टटका खबर, सोमार, 28 नवम्बर 2016

by | Nov 28, 2016 | 0 comments

वित्त मंत्री अरुण जेटली आजु लोक सभा में आयकर कराधान कानून (दुसरका बदलाव) विधेयक, 2016 पेश कइलन। एह विधेयक में अघोषित आमदनी पर कुल मिलाके 50 प्रतिशत टैक्स आ सरचार्ज लगावे के प्रस्ताव बा। एह 50 फीसदी का उपर से 25 फीसदी अउर प्रधानमंत्री गरीब कल्याण जमा योजना-2016 में जमा करावे के पड़ी जवना प कवनो ब्याज ना मिली.


नोटबंदी क बाद भइल महाराष्ट्र के नगर निकाय चुनावन में बीजेपी बड़हन जीत हासिल करत लउकत बीया. पिछला बेरी भाजपा तिसरका नंबर के पार्टी रहुवे बाकि अबकी विजेता बन गइल बीया. कुल्ह 147 नगरपालिकन के चुनाव में भाजपा के 52 गो अध्यक्ष जीतल बाड़ें.
ई परिणाम देखि के लागत बा कि जनता नोटबन्दी पर प्रधानमंत्री मोदी के फैसला पसन्द कइले बिया.


मोहाली टेस्ट के तिसरका दिन के खेल ख़तम होखे बेरा भारत मजबूत हाल में। इंग्लॅण्ड के चार गो विकेट का नुकसान का बादो पहिला पारी में भारत के मिलल बढ़त से 56 रन पाछा।


मोहाली टेस्ट के तिसरका दिने भारत के पहिला पारी 417 रन बना के ख़तम हो गइल। पहिला पारी में भारत 134 रन के बढ़त बना लिहले बा।


करिया धन का खिलाफ भइल नोटबंदी के विरोध में आजु भारत बन्द करे के ऐलान किले रहले कुछ मालदार विरोधी पार्टी। बाकि जनता के बेरुखी देखत लोग एकरा के विरोध जतावल बता दिहले बा। बिहार का दरभंगा में बंवारा गोल ट्रेन रोक के आ लखनऊ में सपा का तरफ से सड़क जाम करे के खबर बा। बलिया में कवनो असर नइखे लउकत।


आजु भोरे नेपाल में आइल भूकम्प के झटका बिहारो के कुछ जगहन पर महसूस भइल। खास क के नेपाल से सटल इलाकन में। गोपालगंज आ चंपारण में अधिका बुझाइल। वइसे कतहीं से जान माल के नुकसान के खबर नइखे।


आजु के टटका खबर बीच बीच में अपडेट होखत रही, एहसे आवत रहब जब जब मौका मिले।

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up