वाराणसी 20 दिसम्बर (वार्ता) देश मे गरीबी खातिर बस एके परिवार के जिम्मेदार ठहरावत नरेन्द्र मोदी कहलन कि जस जस लोकसभा चुनाव नियरात जात बा तस तस यूपीए सरकार गरीब का हित में बोलल शुरू करत जात बिया.
वाराणसी में भाजपा के विजय शंखनाद रैली के सम्बोधित करत नरेन्द्र मोदी गांधी परिवार के नाम लिहले बिना कहलन कि लोग के समस्या ला बस इहे परिवार जिम्मेदार बा बाकिर अब चुनाव नियराइल बा त उनुका गरीबन के फिकिर होखत बा.
कहलन कि पहिला बेर भइल बा कि चुनाव के पहिलहीं से राजनीतिक गोल अतना सक्रिय हो गइल बाड़े. काहे कि अबकी जनता ई चुनाव खुदे लड़त बिया आ ओकरा में यूपीए सरकार का खिलाफ खीसि भरल बा.
0 Comments