एटा 16 जनवरी (वार्ता) उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री रह चुकल एटा के सांसद कल्याण सिंह आरोप लगवले बाड़न कि कांग्रेस, सपा आ बसपा मिल के पिछड़ा वर्ग के मिलल आरक्षण के फायदा मुसलमानन के देबे के साजिश रचत बाड़ी स. कहलन कि मुस्लिम आरक्षण का बाद पिछड़ा वर्ग के मिले वाला सताइस फीसदी आरक्षण में से अठारह फीसदी निकल जाई आ पिछड़न ला बस नौ फीसदी आरक्षण मिल पाई.
कहलन कि एह अन्याय के पुरजोर विरोध करे ला पिछड़ा वर्ग के संघर्ष करे के पड़ी. काहे कि ओही लोग के नौकरी काट के अल्पसंख्यकन के दीहल जाई.
कल्याण सिंह एहु बात के विरोध कइलन कि सपा सरकार मुसलमान लड़कियन ला तीस हजार रुपिया देत बिया बाकिर हिंदू लड़िकियन ला नइखे देत. एह अन्याय के विरोध होखे के चाहीं.
0 Comments