टटका खबर – लगातार, 10 अप्रैल 2017, सोमार

by | Apr 10, 2017 | 0 comments


ऑस्ट्रेलिया के प्रधानमंत्री मैल्कम टर्नबुल के आजु सोमार का दिने राष्ट्रपति भवन में औपचारिक स्वागत करत पीएम मोदी

भोजपुरी पट्टी

देवरिया जिला के सलेमपुर इलाका के एगो पेट्रोल पम्प के मैनेजर मोटरसाइकिल से 11 लाख रुपिया ले के बैंक में जमा करावे जात रहलन जब बीचे राह में ओवरब्रिज का नियरा मोटरसाइकिल सवार तीन गो बदमाश उनुका के रोक के हवाई फायर क के डिग्गी में राखल पांच लाख रूपिया लूटके भाग गइले स.

मिर्जापुर के कटरा कोतवाली इलाका में भइल सड़क हादसा में गणेशगंज के एगो नवही के मौत हो गइल. लइका पॉलीटेक्निक के फाइनल परीक्षा देके मोटरसाइकिल से जवटत रहल जब पथरहिया रोड प सेप्टन मिल तिराहा प ओकरा के एगो ट्रक धक्का मार के गिरा दिहलसि.

यूपी पुलिस के स्पेशल टास्क फोर्स कौशलेश त्रिपाठी गिरोह के दू गो बदमाशन के इलाहाबाद कैण्ट इलाके से गिरफ्तार क लिहलसि. ई दूनू रुपिया ले के खून कर देत रहलन स.

कुशीनगर जिला के कप्तानगंज ब्लॉक के तिसरका सिंचाई खण्ड में महराजगंज से कुशीनगर के इंदरपुर होत हेतिमपुर नदी में मिले वाला 62 किलोमीटर लमहर मवन नाला के जीर्णोद्धार करावल जाई. एह प नाहियो त 12 करोड़ के खरचा होखे के अनुमान बा.

यूपी के देवरिया जिला के मदनपुर इलाका के महेन सरकारी अस्पताल में एगो प्रेमी अपना प्रेमिका के गोली मरला के बाद अपनो के गोली मार के जान दे दिहलसि. कौड़ीराम इलाका के अपना प्रेमिका के ऊ भेंट करे ला बोलवले रहुवे. प्रेमिका के अस्पताल में इलाज कइल जा रहल बा.

देवरिया सदर इलाका के जलकल रोड प के एगो नृत्य संस्थान में नाच सीखत में बिजली करंट लगला से दू गो नवहियन के मौत हो गइल.

पूर्व मध्य रेलवे के छपरा-हाजीपुर रेल खंड पर आजु दुपहरिया में नयी दिल्ली-अरुणाचल एक्सप्रेस ट्रेन के एसी कोच में आग लाग गइल. आग लागल देख गाँव के लोग हल्ला मचा के सोनपुर टीसन से पहिले रोकवा दीहल. केहू के घाहिल होखे के खबर नइखे,

योगी मंत्रिमंडल के काल्हु होखे जात दूसरकी बइठक में गोरखपुर मेट्रो रेल योजना के मंजूरी दीहल जा सकेला. 14 अप्रैल से ‘पावर फार आल’ योजनो के एह बइठक में मंजूरी मिल सकेला.

सारण जिला के गौरा पुलिस चौकी इलाका में काल्हु देर राति यूपी विधानसभा चुनाव में व्यय पर्यवेक्षक रहल एगो आयकर अधिकारी शमशेर अली के कार पर कुछ बदमाश अंधाधुंध फायरिंग कइलन जवना से ड्राइवर के मौत हो गइल. अधिकारीओ गंभीराह घवाहिल हो गइल बाड़न. शमशेर अली सलीमापुर गांव में अपना एगो रिश्तेदार किहां से लवटत रहलन जब पहिले से घात लगा के बइठल बदमाश सलीमापुर बाजार में फायरिंग क दिहले स.

सारणे जिला के जलालपुर इलाका में काल्हु देर राति मोटरसाइकिल से धक्का लगला का चलते शंकरडीह गांव के एगो आदमी के हाईवे प मौत हो गइल. राति के खाना खा के ऊ हाइवे प टहलत रहलन जब ई हादसा हो गइल.


देश
आजु सोमार का दिने लोकसभा मोटर वाहन अधिनियम में संशोधन से जुड़ल एगो कानूनी मसौदा के पारित क दिहलसि. अब यातायात नियमन के लाँघेवालन प बड़हन जुर्माना लगावे आ सड़क दुर्घटना में घवाहिलन के मदद करे वाला के कानूनी उत्पीड़न से बचाव के इंतजाम हो गइल.

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी आजु पीएम नरेंद्र मोदी से मुलाकात कइली आ केंद्र सरकार के योजनन ला 10,000 करोड़ रुपिया से अधिका धन के मांग कइली.

शिवसेना के चप्पलमार सांसद रविंद्र गायकवाड़ आजु एयर इंडिया के पुणे-मुंबई विमान में उड़ान भरे के सौभाग्य पा लिहलन.

जम्मू कश्मीर के कुपवाड़ा जिला में सीवान पार क के भारत में घुसे के कोशिश करत चार गो आतंकवादियन के आजु सेना मार गिरवलसि.

असम में भाजपा सरकार एगो ऐतिहासिक फैसला करत कहले बिया कि दू गो से बेसी बच्चा पैदा करे वालन के राज्य सरकारी नौकरी ना दीहल जाई.


दुनिया

जी7 समूह के विदेश मंत्रियन आ प्रतिनिधियन के बइठक इटली के लक्का शहर में आजु सोमार से हो रहल बा आ काल्हु ले चली. एह बइठक में सीरिया आ इस्लामिक स्टेट से मुकाबला करे के तौर तरीका पर चरचा होखी.

भारत से बांग्लादेश के खास नाता कबो खराब ना होखे के बाति करत भारत दौरा प आईल बांग्लादेश के प्रधानमंत्री शेख हसीना भारत के व्यापारियन के बांग्लादेश में निवेश के नेवता दिहली. कहली कि रउरा सभे के हर संभव सुविधा दीहल जाई. रिलायंस पॉवर के एह बीच बांग्लादेश में एक अरब डॉलर के ठेका मिलल बा. रिलायंस पॉवर आ बांग्लादेश पॉवर डेवलपमेंट बोर्ड का बीच ढाका का नियरा मेघनाघाट खातिर 750 मेगावॉट के एलएनजी बिजली परियोजना के पहिला दौर के काम में साझेदारी के समझौता भइल.

पाकिस्तान में भारतीय जासूस होला का आरोप में धराइल कुलभूषण जाधव के मौत के सजा सुनावल गइल बा. एकर जानकारी आजु सोमार के जारी कइल गइल बा.

फिलीपींस के समर द्वीप में आजु सोमार का दिने आइल भूकंप के बेवत रिक्टर पैमाना प 5.6 रहल. जानमाल के नुकसान के कवनो खबर नइखे.

मिस्र में ईस्टर से पहिले वाला अतवार का दिने कॉप्टिक ईसाइयन प भइल हमला का बाद ओहिजा तीन महीना ला इमरजेन्सी लगावे के एलान क दिहलें मिस्र केराष्ट्रपति अब्दुल फतेह अल सीसी

भारत दौरा प आइल ऑस्ट्रेलिया के प्रधानमंत्री मैल्कम टर्नबुल के आजु सोमार का दिने राष्ट्रपति भवन में औपचारिक स्वागत कइल गइल.


खेल

अतवार का दिने मुम्बई के वानखेड़े स्टेडियम में भइल आईपीएल-10 के सतवाँ मुकाबला में मनीष पांडेय के बेहतरीन बल्लेबाजी (नाबाद 81) का बावजूद खराब फील्डिंग का चलते कोलकाता नाइट राइडर्स मुंबई इंडियंस से चार विकेट से हार गइल.

गुवाना में भइल मैच में मैन आफ द मैच बाबर आजम (नाबाद 125) आ तेज गेंदबाज हसन अली (38 रन प पांच विकेट) के मजगर प्रदर्शन का बदौलत पाकिस्तान वेस्टइंडीज के 74 रन से हरा दिहलसि आ तीन मैचन के एकदिना सीरीज में 1-1 के बराबरी क लिहलसि.


अर्थ व्यापार

देश के शेयर बाजार सोमार का दिने गिरावट ले के बन्द भइल. सेंसेक्स 130.87 अंक गिर के 29,575.74 प आ निफ्टी 16.85 अंक गिर के 9,181.45 प बंद भइल.
(राति 10 बजे के आखिरी अपडेट.)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up