Home Minister PC has raised once again the bogey of “Saffron Terrorism”. It is being done to minimise the real danger coming from Green Terrorism, Red Terrosism, and also White Terrorism. Though there is no “Saffron Terrorism” at present but the secular apathy and aversion to anything and everything associated with Hindus and Hinduism will one day succeed in creating a real Saffron Terrorism. India is waiting for it !

हरियर आतंकवाद का तरफ से लोगन के ध्यान हटावे खातिर केन्द्रीय गृहमंत्री पिछला दिने पुलिस अधिकारियन के संबोधित करत कहले कि देश में केसरिया आतंकवाद के पसार हो रहल बा आ देश के युवा वर्ग के एह राह पर भटकावे के कोशिश हो रहल बा. सरकार के एह नीति का खिलाफ भाजपा आवाज उठवले बिया आ कहले बिया कि आतंकवाद आतंकवाद होखेला ओकर कवनो रंग ना होखे कि ओकरा के हरियर, केसरिया, लाल, भा उज्जर आतंकवाद का श्रेणी में राखल जा सके.

बाकिर एहू अनेसा से इन्कार ना कइल जा सके कि अगर सेकूलरिज्म के मतलब हिन्दू आ हिन्दूत्व से जुड़ल हर बाति के गलते ठहरावल होला त देर सबेर कांग्रेस के आ सेकूलर लोगन के मनोकामना पूरा होइये जाई आ बहुते संभव बा कि साँचहू एह तरह के आतंकवाद पनप जाव. कमजोर से कमजोर आदमी के अगर कोना में घेर के ओकरा चेहरा पर वार कइल जाव त उहो अपना काबू भर विरोध करबे करी.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up
%d