होली के नाचत गावत टोली का बीचे एगो ट्रक आठ बरीस के एगो लइका के कचार दिहलसि. घाहिल लइका के बाद में मौत हो गइल.

जौनेपुर जिला के सिकरारा इलका के नोवढ़िया गाँव के एगो आदमी के ट्रैक्टर कचारत निकल गइल. एह हादसा में एह नवही के मौत ठाँवे प हो गइल.

सोनभद्र जिला के बभनी इलाका के बड़ाहोर गाँव के एगो साइकिल सवार नवही के ट्रक से धक्का लगला का चलते ठाँवे प मौत हो गइल.

अतवार का दिने मऊ जिला के मुहम्मदाबाद गोहना कोतवाली इलाका के मऊ-आजमगढ़ रोड प हलीमाबाद का लगे दू गो मोटरसाइकिल टकरा गइली सँ आ एह भिड़न्त में एक जने के मौत हो गइल आ तीन जने घवाहिल हो गइलन.

अतवारे के दिन सोनभद्र जिला के कोन इलाका में तेलगुड़वा जाए वाली सड़क प खेमपुर के एगो आदमी जेसीबी चपेटा में आ गइलन आ ओहिजे उनुकर मौत हो गउवे. जेसीबी के ड़्राइवर जेसीबी छोड़ परा गइल.

पूर्वी चंपारण जिला के मोतिहारी में अतवार का दिने मीना बाजार चौक प भइल एगो डकैती में करीब आधा दर्जन लुटेरा एगो सर्राफा कारोबारी के मैनेजर से पौने नौ लाख रुपिया छीन लिहले. ई सगरी पुलिस वाले रहलन. अब एह मामिला में एगो जमादार आ चार गो पुलिस वालन का खिलाफ केस लिखा गइल बा.

शनिचर देर राति जौनपुर जिला के बदलापुर इलाका के रभानीपुर गाँव के ग्राम पंचायत अधिकारी अपना मेहरारु संगे एगो सराध के भोज खा के मोटरसाइकिल से घरे लवटत रहलन. एही बीच मिरसादपुर का लगे एगो बस एह लोग के धक्का मार दिहलसि आ दूनू बेकत के ठाँवे प मौत हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up