आदित्यनाथ आ मुलायम में तिताईल बहस

by | Aug 26, 2013 | 0 comments

लोकसभा में आजु विहिप के चौरासी कोसी परिक्रमा रोके का मुद्दा पर भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ आ सपा सांसद आ सुप्रीमो मुलायम सिंह का बीचे तिताईल बहस सुने के मिलल. आजए फूड सेक्यूरिटी बिलो पेश होखे वाला रहुवे बाकिर परिक्रमा रोके का मुद्दा पर योगी प्रश्नकाल रोके के माँग कइले रहलें. एह मुद्दा पर तूतू मैंमैं आ हल्ला गुल्ली का बीच संसद के दू हाली स्थगित करे पड़ल. बाद में एह मुद्दा पर बहस शुरू भइल त सपा सांसद मुलायम सिंह के कहना रहल कि बीजेपी दंगा करवावल चाहत बिया आ बीजेपीवाला गुंडई पर उतर आइल बाड़ें. ई ना त कोर्ट के सुनत बाड़ें ना ही संविधान के. = मुलायम सिंह के कहना रहल कि

‘अयोध्या के विवाद आजु से ना साल अनइस सौ पचासो का पहिले से चलल आवत बा. कोर्ट में बा. बीजेपी साल 1992 में अइसन माहौल बनवलसि कि देश भर में दंगा भइल. उहे काम बीजेपी फेरू करत बिया. बीजेपी कोर्ट के नइखे मानत, संविधान के नइखे मानत. सुप्रीम कोर्ट के फैसला रहे कि अयोध्या में यथास्थिति बनल रहे के चाहीं जबले ओह पर कवनो आखिरी फैसला नइखे आ जात. बाकिर बीजेपी वाला मनमानी कइल चाहत बाड़े. कवनो वीएचपी कार्यकर्ता के पिटाई ना भइल. दरअसल, एह यात्रा के त जनते के साथ ना मिलल. एह यात्रा में एकहु जनता शामिल ना भइल. जनता का संतो लोग एह यात्रा के निंदा कइल. हमनी के सरकार कोर्ट के आदेश के पालन करत बिया.. बीजेपी वाला विरोध जतावत बाड़ें. एहिजा आ के हमनी के दफ्तर में तोड़फोड़ कइल गइल. बीजेपी वाला गुंडई पर उतर आइल बाड़ें. बात करेलें भ्रष्टाचार के आ मानवता के. हम गुंडई रोकल जानीलें. हम 1990हूं में रोकले रहीं. मनमानी करबऽ त सजा भुगतबऽ. यूपी सरकार कोर्ट के निर्देश के पालन कइलसि. हमनी का कुछउ गलत नइखीं कइले..’

जवाब में भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ कहलन कि पता ना मुलायम सिंह कवना समाजवाद के बात करेलें. खुद पार्टी के अध्यक्ष बाड़ें, दू गो भाई महासचिव बाड़ें, बेटा मुख्यमंत्री बा. त ई कइसन समाजवाद ह? ई त विशुद्ध परिवारवाद ह. समाजवाद के नाम पर धर्मनिरपेक्षता के धज्जी उड़ावल जात बा.

योगी आदित्‍यनाथ कहलन कि एह मुद्दे पर पूरा देश के गुमराह कइल जात बा. अयोध्या में तीन तरह के यात्रा होले. ओही परंपरा के मुताबिक 10 हजार संत कुंभ मेला में 84 कोसी परिक्रमा करे के तय कइले रहले. ई विशुद्ध धार्मिक यात्रा रहुवे. एहमें दु अढ़ाई सौ संतन के चले के रहुवे. बाकिर जवना तरह धार्मिक स्वतंत्रता के मौलिक अधिकार के हनन यूपी सरकार कइलसि ऊ निंदा जोग बा. देश के 2000 संतन के गिरफ्तार कइलसि. साधू-संतन के अपमान कइल गइल.

योगी आदित्यनाथ पूछलन कि साधु संतन द्वारा मंदिर मांगल कवनो पाप ह का? कहलन कि जहाँ ले अयोध्या में भव्य मंदिर के बात बा त 1994 में कांग्रेस नीत सरकारे सुप्रीम कोर्ट में हलफनामा दिहले रहुवे कि अगर ई साबित हो जाव कि विवादित ढांचा पर पहिले मंदिर रहुवे त हिंदू समाज के भावना धेयान में राखत ओहिजा मंदिर बनवावल जाई. अइसन साबित हो गइल. इलाहाबाद हाईकोर्ट के लखनऊ खंडपीठ के तीनों जज के एकमत कहना रहल कि ऊ राम जन्म भूमि ह. त साधु संतन के मंदिर के मांग कइल कवनो पाप ह का?

योगी आदित्यनाथ इहो कहलन कि आतंकियन का खिलाफ दायर मुकदमा वापिस लिहल जात बा. ई कइसन समाजवाद ह? इनका समाजवादी सरकार मे पिछला एक साल में तीस गो से अधिका दंगा भइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up