टटका खबर : शुक, 31 जुलाई 2015 (अबेर)

by | Jul 31, 2015 | 0 comments

  • RajNathSinghलोकसभा में गृहमंत्री राजनाथ सिंह शुक का दिने कांग्रेस के याद दिअवलन कि यूपीए सरकार का दौरान ‘हिंदू आतंकवाद’ के जुमला गढ़ के देश में आतंकवाद का खिलाफ लड़ाई के कमजोर क दीहल गइल. एह बात ला हाफिज सईद तब सरहले रहुवे यूपीए सरकार के. कहलन कि मोदी सरकार अब एह तरह के शर्मनाक हालात ना आवे दी. कहलन कि आतंकवाद आतंकवाद होले ओर कवनो मजहब भा जाति ना होखे. एह मुद्दा पर संसद आ देश में एका होखे के चाहीं.
  • त्रिपोली आ ट्यूनिस से भारत लवटत चार गो भारतीय अध्यापकन के लीबिया में इस्लामिक स्टेट अपहरण क लिहले रहुवे बाकिर ओहमें दू जने के छोड़वा लीहल गइल बा आ बाकिओ दुनू के छोड़वावे के कोशिश जारी बा. शुक का दिने भारत सरकार का तरफ से एह बात के जानकारी दीहल गइल. विदेश मंत्री सुषमा स्वराज एह पर खुशी जतवले बाड़ी.
  • जम्मू कश्मीर के एगो कांग्रेस विधायक शुक का दिने सकरलन कि मुंबई के बम धमाका से पहिले आ बाद का दौरान ऊ तीन बेर टाइगर मेमन से भेंट कइले रहलें आ टाइगर मेेमन तब बतवले रहुवे कि मुंबई धमाका ओकरे करवावल ह.
  • आजु अधरतिया से भारत आ बांगला देश का बीच जमीन आ जनता के अदला बदली के समझौता लागू हो जाई आ दुनू देश के नक्शा हमेशा हमेशा खातिर बदल जाई. अदला बदली वाला लोग नवम्बर महीना ले आपन सामान ले के अपना देश में जा सकी. अइसन लोग अब अपना जमीन मकान वगैरह के सौदा कर सकेला. आजु रात से बांगलादेश में रहल 51 गो बस्ती पर भारत के झंडा लहरे लागी जबकि भारत में रहल 111 गो बस्तियन पर बांगला देश के.
  • त्रिपुरा के राज्यपाल तथागत रॉय एगो ट्वीट क के कहले बाड़न कि ख़ुफ़िया एजेंसियन के चाहीं कि याक़ूब मेनन के जनाजा में शामिल ओह लोग पर नजर राखो जे याकूब के रिश्तेदार ना रहुवे. काहे कि अइसन लोग में संभावित आतंकिओ रहल होइहें.
  • देश के राष्ट्रपति रहल अब्दुल कलाम के भतीजा के कहना बा कि परिवार के मालूम नइखे कि चाचा का लगे का आ कतना संपति रहुवे ना ही कवनो वसीयत छोड़ गइला का बारे में जानकारी बा. हँ मरे से पहिले एक बेर ऊ अपना बड़ भाई से जरूर कहले रहलन कि उनुका बाद उनुका छोटमोट संपति के देखभाल करत रहीहें.
  • पूणे के फिल्म एंड टेलीविजन इंस्टीट्यूट ऑफ इंडिया के विद्यार्थियन के आन्दोलन के बढ़ावा देबे चहुँपल राहुल गाँधी कहलन कि संघ के लोग मिडियोकरन के बढ़ावा देलें. एह पर तंज कसत वित्त मंत्री अरुण जेटली पूछले बाड़न कि औसत दर्जा, मीडियोकरन, के बढ़ावा देबे वाला बात का कांग्रेसो पर लागू होले जे राहुल के आपन नेता बना लिहले बिया.
  • केंद्र सरकार शुक का दिने लोकसभा में साफ कह दिहलसि कि बिहार भा कवनो राज्य के विशेष श्रेणी के दरजा ना दीहल जाई. बाकिर बिहार खातिर एगो स्पेशल पैकेज देबे का बारे में सोचल जात बा जवना पर आखिरी फैसला अबहीं नइखे भइल.
  • जदयू के प्रचार का जवाब में भाजपा का तरफ से नया नारा दीहल गइल बा कि सात बरीस ले भइल विकास, ओकरा बाद से बंटाधार. भाजपा के इशारा शुरु के सात बरीस ले गठबन्हन सरकार के रहला का दौरान बिहार के विकास का ओर बावे आ ओकरा बाद एहमें आइल गिरावट ओर जनता के धेयान खींचल गइल बा.
  • बिहार सरकार गया के गहलौर निवासी दशरथ मांझी के जीवन पर बनल फिलिम ‘मांझी द माउंटन मैन’ के बिहार में टैक्स फ्री कर दिहले बिया. शुक का दिने कैबिनेट का मीटिंग में ई फैसला लीहल गइल.
  • राष्ट्रीय लोकदल के अध्यक्ष अजित सिंह आरोप लगवले बाड़न कि सपा सरकार जइसन बेईमान आ लूटेरा सरकार नइखन देखले. कहलन कि मुलायम के परिवार के 22 लोग यूपी पर राज करत बा. एह लोग के बस तीन गो जनपद से मतलब बा बाकी जनपद चुल्हे भाँड़ में जासु एहलोग के का!
  • संसद के बवाल से आजिज आ गइल केन्द्र सरकार चाहत बिया कि सगरी गोल के बइठक बोला के एह मामिला के तोड़ निकालल जाव बाकिर कांग्रेस फेरू साफ कर दिहले बिया कि एह तरह के बइठक में तबहिए जाई जब कवनो ठोस प्रस्ताव सरकार का तरफ से सामने आई. कांग्रेस के मनसा साफ बा कि बतिया पंचे के रही बाकिर खुंटवा रहिए पर रही!
  • गाय के मांस खाए के बात सकारेवाला आ सु्प्रीम कोर्ट के जज रह चुकल न्यायमूर्ति मार्कंडेय काटजू का खिलाफ दिल्‍ली के एगो अदालत में दायर याचिका शुक का दिने खारिज हो गइल काहे कि अदालत कहलसि कि काटजू के बयान अभिव्यक्ति के आजादी से जुड़ल बा.
  • सावन महीना में होखे वाला कांवर यात्रा खातिर सुरक्षा बढ़ा दीहल गइल बा आ वाराणसी, अयोध्या, मथुरा, अउर चित्रकूट समेत अनेके तीर्थन पर पूरा चौकस राखल गइल बा पुलिस के. कांवरियन का बीचे ओइसने ड्रेस में पुलिसो तैनात रही जेहसे बारीकि से नजर राखल जा सकी.
  • बलिया आ गोरखपुर समेत पूर्वांचल के अनेके जनपद में आजु शुक का दिने निकहा बरखा होखे के खबर बा. चार दिन ले मौसम अइसने रहे के उमेद जतवले बावे मौसम विभाग. वाराणसी में गंगा नदी के पानी बढ़ गइला का चलते ओहिजा एक महीना ले नाव चलावे पर रोक लगा दीहल बा.
  • कथाकार आ उपन्यासकार मुंशी प्रेमचन्द के जयंती पर आजु यूपी में अनेके जगहा कार्यक्रम आयोजित क के उनुका के श्रद्धांजलि दीहल गइल, वाराणसी के लमही में आजु खास आयोजन भइल.
  • गोरखपुर के शाहपुर इलाका के झरना टोला में एके परिवार के चार लोग के जान मार दीहल गइल बा. घर के दरवाजा पर बाहर से ताला लागल रहुवे. पड़ोसियन के शिकायत पर पुलिस ताला तूड़ के लाश बरामद कइलसि. हत्या कुछ दिन पहिले कइल गइल लागत बा.
  • पटना उच्च न्यायालय जदयू के चार गो बागी विधायकन के विधानसभा सत्र में शामिल होखे के अनुमति दे दिहलसि. सुप्रीम कोर्ट चार जने के सदस्यता पहिलहीं बहाल कर चुकल बा. अब आठो बागी विधायक विधानसभा में मौजूद रहीहें. एही में के एगो विधायक राजेश्वर राज के दावा बा कि एक दर्जन जदयू विधायक जल्दिए भाजपा में शामिल हो जइहें.
  • पूर्वी चंपारण जिला के मोतिहारी में डीएवी स्कूल के दसवीं के एगो छात्र के गरदन रेत के मुआ दीहल गइल बा. ओकर लाश चांदमारी मुहल्ला में एगो बोरा में बंद मिलल बा.
  • बम्‍बई शेयर बाजार में आज लगातार तिसरा दिने लिवाली जारी रहला का चलते सेंसेक्स 409 अंक आ निफ्टी 111 अंक का बढोतरी ले के बंद भइल. बैंकन के शेयर में सबले बेसी लिवाली रहल.
  • बिना सब्सिडी वाला एलपीजी सिलेंडर के दाम शुक का दिने 23.50 रुपिया हर सिलेंडर पर घटा दीहल गइल. 1 जुलाई के एकर दाम 18 रुपिया घटावल गइल रहे. पेट्रोल आ डीजलो के दाम में कमी कइल गइल बा. पेट्रोल के दाम में हर लीटर पर 2.43 रुपिया आ डीजल के दाम में 3.60 रुपिया के कमी कइल गइल बा.
  • श्रीलंका में शुक का दिने एगो चुनावी सभा में गोलीबारी होखला का चलते एगो औरत के मौत हो गउवे. सभा का खतम होखत घरी कुछ बंदूकधारी दू गो गाड़ी से अइलें आ आवते गोली चलावल शुरु क दिहलें. ओह घरी ले वित्त मंत्री रवि करणनायके भाषण दे के जा चुकल रहलें. एह घटना के दोष पहिले राष्ट्रपति रहल महिंदा राजपक्षे के गोल के बतावल जात बा.
  • बर्मिंघम में होखत क्रिकेट मैच में इंग्लैंड ऑस्ट्रेलिया के आठ विकेट से हरा के एशेज़ सीरिज में दू एक से आगे हो गइल बा. सीरिज में कुल 5 गो टेस्ट मैच होखे वाला बा जवना में से तीन गो हो चुकल.
  • 2022 के शीतकालीन ओलम्पिक खेलन के मेजबानी बीजिंग के मिल गइल बा. ऊ एह दौड़ में अल्माटी के हरा दिहलसि. अब बीजिंंग पहिला अइसन शहर बन जाई जहाँ गरमी आ जाड़ा दुनू वाला ओलम्पिक करावल गइल होखी. साल 2008 में बीजिंग गरमी का समय वाला ओलंपिक के मेजबानी कइले रहुवे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up