आस्ट्रेलिया का खिलाफ टीम इंडिया मे युवराज सिंह के वापसी भइल

by | Sep 30, 2013 | 0 comments

आलराउंडर युवराज सिंह के एक बेर फेरू भारतीय टीम मे शामिल कर लिहल गइल बा.
आजु संदीप पाटिल के अध्यक्षता में बीसीसीआई के चयनकर्ता टीम इंडिया घोषित कर दिहले. एहमें जिम्बाब्वे दौरा पर टीम मे शामिल रहल दिनेश कार्तिक, चेतेश्वर पुजारा, अजिंक्या रहाणे, तेज गेदबाज मोहित शर्मा, आ स्पिनर परवेज रसूल के नइखे राखल गइल. चैपियन्स ट्राफी मे टीम इंडिया के खिलाड़ी रहल उमेशो यादव के टीम मे जगहा नइखे मिलल.
कप्तान महेन्द्र सिंह धोनी के अगुवाई वाली एह टीम में शिखर धवन, रोहित शर्मा, विराट कोहली, सुरेश रैना, आ युवराज के रूप मे पांच गो विशेषज्ञ बल्लेबाजन के शामिल कइल गइल बा. छठवां विशेषज्ञ बल्लेबाज आ विकेटकीपर धोनी रहीहें. गेंदबाजी मे आफ स्पिनर रविचंद्रन अश्विन आ लेफट आर्म स्पिनर रवीन्द्र जडेजा, आ तीन गो तेज गेदबाजन में भुवनेश्वर कुमार आ इशांत शर्मा के राखल गइल बा. जयदेव उनादकट, मोहम्मद शमी, आ आर विनय कुमार के रिजर्व तेज गेदबाज बना के राखल गइल बा, जिम्बाब्वे मे 18 विकेट लेबे वाला लेग स्पिनर अमितो मिश्रा के टीम मे जगहा मिलल बा.
विकेटकीपर बल्लेबाज अंबाती रायुडूओ के जगह दिहल गइल बा बाकिर मुंबई के आलराउंडर अभिषेक नायर, इरफान पठान, आ दिनेश कार्तिक के टीम में जगहा नइखे मिलल.
पूरा टीम के नाम बा महेद्र सिंह धोनी.कप्तान, शिखर धवन, रोहित शर्मा, विराट कोहली, युवराज सिंह, सुरेश रैना, रवींद्र जडेजा, रविचंद्रन, अश्विन, भुवनेश्वर कुमार, इशांत शर्मा, विनय कुमार, अमित मिश्रा, अंबाती रायुडू, मोहम्मद शमी, आ जयदेव उनादकट.
(वार्ता)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up