महुआ बीनत लछमिनिया के देखनी, हर जोतत महिपाल.

by | Aug 29, 2023

महुआ बीनत लछमिनिया के देखनी, हर जोतत महिपाल.
टिकठी चढ़ल अमर के देखनी, सबले नीमन ठठपाल.

अब चूंकि रउरा भोजपुरी का साइट पर आइल बानी त अतना मान लिहला में कवनो हरज ना होखे के चाहीं कि रउरा उपर दीहल कहावत के माने समुझ गइल होखब. बाकिर मनला का बदला हमरा ठीक लागत बा कि एकर माने हम समुझाइए दीं.

लड़िकी के नाम लछमिनिया होखला के ई मतलब ना कि ऊ लक्ष्मी होखे भा ओकरा पर लक्ष्मी के कृपा बरसि जाव. ऊ बेचारी त महुआ बीन के आपन काम चलावत बिया. ओही तरह नाम त धराइल महिपाल, माने दुनिया के राजा, बाकिर ऊ बेचारा अपना गरीबी का चलते दोसरा किहां मेहनत मजूरी क के, दोसरा के हर चला के, आपन गुजर बसर करत बा. ओहि तरहा नाम त रहल अमर, माने कि जे अमर होखे बाकिर ओकरो के एक दिन अर्थी (टिकठी) पर देखनी त हमरा इहे लागल कि नाम में कुछ नइखे धइल. एहसे अगर हमार नाम ठठपालो राखल गइल रहीत त कवनो हरज ना होखीत.

रउरा सोचत होखब कि आइल त रहनी शेयर बाजार का बारे में कुछ जाने-बूझे ला आ देखत बानी दोसर चरचा. त ई ओहि सिलसिला में लिखल गइल बा. शेयर बाजार का बारे में जानकारी टीवी चैनलन पर, अखबार-पत्रिकन में, यूट्यूब पर, हजारन वेबसाइटन पर छितिराइल बा. बाकिर ओहिजा मिलल जानकारी रउरा कवना कामे आई से कुछ दिन ओकरो से आपन मन बहला के देखलीं. शेयर बाजार के भविष्यवाणी मौसम के जानकारी का तरह होला. काल्हू बीस फीसदी संभावना बा कि तिख्खर घाम निकली बाकिर बदरी छाप ली त त हो सकेला कि घाम ना मिले आ इहो हो सकेला कि कहीं टूपर-टापर त कहीं घनघोर बरखा मिल सकेला, एही तरह शेयरन का जानकारी दीहल जाले. काल्हु काल्हु बाजार तेजी में खुले के उमेद बा बाकिर हो सकेला कि बिकवाल हावी हो जासु आ बाजार गिरावट का ओरि बढ़ निकले, अगर नीचे खुस के ऊपर चढ़त फलाना सीवान पार कर जाव त रउरा खरीददारी कर सकीलें भा आपन खरीदल शेयर बेचि के मुनाफा काट सकीलें. आ अगर जे कहीं ऊपर खुल के नीये बढ़ल त बिकवाली के मौका देख सकीलें. फलां कंपनी के फलां खबर आइल बा आ एकरा चलते ओहमें तेजी देखल जा सकेला. बाकिर स्टॉप लॉस राखल मत भुलाएब काहें कि कवनो बड़हन खिलाड़ी आ गइल त राउर सगरी जायका बिगाड़ दी.

त कनियवो के भाई आ दुलहवो के भाई बने वालन से रउरा कवन मतलब निकाल सकीलें ई रउऱे जानीं. हम त इहे कहब कि मौत आ टैक्स कै तरह ट्रेडिंग में नुकसाने के उमेद बेसी रहेला.मुनाफा कबो गलती से भा संजोग से हो जाव त ऊ रउरा के अगिला बेर नुकसान उठावे के हिम्मत देबे के काम आवेला.

कई बेर कह चुकल बानी कि ट्रेडिंग में कवनो इंडिकेटर-संकेतक आ कवनो रणनीति-स्ट्रेटेजी काम करे के गारंटी ना देव. अगर रउरा स्क्रिन पर अइसहीं कवनो रेखा खींच दीं आ तय कर लीं कि एकरा ऊपर निकली त खरीददारी करब आ नीचे जाई त बिकवाली करब. त ओकरो से रउरा मुनाफा कमा सकीलें बशर्ते रउरा अपना बाति पर टिकल रह सकीं.

बाजार में नुकसान के सबले बड़का कारण होला कि आदमी एक बाति, संकेतक, भा रणनीति पर टिकल ना रहे. एक दिन ऊ एगो रणनीति पर काम करी आ ओहमें नुकसान हो गइल त अगिला दिने दोसर रणनीति पर चल दी. फेरु नुकसान हो गइल त तिसरका-चउथका-पँचवा वगैरह करत रही, कतहीं टिकी ना. आ तय मानीं कि अइसन लोग के बाजारो टिके ना देव. जल्दिए ओह लोग के जथा-पूंजी ले के ओह लोग के टा टा बाय बाय करे पर मजबूर कर दीं.

अगर रउऱा कवनो बीमारी हो गइल बा त ओकरा इलाज ला कवनो बढ़िया डॉक्टर लगे जाईं आ ओकर सलाह मानीं. ना त कवनो इलाज कारगर ना हो पाई. कबो कबो अइसनो बेमार भेंटा जालें जे कहेलें – डॉक्टर साहब राउर दवईआ काम ना कइलसि. तकलीफ जस के तस बा. डॉक्टर पूछी कि पूरा दवाई खा लिहल त जबाब मिली – ना डॉक्टर साहब, अबहीं खरमास चलत बा एहसे शुरु ना कइनी ह.

अपना पसन्द के कवनो- रेघरिया के कहत बानी कवनो – रणनीति भा संकेतक चुन लीं आ ओकरा हिसाब से कम से कम एक सौदा कर के हिसाब किताब लगाईं कि काम कइलसि कि ना, अगर काम ना कइलसि त ओह संकेतक भा रणनीति में कमी मत खोजे लागीं. खोजीं कि रउरा में कवन कमी बा, रउरा कहाँ का गलत करत बानी. सौ में सवा सो बेर रउरा आपने गलती भा कमी मिल जाई.

एहसे अपना नियम पर टिके के आदत डालीं, ओतने से सौदा करीं जतना डूबियो जाव त रउऱा जनिगी के चाल ना थथमे, राति नें नींद निकहा आ जाव. नुकसान के सीमा तय कर लीं. मुनाफा के खुला छोड़ दीं. देखब कि गँवे-गँवे रउरा णुनाफा भेंटाए लागल बा. बाजार में का होखे के सोचत बानी भा का होखे के बात लोग कहत बा एह पर धेयान ना दे के ओह पर धेयान दीं जो हो रहल बा. सौदा करुके देवी-देवता के गोहरवला से कवनो फायदा ना होखी. काहे कि देवी-देवता लोग पहिलहीं से तय कर के रखले बा कि का होखे वााला बा. रउऱा ओकरा हिसाब से चलीं, अपना हिसाब से बाजार चलावे के कोशिश मत करीं.

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up