टटका खबर, 3 फरवरी 2017, शुक

by | Feb 3, 2017 | 0 comments


उत्तर प्रदेश पर्यटन विभाग बस्ती में महान स्वतंत्रता संग्राम सेनानी महाराजा जालिम सिंह के किला अमौढा अउर बारहभिटिया समय माता मंदिर वगैरह जगहन के विकास आ सौन्दर्यीकरण प 70 लाख रुपिया से अधिका के खरचा करे के योजना बनवले बावे.

पटना के पाटलिपुत्रा स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स में चलत 81वीं राष्ट्रीय सीनियर बैडमिंटन चैंपियनशिप के पुरुष एकल में बिहार के शुभम कुमार आ महिला एकल में आकांक्षा कुमारी जीत हासिल क के अगिला दौर में चहुँपल लोग. एह राष्ट्रीय चैंपियनशिप के आयोजन बैडमिंटन एसोसिएशन ऑफ इंडिया कइले बावे.

पश्चिम चम्पारण जिला के बाल्मीकि नगर रोड टीसन का नियरा अमृतसर से दरभंगा जाए वाली 15212 डाउन जननायक एक्सप्रेस ट्रेन प सवार एगो नवही गिर पड़ल. बहुते घवाहिल हो चुकल एह नवही के मौत अस्पताल ले जात में हो गइल. एह हादसा का चलते कई घंटा ले रेलगाड़ियन के आवाजाही रूक गइल.

देवरिया के गौरीबाजार इलाका में गहिला दुधैला के एगो बूढ़ अपना घर वालन से अनसा के गौरीबाजार पूर्वी रेलवे फाटक प चहुँपल आ एगो मालगाडी आवते लाईन पर खड़ा हो के आपन जान दे दिहलसि.

कांग्रेस आ सपा गठबन्हन में अमेठी-रायबरेली के सीट बँटवारा के फँसल पेंच प समझौता हो गइला के खबर बा. बतावल जात बा कि दूनू जिलन के 10 में से 7 गो सीट प कांग्रेस लड़ी आ 2 गो प सपा. बाकि अबहियों ई साफ नइखे भइल कि कवन सीट कवना गोल का दीहल जाई. दूनी गोल चुपे चोरी अपना अपना उमीदवारन के समझइहें कि अगर कमजोर बुझात होखे ज बइठ जा, एह हालत में अचरज ना कि कुछेक सीटन प दूनू के उमीदवार रह जासु.

पूर्वोत्तर रेलवे का गोरखपुर-आनन्दनगर, गोरखपुर-गोण्डा, बहराईच-नानपारा आ गोण्डा-तुलसीपुर रेल खण्ड में चेकिंग क के बिना टिकट भा गलत दर्जा में सफर करत 167 लोग के पकड़ल गइल आ एह लोग से भाड़ा आ जुर्माना का रिप में 83 हजार 155 रुपिया वसूलस गइल.

गोरखपुर जिला के खोराबार इलाकाके कुरमौल गाँव में देवाल गिरला से पाँच बरीस के एगो लइकी देवाल का नीचे दबइला से घवाहिल हो गइल बाकि ओकर जान बचावल ना जा सकल.

बृहन्नमुंबई नगर निगम के कुल्हि 227 सीटन प 21 फरवरी के होखे वाला चुनाव में भाजपा 195 सीट प अपने सड़ी आ बाकी के 32 गो सीट प अपना सहयोगियन के. जान जाईं कि शिव सेना से भाजपा के बरीसन पुरान गठबन्हन टूट गइल बा. शिव सेना चाहल रहुवे कि नरग निगम प ओकर राज चलो. राज्य आ केन्द्र में त भाजपा के सरकार चलते बा.

गोवा विधानसभा ला काल्हु होखे वाला चुनाव में मौजूदा मुख्यमंत्री लक्ष्मीकांत परसेकर का साथ ही पहिले मुख्यमंत्री रह चुकल पाँच जने – प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष लुईजिन्हो फलेरियो, विपक्ष नेता प्रताप सिंह राणे , वरिष्ठ कांग्रेसी नेता दिगम्बरी कामत, रवि नाइक आ चर्चिल अलेमाओ – के किस्मत के फैसलो होखे वाला बा. फलेरियो, राणे, कामत अउर नाइक कांग्रेस का ओर से आ अलेमाओ राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी का ओर से उम्मीदवार बाड़ें.

बस्ती जिला के छावनी इलाका आजु ट्रक का धक्का से शेखपुरा गाँव के पिकप ड्राइवर के मौत हो गइल. पिकप फैजाबाद से सब्जी लादके ले अवत रहल जब रामजानकी मार्ग प रूपगढ गांव का नियरा ई हादसा हो गइल. पिकप प सवार आठ गो लोगो घवाहिल हो गइल बा.

गोपालगंज जिला के कुचायकोट इलाका आजु सबेरे घन कोहरा का चलते राष्ट्रीय उच्च पथ 28 पर बेलवनवा गांव का नियरा एगो मोटरसाइकिल के कवनो गाड़ी धक्का मार के भाग गइल. एह हादसा में मोटरसाइकिल चलावत नवही घवाहिल हो गइल आ उनुकर मेहरारी आ बेटी के ठाँवे प मौत हो गइल. बाल में उनुकरो मौत गोरखपुर अस्पताल में हो गइल.

सारण जिला के बनियापुर इलाका के हरपुर दक्खिन टोला के एगो शराबी अपना मेहरारू के छूरा घोंप के जान ले लिहलसि काहें कि ऊ शराब पीए से मना करत रहुवे.

जौनपुर जिला पुलिस खेतासराय इलाका के पाराकमाल गाँव के प्रधान पुत्र के पिछला 27 मई के हत्या करे का आरोप शामिल पाँच जने प गैंगस्टर एक्ट लगा दिहले बिया.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up