नरेन्द्र मोदी से जरतवाही का चलते नीतीश जनता के जान खतरा मे डलले

by | Oct 31, 2013 | 0 comments

पटना 30 अक्तूबर (वार्ता) बिहार के उपमुख्यमंत्री रहल आ भाजपा: के बड़ नेता सुशील कुमार मोदी आरोप लगवलन कि बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार नरेन्द्र मोदी से निजी दुश्मनी आ जरतवाही का चलते राज्य के लाखो लोग के जान खतरा मे डाल दिहलन.

सुशील मोदी आरोप लगवलन कि हुंकार रैली मे जानबूझ के सुरक्षा के पर्याप्त इंतजाम ना कइल गइल. एह ला नीतीश के जनता से माफी माँगे के चाहीं. कहलन कि नरेन्द्र मोदी के बढ़त प्रभाव से परेशान आ चिंतित नीतीश कुमार बचकानी टिप्पणी करत बाड़न.

सुशील मोदी कहलन कि मुख्यमंत्री राजगीर के अपना डेढ़ घंटा के भाषण मे ई उचित ना समुझलन कि आतंकियन के बम विस्फोट मे शहीद छह लोग ला दू मिनट के मौन राख के श्रद्धांजली दे देसु. कहलन कि हमला पूरा बिहार के खिलाफ रहे आ जे मराइल भा घायल भइल ओह लोग ला नरेन्द्र मोदी के चिंतित होखल स्वाभाविक बा.

सुशील मोदी कहलन कि जदयू के चिंतन शिविर मे त पार्टी के प्रतिनिधियनो ले अधिका पुलिसकर्मी तैनात रहले बाकिर हुंकार रैली में एगो मेटल डिटेक्टर ले ना लगवावल गइल, कवनो तरह के निगरानी के इंतजाम ना रहे आ मैदान के जाँच पड़ताल ले ना भइल. जबकि सरकार के केन्द्र पहिलही सचेत क दिहले रहुवे.

पुछलन कि मुख्यमंत्री के बतावे के चाही कि आखिर जब आतंकी यासीन भटकल पकड़ाइल त बिहार पुलिस ओकरा के हिरासत मे लेबे खातिर तइयार काहे ना भइल. इहो बतावे के चाहीं कि इंडियन मुजाहिद्दीन के जड़ बिहार मे गहिर काहे आ कइसे होखल जात बा आ सरकार आतंकियन प नरम काहे बिया.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up