राजस्थान के अलवर में भाजपा के चुनावी सभा में बोल बीजेपी के पीएम पद के उम्मीदवार नरेंद्र मोदी कांग्रेस सरकार के जम के निशाना पर लिहले. कहलन कि अपना करप्शन, भठियरपन, में कांग्रेस कवनो लोक ना छोड़लसि. धरती, आसमान, पाताल तीनो लोक में अपना भठियरपन के कमाल देखवले बिया कांग्रेस.
मोदी कहलन कि शाहजादा कहत रहले कि बीजेपी भ्रष्टाचार में वर्ल्ड चैंपियन बिया जबकि उनका कांग्रेस के कमाल देखल चाहत रहे जे आकाश लोक, पृथ्वी लोक, पाताल लोक कवनो के नइखे छोड़ले अपना भठियरपन में.
मोदी कहलन कि कांग्रेसी रेल से रेत आ खेल से खेत ले सब कुछ खा जाले.
0 Comments