तीन साल बाद सचिन के मिल पावल एगो विकेट

by | Nov 6, 2013 | 0 comments

कोलकाता 06 नवंबर (वार्ता) आपन 199वां टेस्ट खेलत बल्लेबाजी के बादशाह सचिन तेदुलकर आजु अपना स्पिन गेदो के कमाल देखावत पौने तीन साल बाद कवनो विकेट लिहले.

चाय का बेरा ले कैरेबियाई टीम छह विकेट 188 रन पर गवाँ के गहिरा संकट में फँसल रहुवे जब कप्तान धोनी सचिन के एगो ओवर करे के कह दीहले. सचिन के गेंद मिलते पूरा ईडन गार्डन ताली बजावे लागल.

अपना ओवर के चउथा गेद पर सचिन शेन शिलिंग फोर्ड के पगबाधा करा दिहले. 199 टेस्ट के करियर में सचिन के ई 46वां विकेट रहल. एहसे पहिले गेंदबाजी में उनकर सबले बढ़िया प्रदर्शन दस रन पर तीन विकेट रहल बा. पिछला विकेट सचिन के जनवरी 2011 में केपटाउन में दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ मिलल रहुवे. ओहू बेरा उ पगबाधे आउट करवले रहले विकेटकीपर मार्क वाउचर के.

सचिन एकदिना मैचन में बहुत सफल गेदबाज रहल बाड़े आ 463 वनडे में 154 विकेट लिहले बाड़न जवना में सबले बढ़िया रहल बा 32 रन पर चार विकेट के.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up