जो घर जारे आपना, चले हमारे साथ.

by | Aug 26, 2023

भोजपुरी के आदिकवि संत कबीरदासजी के एगो मशहूर दोहा से आजु के लेख शुरू कर रहल बानी –

कबिरा खड़ा बाजार में लिये लुकाठी हाथ
जो घर जारे आपना, चले हमारे साथ.

पता ना ओह जमाना में शेयर बाजार रहुवे कि ना बाकिर एह दोहा के शेयर बाजार खातिर इस्तेमाल कइला में कवनो दिक्कत नइखे लउकत. लुकाठी मशाल के कहल जाला. मशाल के इस्तेमाल खास करिके रोशनी ला कइल जाला. बाकिर ओकरा से आग लागे के अनेसा हरदम बनल रहेला. अतना जान लिहला का बाद ई दोहरावे के, रेघरिआवे के जरुरत ना होखे के चाहीं कि शेयर बाजार में सौदा कब आ कइसे कइल जाव के सलाह से हमेशा अनेसा बनल रहेला कि ओह सलाह का चलते बड़हन नुकसानो हो सकेला. अब कबीर राउर घर जरावे के त नाहिए चाहत रहलें. ऊ त बतावल चाहत रहलन कि जे अपना मोहमाया के बंधन तूड़ल, शेयर बाजार के संदर्भ में कहीं त नफा-नुकसान का डर-लालच से परे जा के आपन राह खोजे के तरीके बतावल एह कबीरो के मकसद बा.

रउरो जानत बानीं कि शेयर ट्रेडिंग करे के हजारन तरीका बा. टीवी चैनल भा यूट्यूब पर जाई् त सलाहकारन के भरमार बा. एकरा बावजूद सौ में पंचानबे ट्रेडर के नुकसाने होखेला. एहसे अतना त साफ हो जाए के चाहीं कि नफा-नुकसान तरीका का चलते ना हो के हमनी के सुभाव का चलते होखेला. बाजार से मुनाफा कमाए के बा त तरीका खोजला का बदले अपना ओह सुभाव के खोजीं जवना चलते नुकसान हो रहल बा.

पहिला आ सबले खास कारण बा कि हमनी का कम पूंजी से बेसी मुनाफा का फेरा में रहीलां. सबसे पहिले त एह लालच से पीछा छुड़ाईं. अलग बाति बा कि वाजिब मुनाफा कतना होखे के चाहीं एहपर एकराय ना हो सके. जतना जोखिम बा, मुनाफो ओहि हिसाब से होखे के चाहीं.

दुसरका कमजोरी होला जवन हो रहल बा ओकरा के ना देखिके जवन होखला के चाहत बा ओकरा पाछे धावल. शेयर ट्रेडिंग में हारेगा जब कोई बाजी तभी तो होगी किसी की जीत वाला नियम काम करेला. स्वाभाविक होखे के चाहीं कि बढ़िया आ मजबूत खिलाड़ी जीती. एहसे रउरा बढ़िया आ मजबूत खिलाड़ी होखल सीखे के पड़ी.

तिसरका कमजोरी होला नारी मुई, घर संपति नासी, माथ मुड़ाय भये संयासी वाला मानसिकता राखल. आइल त रहनी कि मुनाफा कमाएब बाकिर जब मुनाफा का जगहा नुकसान गर में लपटा गइल त ट्रेडर बने का जगहा इन्वेस्टर बन गइनी. एह सुभाव के जतना जल्दी छोड़ सकीं छोड़ दीं. ट्रेडिंग करे में ओतने के दाँव खेलीं जतना गवाँ के रउरा हँसी-खुशी निकलल संभव होखे. आई आम चाहे जाई लबेदा का सिद्धांत पर चलल आगे चल के फायदेमंद साबित होखी.

एहसे तरीका के बात बाद में. पहिले सुभाव बदलीं.

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up