टटका खबर, 20 फरवरी 2017, सोमार

by | Feb 21, 2017 | 0 comments


पडरौना आइल श्रीरामजन्म भूमि न्यास के अध्यक्ष महंत नृत्यगोपाल दास जी आजु कहनी कि विधानसभा चुनाव का बाद राम मंदिर बनवावे खाति धर्माचार्य लोग प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से बतियावे दिल्ली जाई.

बिहार विधानपरिषद के चार सीट प 9 मार्च का दिने होखे जात चुनाव ला परचा दाखिल करे के आजु आखिरी दिन रहुवे. मंगल का दिने एह परचन के जाँच कइल जाई आ 23 फरवरी ले नाम वापिस लीहल जा सकी. ओकरा बाद जरुरी भइल त वोटिंग करावल जाई. एह चार सीट में सारण आ गया के स्नातक आ गया अउर कोसी से शिक्षक निर्वाचन क्षेत्र शामिल बा. सारण वाली सीट महाचन्द्र प्रसाद सिंह के अयोग्य ठहरवला का चलते आ बाकी के तीन सीट कार्यकाल पूरा भइला का चलते करावल जात बा.

बिहार कर्मचारी चयन आयोग के परीक्षा के पेपर लीक हो गइला का मामिला में स्पेशल टास्क फोर्स औरंगाबाद अउर रोहतास से दू दू गो दलालन के गिरफ्तार क लिहलसि. गिरोह के सरगना सनोज वर्मा पहिलहीं धरा चुकल बा.

सुप्रीम कोर्ट 28 फरवरी से चारा घोटाला के मामिला में सुनवाई शुरु करी. सीबीआई झारखण्ड हाई कोर्ट के फैसला का खिलाफ अपिल कइला रहुवे जवना के मानत सुप्रीम कोर्ट सुनवाई करे के तइयार भइल बा. एह मामिला में लालू प्रसाद आ डॉ जगन्नाथ मिश्रा मुख्य आरोपी बाड़ें.

गोरखपुर जिला के बेलीपार इलाका के चारपानी गाँव के एगो औरज के मौत चंवरपाल का नियरा सड़क पार करत घरी बस से धक्का लगला का चलते हो गइल.

वाराणसी कैंट विधान सभा क्षेत्र से सपा उमीदवार रीबू श्रीवास्व आपन परचा आजु वापिस ले लिहली जवना का बात एहिजा से कांग्रेस उमेदवार का कैम्प में खुशी के लहर दउड़ गइल बा.

वाराणसी पुलिस मंडुवाडीह इलाका से इलेक्ट्रॉनिक सामान चोरावे वाला एगो गिरोह के छह गो सदस्यन के गिरफ्तार करत ओकनी का लगे से चोरी के 20 गो मोबाइल फोन आ एगो लैपटॉप बरामद कइलसि.

यूपी विधानसभा चुनाव का चलते हो रहल तलाशी में आजु जौनपुर जिला पुलिस आ उडनदस्ता टीम मुंगराबाद शाहपुर इलाका में एगो कार से अस्सी लाख रुपिया बरामद कइले. रुपिया ले के जात आदमी कार्पोरेशन बैंक के जौनपुर शाखा प्रबंधक हउवें, कहलन कि ई रुपिया ऊ इलाहाबाद के जानसेनगंज शाखा से निकाल के जौनपुर ले जात रहले हँ.

देवरिया सदर कोतवाली इलाका में भइल सड़क हादसा में आजु मोटरसाइकिल से जात दू गो सगा भाईयन के मौत हो गइल. सदर कोतवाली इलाका के अमेठी के रहे वाला ई लोग गोरखपुर रोड का ओवरब्रिज प एगो बाहन से लागल धक्का के शिकार हो गइल. दूनू जने के मौत ठाँवे प हे गइल.

सपा कांग्रेस गठबन्हन के समर्थन में बयान दीहला का चलते आजु जदयू के उत्तर प्रदेश अध्यक्ष सुरेश भैया निरंजन के गोल से बरखास्त क दीहल गइल. जदयू महासचिव के सी त्यागी एह बात के एलान कइलें.

मऊ के कोतवाली इलाका के मतलुपुर मोड़ प काल्हु साँझे मिलल एगो घवाहिल नवही के देर राज इलाज का दौरान अस्पताल में मौत हो गइल. पुलिस के लागत बा कि ओकर हत्या करे ला पिटाई क के अधमुअल हाल में फेंक गइल रहले सँ बदमाश.

सारण जिला के रिविलगंज इलाका के सिताब दियारा के रावल महादलित टोला में हाई वोल्टेज तार टूट के झोपड़ी प गिरला का चलते एगो महतारी आ ओकरा छह बरीस के बेटा के मौत हो गइल. परिवार के एक आदमी झँउस के घवाहिल बाड़न.

यूपी विधानसभा के चउथका दौर के चुनाव प्रचार काल्हु मंगल का दिने थम जाई. एह दौर में 12 जिला- – इलाहाबाद, रायबरेली, झाँसी, बुंदेलखंड, प्रतापगढ़, कौशाम्बी, जालौन, ललितपुर, महौबा, बाँदा, हमीरपुर, चित्रकूट अउर फतेहपुर – के 53 सीट प बियफे का दिने वोटिंग करावल जाई. सतवाँ आ आखिरी दौर के चुनाव ला नाम वापसी के आजु आखिरी दिन रहल.

बंबई शेयर बाजार के सेंसेक्‍स में आजु 193 अंक के ताजी आइल आ 28662 प बंद भइल. निफ्टी 58 अंक के तेजी से 8879 हो गइल.

इंग्लैंड के आलराउंडर बेन स्टोक्स आजु बंगलूरू में आई पी एल दस के नीलामी में सबले बेसी दाम प बिकइलें. स्टोक्स के राइजिंग पुणे सुपरजाइंट्स साढ़े 14 करोड़ में खरीदलसि. इंग्लैंडे के तेज गेंदबाज टाइमल मिल्स ला रायल चैलेंजर्स बंगलोर 12 करोड़ के, अफगानिस्तान के लेग स्पिनर राशिद खान ला सनराइजर्स हैदराबाद चार करोड़ के आ मोहम्मद नबी ला 30 लाख रुपिया के बोली लगवलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up