हमीरपुर आ देवरिया 30 अक्टूबर (वार्ता) कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी आजु हमीरपुर आ देवरिया में पार्टी के धन्यवाद सभा में बोलत उत्तर प्रदेश सरकार प जम के हमला बोलले आ कहले कि जनता आ कार्यकर्ता प्रदेश सरकार के जनविरोधी काम का खिलाफ अपना हक के लडाई लड़े.
कहलन कि राज्य में खाद्य सुरक्षा विधेयक लागू ना क के सरकार गरीबन से अन्याय करत बिया.
कहलन कि प्रदेश के मुख्यमंत्री एतना जवान बाड़े बाकि उहो बुन्देलखण्ड के विकास आ नवहियन के रोजगार ला कुछ नइखन करत. केन्द्र बुंदेलखंड के विकास ला बहुते रुपिया भेजलसि बाकिर ओकर फायदा एहिजा के लोग ले ना चहुँपल.
0 Comments