टटका खबर, अतवार, १२ फरवरी २०१२

by | Feb 12, 2012 | 0 comments

बिहार

  • देवराहा बाबा श्रीधरदास डिग्री महाविद्यालय रामपुर कदना (गड़खा) के संस्थापक सचिव श्रीधरदास जी महाराज को हटाके दोसरा आदमी के सचिव बना दिहला से नाराज श्रीधरजी महाराज धरना पर बईठीहें. उनुका एह बाति के तकलीफ बा कि जब महाविद्यालय के सरकारी अनुदान ना मिलत रहे तब अपना खरचा पर सभकर तनखाह देत रहले आ आजु उनुके के हटा दिहल गइल बा. कहलन कि ऊ मालवीय जी का तरह चंदा माँग माँग के महाविद्यालय बनवले रहले.
  • महाराजगंज के सांसद उमाशंकर सिंह के माँग मानत छपरा-गोरखपुर इंटरसिटी ट्रेन के ठहराव दारौंदा स्टेशन पर कइल जाई. हालांकि ऊ एकमा आ दाउदोपुर में एकर ठहराव मँगले रहले.
  • पटना जंक्शन आ राजेन्द्र नगर टर्मिनल से रेलगाड़ियन के परिचालन काल्हु सोमार से यथावत हो जाई. इंटरलाकिंग के काम पूरा तेजी से कइल जा रहल बा आ आजु रात ले पूरा हो जाई. अब रेलगाड़ियन के स्टेशन पर आवे खातिर बेसी देर ले इंतजार ना करे के पड़ी.
  • बक्सर जिला के धनसोई इलाका में करैला गाँव के एगो झोपड़ी में आग लगला से तीन गो छोट बच्ची जर के मर गइली सँ. रात में अपराधियन के आवे के हल्ला पर लोग दउड़ल त कन्हैया चौधरी के मेहरारुवो हड़बड़ा के बाहर निकलली. एही में ढिबरी पलटि गइल आ फूस के झोपड़ी में आग लाग गइल. झोपड़ी में सूतल तीनो बच्चियन के बचावल ना जा सकल.
  • सासाराम के दहियाड़ रामपुर नहर से मिलल लाश के पहचान नवरतन बाजार के नवनीत का रूप में भइल बा. लाश एक दिन पहिले मिलल रहे.

उत्तर प्रदेश

  • चुनाव के तिसरका, चउथका आ पाँचवा चरण के प्रचार पूरा जोर पर बा. तिसरका दौर के प्रचार काल्हु सोमार साँझ से बंद हो जाई आ एह दौर के मतदान पन्द्रह फरवरी के करावल जाई.
  • तिसरका दौर के छप्पन सीटन में से तीस गो बसपा का लगे रहुवे, भाजपा का लगे छह गो, कांग्रेस का लगे तीन गो आ जदयू का लगे एगो सीट रहुवे.
  • गोरखपुर में गगहा के ब्लाक प्रमुख के चचेरा भाई के बाइक सवार बदमाश गोली मार के भाग गइले. घवाहिल भाई के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • देवरिया के गौरीगंज बाजार के चरियांव खास में प्रधान रहल एगो आदमी का घर में बन्धक बना के राखल एगो कम उमिरिया दलित लड़िकी से सामूहिक बलात्कार के मामिला सामने आइल बा.
  • बलिया स्टेशन से पहिले बहेरी का लगे एगो आदमी बनारस पैसेंजर से आवत में गिर पड़ल आ गम्हीराहे घवाहिल हो गइल. ओकरा के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • चुनाव बीतला का बाद चुनावी रंजिश के झगड़ा शुरू हो गइल बा जहें तहें. आजु रसड़अ में छितौनी क्रासिंग का लगे दु गो गुट का बीच जम के मारपीट भइल.
  • बलिया के गड़वार पियरिया रोड पर एगो टैंकर से कचरा के दूगो लड़िकी दौरे पर मर गइली स. घटना का बाद ड्राइवर गाड़ी लिहले तेजी से भाग निकलल.

देश

  • कांग्रेस पार्टी सलमान खुर्शीद के बयान से अपना के अलग कर लिहले बिया बाकिर सलमान खुर्शीद आपन गलती माने के तइयार नइखन. ओने भाजपा नेता नितिन गडकरी चुनाव सभा में कहलन कि अगर भाजपा के सरकार बनल त अल्पसंख्यक आरक्षण खतम कर दिहल जाई काहे कि ई पिछड़ा वर्ग से छीन के दिहल गइल बा. कहलन कि दुख के बाति बा कि पिछड़ा वर्ग के नेता एह अन्याय का खिलाफ नइखन बोलत बाकिर भाजपा ई अन्याय होखे ना दी.
  • देश में एम्बुलेंस प्रणाली के व्यवस्थित आ सुविधाजनक बनावे खातिर केन्द्र सरकार एगो राष्ट्रीय एम्बुलेंस संहिता बनावे के तइयारी में लागल बिया.

दुनिया

  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी काल्हु न्यायालय के अवमानना मामिला में सुप्रीम कोर्ट में हाजिर होखीहें. गिलानी कहले बाड़न कि अगर अदालत उनुका के दोषी करार दी त ऊ इस्तीफा दे दीहें.
  • सीरिया समस्या पर विचार करे खातिर अरब लीग के विदेश मंत्रियन के बईठक काहिरा में शुरू हो गइल बा.

बिजनेस

  • फेसबुक कंपनी के कागजात सामने अइला पर पता चलल बा कि कंपनी जब चाहे अपना संस्थापक मार्क जुकरबर्ग के निकाल बाहर कर सकेले आ मार्को जब चाहसु तब कंपनी छोड़ सकेले. मार्क पर इहो रोक बा कि ऊ फेसबुक से मुकाबला करे वाला भा लायक कवनो दोसर सोशल साइट ना बनइहें. बाकिर एह खबर के असलियत इहे बा कि कंपनी कबहियो मार्क के ना निकाल पाई काहे कि उनुका लगे कंपनी के अठावन फीसदी हिस्सा बा. एह तरह के नियम के नुकसान बाकी कर्मचारियन खातिर बा जिनका के कंपनी जब चाहे तब निकाल सकेले बिना कवनो कारण बतवले.

खेल

  • सानिया मिर्जा आ ऑस्ट्रेलिया के अनास्तासिया रोदियानोवा के जोड़ी थाइलैंड में पटाया ओपन टेनिस टूर्नामेंट के महिला डबल्स के खिताब जीत लिहलसि.
  • तिकोनिया एकदिना क्रिकेट का मैच में आजु भारत आस्ट्रेलिया के चार विकेट से हरा दिहलसि. भारत का ओर से गौतम गंभीर सबले अधिका ९२ रन बनवले आ एह खातिर उनुका के मैन आफ द मैच घोषित कइल गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up