टटका खबर, 30 जनवरी 2017, सोमार

by | Jan 30, 2017 | 0 comments

टाइम्स नाऊ टीवी प आजु देखावल गइल ओपिनियन पोल में कहल गइल बा कि यूपी विधानसभा चुनाव के परिणाम एकतरफा बीजेपी के पक्ष में जात लउकत बा. कुल 403 सीट में से बीजेपी के अकेले 202 सीट मिलत लागत बा जबकि बसपा आ सपा-कांग्रेस गठबंधन के बड़हन हार मिलत लइकत बा. बसपा 47 सीट लेके तिसरका जगहा प रही. सपा-कांग्रेस गठबंधन के 147 सीट आ बाकी के 7 गो सीट मिल सकेला. पिछला चुनाव में बसपा 80 सीट प आ सपा-कांग्रेस 252 सीट प जीतल रहलें. वोट फीसदी के बात कइल जाव त भाजपा के 34 फीसदी (+19), बसपा के 24 फीसदी (-2), आ सपा-कांग्रेस के 31 फीसदी (-10) वोट मिल सकेला.

चन्दौली जिला के भीना इलाका में बकरी गाँव का लगे एगो ट्रैक्टर ट्राली पलटने से दू जने के मौत हो गइल आ 15 जने घाहिल हो गइलें. ई लोग गाँवे के एगो आदमी के अंतिम संस्कार से लवटत रहुवे.

बक्सर में जनसभा में भाषण देत बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि यदि पूरा देश में नशाखोरी पर रोक लाग जाव त भारत दुनिया के देशन के अगिला पाँत में खड़ा लउकी. कहलन कि बिहार में शराबबन्दी का बाद अब नशाबन्दी के लक्ष्य ले के चलल जाई.

बिहार में सरकार चलावत महागठबंधन में शामिल कांग्रेस एह बाति से नाराज बिया कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार बतावत बावे जदयू. कांग्रेस के कहना बा कि मोदी का मुकाबले ओकर उपाध्यक्ष राहुल गांधीए अकेला दावेदार रहीहें आ एह बारे में केहू के कवनो गलतफहमी ना पाले के चाहीं.

सोनभद्र जिला के म्योरपुर इलाका में करकोरी से सटल जंगल में काल्हु रात पांच लोग गैरकानूनी रुप से कत्था के लकड़ी काट के ट्रैक्टर-ट्राली से लवचत रहुवे जब ट्रैक्टर गइल आ एक जने के मौत हो गइल आ एक जने घवाहिल हो गइलन.

भाजपा के बरियार नेता सांसद आ गोरक्षपीठाधीश्वर महंत योगी आदित्यनाथ आजु बुलंदशहर सदर में भाषण देत कहलन कि अगर भाजपा के सरकार बनल त एक साल का भितरे अयोध्या में राम मन्दिर बनवा दीहल जाई.

रिजर्व बैंक 1 फरवरी से एटीएम से निकासी के सीमा खतम क के जनता, आ छोटका कारोबारियन के बड़का राहत दे दिहलसि. हालांकि खाता से निकासी के पुरनका साप्ताहिक सीमा के बनवले रखले बा.

बिहार जदयू के कुछ नेता अपना मुख्यमंत्री नीतीश पर यूपी चुनाव में भाजपा से भितरे भीतर हाथ मिला लेबे के आरोप लगावत बाड़ें. एह लोग के कहना बा कि यूपी में 50 जगहा से चुनाव लड़े के तइयारी रहुवे बाकि भाजपा के कुर्मी वोट मत छटके इहे सोच के चुनावसे बाहर रहे के एलान करा दिहलन. कहे ला त कहल गइल कि सेकूलर वोट के बँटवारा रोके ला अइसन कइल गइल बाकि सचाई दोसरे बा.

गोंडा जिला में गाड़ियन के चेकिंग करत पुलिस के एगो गाड़ी वाला का लगे साढञे तीन लाख से अधिका के नगदी मिलल जवना के ऊ सही हिसाब किताब ना बता पवलसि.

वाराणसी कैंट इलाका में आजु उदय प्रताप कॉलेज के एगो छात्र के गोली मार दीहल गइल. इलाज खाति ओकरा के बीएचयू ट्रॉमा सेंटर में भर्ती करावल गइल बा. ओकर हालत नाजुक बतावल जात बा.

भदोही शहर कोतवाली इलाका में हरियांव गांव नेशनल चौराहा का नियरा आजु एगो सफाईकर्मी के ओकरे संघतिया छूरा घोंप दिहलसि.

संतकबीरनगर जिला के खलीलाबाद इलाका में घन कुहा का चलजे आजु भोरे एगो ट्रक आ बस के टक्कर हो गइल. एह हादसा में आठ जने के मौत हो गइल आ करीब अढ़ाई दर्जन लोग घाहिल हो गइल बा. गोरखपुर के खजनी क्षेत्र के कुआं बुजुर्ग गांव से मुंडन खाति अयोध्या जात लोग बस में सवार रहुवे.

पश्चिम चंपारण जिला के शिकारपुर इलाका में एगो बिआहल नवहिन से ठठवां गांव के दू गो बदमाश मिल के रेप कइलन स। गोरखपुर के ई लइकी रवई गांव के इरशाद से प्रेम विवाह कइले रहल बाकि ससुरालियन के तंग कइलसि आजिज आ के ऊ गोरखपुर खाति अकेले निकल गइल। राह में ई दूनू मिललन स आ टीशन चहुँपावे के झाँसा देके अपना मोटर साइकिल प बइठा लिहलन स आ आगे सुनसान जगहा ले जाके रेप क दिहलन स।

रोहतास जिला के डालमिया नगर इलाक़ा के मकराईन गांव में सोन नदी का किनारे बालू घाट के नवहि मुंशी बिरजू कुमार के गोली मार के मुआ दिहलें सँ मोटर साइकिल से आइल दू गो अपराधी। गोली से घवाहिल मुंशी के प्राइवेट नर्सिंग होम में भरती करावल गइल बाकि हालत खराब देखि ओहिजा से वाराणसी रेफर क दीहल गइल। वाराणसी जाये का राहे में मुंशी के मौत हो गइल।

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up