Govt has appointed Harishankar Brahma, a retired IAS officer belonging to Assam, as the new EC after a seat was vacated after retirement of Navin Chawla.
मुख्य चुनाव आयुक्त नवीन चावला के अवकाश लिहला का बाद चुनाव आयोग में आयुक्त के खाली पड़ल सीट पर असम के बोडोलैण्ड निवासी आ अवकाश प्राप्त आईएएस आफिसर हरिशंकर ब्रह्मा के नियुक्त कइल गइल बा. ब्रह्मा १९७५ बैच के आफिसर रहलन. पूर्वोत्तर भारत से लिंगदोह का बाद ई दूसरका आफिसर चुनाव आयुक्त बनावल गइल बाड़न. आयोग में तीन गो आयु्कत रहेले आ तीनो के बराबर मानल जाला. अबही कुरेशी मुख्य चुनाव आयुक्त बाड़न.