लखनऊ 05 जनवरी (वार्ता) भाजपा.के खेल प्रकोष्ठ अगिला नौ फरवरी के दिल्ली के रामलीला मैदान में खेल संसद बोलवले बिया जवना में देश भर से आइल एक लाख से अधिका खिलाडी शामिल होखीहें.
एह बारे में आजु एहिजा भाजपा कार्यालय मे खेलकूद प्रकोष्ठ के प्रदेश पदाधिकारियन के बइठक भाजपा के खेलकूद प्रकोष्ठ के सहसंयोजक सुनील गुप्ता के मौजूदगी मे भइल. आ एह संसद ला अधिका से अधिका खिलाड़ियन के जुटावे प चरचा भइल.
0 Comments