बीस मार्च से यूपी में सेना के भर्ती रैली

by | Mar 19, 2012 | 0 comments

एह बीस मार्च से लखनऊ छावनी के 11वीं गोरखा राइफल्स रेजीमेंटल सेंटर मैदान में सेना के भरती रैली शुरू होखे वाला बा. दौड़ में शामिल होखे खातिर मिले वाला टोकन भरती स्थल से अलगा जगहा दिहल जाई.

मध्य कमान के प्रवक्ता बतवले बाड़न कि सबेरे पांच बजे से दस बजे ले दौड़ में शामिल होखे वाला टोकन रेसकोर्स मैदान में दिहल जाई. ओहिजा से टोकन ले के उम्मीदवार रेसकोर्स के किनार धइले 11वीं गोरखा राइफल्स रेजीमेंटल सेंटर मैदान चहुँपीहें. रेसकोर्स जाये खातिर सुल्तानपुर का ओर जाये वाली बस से दिलकुशा चौराहा पर उतरीहें आ ओहिजा से बहादुर शाह मार्ग होखत रेसकोर्स मैदान चहुँपीहें. परिवहन निगम चारबाग आ आलमबाग ले आवे वाली रूट नंबर 66 आ 68 के बस छावनी ले चलाई.

सेना के अधिकारी चेतवले बाड़न कि केहू के कवनो हाल में आपन मूल दस्तावेज मत देसु. अगर कवनो सेना के जवान वर्दी में दस्तावेज जमा करावत होखे त ओकरा से पावती रसीद जरूर ले लेसु.

20 मार्च के होखे वाला सैनिक नर्सिग सहायक भरती खातिर खाली लखनऊ, अमेठी आ वाराणसी कार्यालय के अंतर्गत आवे वाला अभ्यर्थी शामिल होखीहें.

21 मार्च का दिने फतेहपुर आ महोबा जिलन के उम्मीदवार सैनिक जीडी, टेक्नीकल, लिपिक, स्टोरकीपर तकनीकी, ट्रेड्समैन खातिर दौड़ में शामिल होखीहें. कानपुर देहात (रमा बाई नगर)के अभ्यर्थी सैनिक ट्रेड्समैन खातिर दउड़ीहें.
22 मार्च के बांदा, उन्नाव आ चित्रकूट के अभ्यर्थी सैनिक जीडी, टेक्नीकल, लिपिक, स्टोरकीपर तकनीकी आ ट्रेड्समैन बहाली रैली में दउड़ीहें.
23 मार्च के लखनऊ जिला के उम्मीदवार सैनिक जीडी, टेक्नीकल, लिपिक, स्टोरकीपर तकनीकी, ट्रेड्समैन बहाली खातिर रैली में शामिल होखीहें.
24 मार्च के कानपुर देहात (रमाबाई नगर) जिला के उम्मीदवारन खातिर सैनिक जीडी, तकनीकी, लिपिक आ स्टोरकीपर तकनीकी के बहाली भरती रैली होखी. साथ ही लखनऊ भर्ती कार्यालय के अंतर्गत आवे वाला सगरी 13 जिला के के सिख (मजहबी व रामदासिया) आ भारतीय मूल के गोरखा रैली में शामिल हो सकीहें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up